राजमहल में अपना पोता के सोना के थरिया में खात देखे के सपना

by | May 3, 2024 | 0 comments

माई बेटा के एगो पुरान फोटो

बहुत पहिले एगो कहानी सुनले रहीं कि एगो आन्हर बुढ़िया अपना भक्ति से भगवान के आशीर्वाद पा लिहलसि. भगवान खुश हो के ओकरा से कहलन कि तू कवनो एगो वरदान मांग सकेलू.

बुढ़िया सोच में पड़ गइल कि का मांगी. आपन स्वास्थ्य मांगी कि दीर्घायु, आँख मांगी कि आपन परिवार. एगो मिलियो जाव तबो बहुत कुछ के कामना मने मेंरिह जाई. बहुते सोच-विचार के ऊ कहलसि कि, हे भगवान हम चाहत बानी कि कवनो राजमहल में अपना पोता के सोना के थरिया में खात देखे सकीं. भगवनो फेर में पड़ गइलन बाकिर आशीर्वाद त देबहीं के रहल. एके वरदान से ओह बूढ़िया के यौवन, घर परिवार, आँख, धन संपति आ वंशज सब कुध त मांग लिहलसि.

कुछ अइसनके दाँव सोनिया गाँधी चल दिहले बाड़ी आ जब ले लोग वूझ पाइत तब ले ऊ अपना पूरा खालदान के संसद चहुँपावे के जोगाड़ बईठा लिहली. जानत बाड़ी कि अबकी वायनाड जीतल ओतना आसान नइखे जतना पिछला बेर रहुवे. अबकी ओहिजा से राहुल के जीत बहुते कठिन हो गइल बा. एक त बँवारा गिलन का तरफ से मजगर उमीदवार उतार दीहल गइल बा आ ओह पर से भाजपो अपना राज्य अध्यक्षे के मैदान में उतार दिहलसि. एक बेर अमेठी गँवा चुकल राहुल ओकरा बाद अमेठी का तरफ मुँहो ना कइलन से कवना मुँह से ओहिजा के लोगन से वाट मँगीहें.

राजनीति के महाचतुर खिलाड़ी रहल सोनिया गाँधी एह देश पर दस बरीस ले शासन क के देखा चुकल बाड़ी. कुर्सी पर आपन मोहरा बइठा के द् बरीस ले सभकुछ अपने सम्हरली. बदनामी अगर भइबो कइल त मनमोहन के. सोनिए गाँधी से सीख लेके केजरीवालो एही सिस्टम के चला लिहलन. मुख्यमंत्री त अपना रहलन बाकिर सगरी काम मनीष सिसोदिया से करावे लगलन. घोटाला धराइल त मानसिंह सिसोदिया के कुल में जनमल एह मनीष सिसोदिया के पता ना चलल केजरी के चाल आ बेचारा धरा गइल. खैर मनीषो के अबहीं संतोष मिलत होखी जब तिहाड़ में केजरीओ के देखत होखिहें.

राजनीति के शतरंज में एगो चाल चल के अपना पूरा परिवार के संसद चहुँपावे के जोगाड़ क लिहली. पहिले त अपना राज्यसभा चल गइली. वचले बेटा आ बेटी. त राहुल के दू जगहा से लड़वा दिहली. एकहू जगहा से जीत जाई त सांसद होइए जाई. आ अगर बिलाई का भागे सिकहर टूट गइल आ ऊ दुनू जगहा जीत जइहन ल एक जगहा से इस्तीफा दे दिहें आ फेर ओह सीट पर होखे वाला उप चुनाव में वबुनियो के सांसद बनवावे के राह मिल जाई. बस एह एकपिठिया भाई बहिन में लड़ाई मत हो जाव.

आजु राहुल गाँधी हरदी-गुरदी बोले के फजीहत से बाचत महतारी के छोड़ल रायबरेली से सांसदी के परचा दाखिल कर दिहलन, एप मौका पर सगरी गाँघी परिवार मौजूद रहुवे. राहुल के मैदान में उतरला से राहत के साँस लिहले होखिहल अखिलाश यादव. ना त जनता के समुझावल त छोड़ दीं आपने उमीदवारनो के समुझावल मुश्किल हो गइल रहीत.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up