टटका खबर, 14 मार्च 2017, मंगल

by | Mar 15, 2017 | 0 comments

यूपी विधानसभा चुनाव का बाद नयका विधायकन के सूची राज्यपाल जी के दे दियाइल बा. मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी टी वेंकटेश आजु मंगल के राज्यपाल से भेंट क के ई सूची सँउपलन. एकरा साथही राज्य में लागू आचार संहिता खतम हो गइल बा. भाजपा विधायक दल के नेता के चुनाव ला वैंकेया नायडू आ भुपेन्द्र यादव के पर्यवेक्षक बनावल गइल बा.

कुकर्म के आरोपी यूपी के सपाई मंत्री गायत्री प्रजापति के लखनऊ से आ बिहार के एगो मंत्री रहल नेता के बेटी से कुकर्म करे वाला निखिल प्रियदर्शी के ऋषिकेश से गिरफ्लार क लीहल गइल बा. ई दूनू कई दिन से फरार रहले हँ. निखिल का साथे ओकर रिटायर्ड आईएएस बापो के गिरफ्तार क लीहल गइल बा. बाकि गायत्री प्रजापति के अबले बचावल आइल बाप के गिरफ्तार नइखे कइल गइल.

सिवान नगर थाना के नवलपुर बह्मस्थान का नियरा से पुलिस तीन गो बदमाशन के हथियार समेत गिरफ्तार क लिहलसि. ई कवनो बड़हन घटना करे के योजना बनावल रहलें. तीनो अपराधी उचकागांव इलाका के बाशिन्दा हउवें.

सोनभद्र के करमा इलाका में मिर्जापुर-राबर्ट्सगंज सड़क प केकराही गांव का नियरा एगो ट्रक से लागल धक्का का बाद मोटरसाइकिल से जात रमपथरा गांव के एगो आदमी का मौत हो गइल.

गोरखपुर के खोराबार इलाका में बैंक में जमा करे जात एगो पेट्रोल पंप के कर्मचारियन से बसडीला गांव का लगे 98 लाख रूपिया लूट के जीप सवार बदमाश भाग परइले. साथे चलत सुरक्षा गार्ड के बन्दूक आ दू गो मोबाइल् फोनो छीन ले गइले.

सोनभद्र के राबर्ट्सगंज कोतवाली इलाका में जमीन का झगड़ा में भइल मारपीट में चंदुली गाँव के एगो बूढ़िया आ ओकरा जवान पोता के मौत हो गइल.

मिर्जापुर के विन्ध्याचल इलाका के अरंगीसरपत्ती गांव के दू गो भाईयन का बीच मड़ई में सामान राखे के ले के बतकही मारपीट में बदल गइल आ छोटका भाई बेहोश हो गइल. ओकरा के अस्पताल ले गइल लोग जहाँ ओकरा के मरल घोषित क दीहलें डाक्टर.

मिर्जापुर जिला के मड़िहान इलाका के डगडगवा पुरवा गाँव के एगो मेहरारु अपना मरद से लड़ि के आग लगा लिहलसि. ओकरा के अस्पताल ले गइल लोग जहाँ खराब हाल देखत वाराणसी रेफर क दीहलें डाक्टर. जहाँ ओकर मौत हो गइल.

बलिया के नगरा इलाका के खारी गाँव के एगा नवही के बिजली के करेंट लगला सें मौत हो गइल.

बलिया के रेवती कस्बा के दी गो लइकन के मौत नदी में नहात घरी डूब गइला से हो गइल. ई लोग फगुआ खेल के रंग छोड़ावें घाघरा नदी में नहाए दतहा घाट आइल रहुवेय

सोनभद्र जिला के चोपन इलाका के तेलगुडवा गांव के एगो आदमी के लाश ओकरा घर का लगहीं के गाछ प टंगाइल मिलल. रात गाँवे के एगो आदमी से ओकर झगड़ा भइल रहुवे.

भोजपुर जिला के सिकरहट्टा इलाका के लवना गांव के एगो आदमी जमीन के झगड़ा में अपना मेहरारू आ जवान बेटा के गोली मार के खून क दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up