लड़की हईं लड़ सकिलें कह के राधिका प्रियंका पर तंज कसले बाड़ी का

by | May 5, 2024 | 0 comments


प्रभु श्रीराम के दर्शन करे गइला का अपराध में कांग्रेस अपना मीडिया प्रवक्ता राधिका खेड़ा का साथे अइसन कइलसि कि हार पाछ के उनुका इस्तीफा देबे के पड़ गइल. कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे के भेजल अपना त्यागपत्र में राधिका लिखले बाड़ी कि –

पुरनका जमाना से चलल आवत बा कि धर्म के साथ देबेवालन के विरोध होखत आइल बा, हिरनकश्यपु से ले के रावण आ कंस ले अइसने करत आइल बाड़ें धर्म के बात करे वालन का साथे.

आगे लिखले बाड़ी कि हर हिन्दू ला प्रभु श्रीराम के जनमभूमि पावनता का साथे बहुते माने राखेला. प्रभु श्रीराम के दर्शन कइल हर हिन्दू अपना जीवन के सफलता मानेला.

कहले बाड़ी कि जवना कांग्रेस के ऊ अपना जिनिगी के 22 बरीस दिहली आ एनएसयूआई से लेके कांग्रेस के मीडिया विभागो खातिर इमानदारी से काम कइली आजु ओहिजे उनुका अइसन विरोध झेले के पड़ल.

एगो वीडियो में उनुका के सुनल जा सकेला कि उनुका साथे बदसलूकी कइल गइल आ उनुका के एगो कोठरी में कुछ देर ला बंद कर दीहल गइल.

बाद में राधिका खेड़ा कांग्रेस से इस्तीफा दे दिहले बाड़ी ई कहत कि लड़की हईं लड़ सकिलें. कुछ लोग एकरा के तंज का तरह देख रहल बा प्रियंका गांधी पर जे अपना गोल में नारी पर होखत अत्याचार पर मुँह घूमा लेबेली जइसे कुछ भइले ना होखे.

जे अपने साथे हो रहल अन्याय का खिलाफ खड़ा नइखे हो पावत ओकरा से दोसरा साथे होखत अन्याय के विरोध के उमेद राखले गलत होला.

हो सकेला कि रउरो मन में सवाल आवत होखे कि राधिका खेड़ा कांग्रेस के मीडिया विभाग के अध्यक्ष पवन खेड़ा से कवनो संबंध बा का, त जाल लीं कि पवन आ राधिका का बीच कवनो पारिवारिक रिश्ता नइखे. बस दुनू का नाम में खेड़ा लागल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up