लोकपाल आंदोलन : अन्ना भरले हुंकार, दिक्कत में घेराइल सरकार

by | Aug 25, 2011 | 0 comments

नई दिल्ली, 25 अगस्त (आईएएनएस). अन्ना हजारे पक्ष अउर सरकार के प्रतिनिधियन का बीच पिछला 24 घंटों का दौरान भइल बातचीत बुध के रात अचानक अइसन मोड़ पर चहुँप गइल जहां लागल कि मनभेद अउरी गहिरा गइल बा आ सरकार एक डेग बढ़वलसि त तीन डेग पीछे खींच लिहलसि.

ई एहसे भइल कि केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी से भइल बातचीत का बाद टीम अन्ना सरकार का खिलाफ जमके आग उगिललसि आ ओकरा बाद आपन सफाई देबे खुद मुखर्जी रात के साढ़े बारह बजे सामने अइले. कहले कि उनुका बात जे तूड़ ताड़ के पेश कइल गइल बा. बहरहाल अतना त कहल जा सकेला कि दुनु पक्ष का बीच सम्भवत: विश्वास के कमी बा जवना चलते बातचीत फेल हो गइल. संतोष अतने बा कि दुनु पक्ष बातचीत जारी राखे के तइयार बाड़े.

मुखर्जी से बतियवला का बाद टीम अन्ना कहलसि कि बात बने का बजाय बिगड़ गइल बा आ सरकार के मंगल आ आजु बुध का के रुख में दिन-रात के अंतर आ गइल बा.

मुखर्जी से लगभग डेढ़ घंटे बतियवला का अरविंद केजरीवाल के कहना रहे कि, “सरकार काल्हु जवन बाति मान लिहले रहुवे ओहसे पलटि गइल बिया.”

केजरीवाल कहले, “सरकार का ओरि से कहल गइल बा कि जन लोकपाल विधेयक संसद में पेश ना होई बलुक एगो नया विधेयक पेश कइल जाई. आ रउरा लोग के जवन मोट-मोट बाति होई ऊ शामिल कर लिहल जाई. जतना सहमति बनल रहुवे, सरकार ओहसे पीछे चल गइल.”

ऊ कहले, “जब हमनी का सरकार से पूछनी कि हमनी जा के अन्ना हजारे के का बताईं त सरकार का ओरि से कहल गइल अन्ना हजारे अगर अनशन करत रहल चाहत बाड़े त करत रहसु. ई राउर समस्या ह.”

केजरीवाल आगे कहले, “हमनी जब पूछनी कि का सरकार हमनी का खिलाफ पुलिस कार्रवाई करी त ओ एह पर नाराज हो गइले. कहलन कि ऊ एकर जबाब देबे में सक्षम नइखन.”

किरण बेदी के कहना रहल, “सरकार काल्हु हमनी के बात सुनत रहुवे आ कहत रहुवे कि इहो ठीक बा, ईहो ठीक बा. एहमे कवनो समस्या नइखे. लेकिन आजु ऊ लोग हमनी से कहत ना रहे, सुनावत रहे.” एहपर केजरीवाल जोड़ले कि, सुनावत ना बलुक डाँटत रहले.

किरण बेदी कहली, “सरकार भ्रष्टाचार पर गम्भीर नइखे. ऊ हमनी के बईठका में अझूरवले बिया.”

प्रशांत भूषण के कहना रहल, “दुर्भाग्यवश हमनी का जहाँ रहनी ओहिजे चहुँप गइनी. सरकार का साथ तीन मुद्दा पर जवन गतिरोध रहे ऊ त बड़ले बा आजु ओहमें कुछ अउर बाति जोड़ा गइल बा.”

एकरा बाद केजरीवाल, बेदी अउर भूषण रामलीला मैदान चहुँपले आ अन्ना समर्थकन का बीच आपन बाति कहले. ओकरा बाद अन्ना हजारे हुंकार भरत कहले कि यदि सरकार उनुका के एहिजा से उठा ले जात बिया त पूरा देश अगिला दिन से जेल भरो आंदोलन आ संसद के घेराव शुरू करे. अन्ना अपना समर्थकन से इहो अनुरोध कइले कि ऊ लोग हिंसा के राह मत पकड़े काहे कि अगर हिंसा भइल त उनुका बहुते तकलीफ होई.

फेर अन्ना हजारे भारत माता की जय, वंदेमातरम अउर इंकालाब जिंदाबाद के नारा लगवले आ कहले कि, “रउरा सभे जवन देश प्रेम के भाव जगवले बानी ओकरा खातिर हमरा लगे शब्द नइखे.”

अन्ना हजारे कहले, “नौ दिन के अनशन का बाद सरकार के करियका अंगरेजन के मुखड़ा सामने आ गइल बा. हुक्मशाही के मुखड़ा लोकशाही ला खतरा बा.”

गांधीवादी अन्ना हजारे ललकारत कहले, “परसो हम कहले रही कि सरकार यदि हमरा के एहिजा से उठा के ले जातिया त रउरा सभे ओकर विरोध करब. बाकिर आजु हम कहत बानी कि पुलिस ले जाये के चाहे त ले जाये देब सभे, ना त हिंसा हो जाई. सरकार चाहत बिया कि हिसा होखे जवना से ऊ एह आंदोलन के कचार सके.”

अन्ना इहो कहले, “ई सरकार चाल चलत बिया. ई देश खातिर घातक बा. सरकार के एह बर्ताव से ओकर असली चेहरा उजागर हो गइल बा. एह देश खातिर इनका लगे कवनो भविष्य नइखे. ई लोग संविधान के गला घोंटत बा.”

बाद में बात बिगड़त देख प्रणव मुखर्जी देर रात सफाई देत कहले कि उनुका बाति के तूड़ ताड़ के पेश कइल गइल. हम कबो ना कहनी कि अन्ना हजारे के अनशन उनुकर समस्या बावे. अन्ना हजारे के अनशन राष्ट्रीय मुद्दा बावे. टीम अन्ना से बातचीत जारी रही. साथ ही अन्ना के सेहत खातिर सरकार के चिंता बा.”

ओहिजे, केंद्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद कहले कि अन्ना हजारे पक्ष के प्रतिक्रिया देखके ऊ निराश बाड़े.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up