भारत के जनता के जीत

by | Apr 9, 2011 | 0 comments

देश का इतिहास में पहिला बेर अइसन भइल जब कवनो जन आन्दोलन के अतना बड़हन असर पूरा देश पर पड़ल आ लोग अपना मन से बिना कवनो उत्तेजना के एह आन्दोलन में शामिल होत गइले आ सरकार के मजबूरन आन्दोलन के हर माँग माने के पड़ल.

एह आन्दोलन के बाद देश के एगो नया महात्मा गाँधी अन्ना हजारे का रुप में मिल गइल बा आ अब आगहु अइसनका जन आन्दोलन देखे के मिली. लोकपाल बिल के बनावे खातिर जवना समिति के अधिसूचना सरकार जारी कर दिहले बिया ओहमें सरकार आ आम जनता के पाँच पाँच गो प्रतिनिधि शामिल कइल गइल बाड़न.

समिति के अध्यक्ष प्रणव मुखर्जी आ सह अध्यक्ष शांतिभूषण रहीहन. सदस्यन के नाम बा अन्ना हजारे, वीरप्पा मोइली, कपिल सिब्बल, चिदंबरम, सलमान खुर्शीद, प्रशांत भूषण, सेवानिवृत न्यायाधीश संतोष हेगड़े आ अरविन्द केजरीवाल.

प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कहले बाड़न कि सरकार अगिला मानसून सत्र में लोकपाल विधेयक के संसद में पेश करी.

एह आन्दोलन के मिलल जीत में मीडिया के भागीदारी के प्रशंसा करे के पड़ी जे पूरा मन से एह आंदोलन के कवर कइलस जवना चलते लोग के भीड़ एह आंदोलन से जुड़ गइल. ना त जंतर मंतर पर अइसनका अनशन हमेशा चलत रहेला, आजुवो कुछ लोग अनशन पर बा जवना लोग के कवनो कवरेज नइखे मिल पावत काहे कि ऊ लोग अन्ना हजारे, किरण बेदी ना ह.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up