मनोज तिवारी बन गइलन एसोसिएशन ऑफ बिहार क्रिकेट के नयका अध्यक्ष

by | Oct 1, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी मेगा स्टार आ क्रिकेट प्रेमी मनोज तिवारी के कीर्ति आजाद का जगहा एसोसिएशन ऑफ बिहार क्रिकेट (ए.बी.सी.) के अध्यक्ष बनावल गइल बा. कीर्ति आजाद के एह पद से इस्तीफा दे दिहला का बाद चुनल गइल मनोज तिवारी कहलन कि बिहार में क्रिकेट के भला खातिर एबीसी, लालू प्रसाद यादव के बीसीए आ क्रिकेट एसोसिएशन ऑफ बिहार (सीएबी) तीनो के एक मंच पर आवे के चाहीं.

एबीसी के दू दिन के सालाना आम सभा के समापन पर मनोज तिवारी कहलन कि एबीसी के अध्यक्ष पद सम्हरला क बाद उनकर कोशिश रही कि बिहार के क्रिकेट राष्ट्रीय मुख्यधारा में शामिल होखे. बतवलन कि कीर्ति आजाद आपन पद एहला छोड़ दिहलन कि उनका पर आरोप लागत रहुवे कि कीर्ति आ लालू के टकराव का चलते बिहार में क्रिकेट के नुकसान होखत बा. आ कीर्ति एही चलते पद छोड़ दिहलन कि अगर उनका हटला से बिहार में क्रिकेट के भला हो सके त एकरा ला ऊ सब कुछ कर सकेले.

मनोज तिवारी आगे कहलें कि बिहार क्रिकेट में पिछला कुछ साल से जइसन खींचतान चलत बा ओहसे एह खेल के नुकसान भइल बा. कहलन कि बिहार क्रिकेट के एकजुट देखल उनकर प्राथमिकता बा. कहलें कि एबीसी, बीसीए अउर सीएबी से जुड़ल लोग एक साथे मिल बइठ के एह मुद्दा के समाधान निकालो. कहलन कि उनकर कोशिश रही कि एबीसी के बीसीसीआई से मान्यता मिल जाव. जरूरत होखी त ओ बीसीए अध्यक्ष लालूओ प्रसाद से बतियइहें.


(स्रोत – शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up