टटका खबर, 20 मार्च 2017, सोमार

by | Mar 20, 2017 | 0 comments


आजु देश भर में गौरैया बचाओ दिवस मनावल गइल. पर्यावरण आ जीवन चक्र खातिर जरुरी चिरई गोरैया के कम होखत ई हाल हो गइल बा कि कई जगहा एकर दर्शन ले दूभर हो गइल बा.

पूर्वी चंपारण के पकड़ीदयाल एसडीपीओ के निलंबन के मांग करत बिहार के विपक्ष आजु विधानसभा में जम के बवाल कइलसि आ एसडीपीओ प अपराधियन से साँठगाँठ राखे के अछरंग लगवलसि. बाकि सरकार का तरफ से प्रभारी गृहमंत्री एह मांग के खारिज क दिहलन.

सारण जिला के भेल्दी बाजार में पंजाब नेशनल बैंक के शाखा से असलहा देखा के आजु दिनदहाड़े पाँच लाख रुपिया लूट ले गइलें आधा दर्जन बदमाश. लूट का बाद सगरी लूटेरा मौटरसाइकिल से भाग गइलें.

एसटीएफ आजु रोहतास जिला के दरिगाँव इलाका में कैमूर पहाड़ी से एगो इनामी नक्सली के गिरफ्तार क लीहल गइल बा. ओकरा प एक दर्जन से अधिका मुकदमा चलत बाड़ीं स आ प्रशासन ओकरा गिरफ्तारी करावे वाला के पचास हजार रुपिया के इनाम देबे के एलान क के रखले रहुवे. .

केन्द्रीय कैबिनेट से आजु जीएसटी से जुड़ल चार गो विधेयकन के मंजूरी दे दीहल गइल. एह विधेयकन के संसद के लोकसभा में धन विधेयक का तरह पेश कइल जाई जेहसे राज्यसभा में बरियार विपक्ष एकर राह मत रोक पावसु.

अखिलेश सरकार का समय बहाल सगरी सलाहकारन, अध्यक्षन, आ उपाध्यक्षन के सेवा तत्काल प्रभाव से आजु खतम क दिहल गइल.

गाजीपुर जिला के नंदगंज इलाका के ढढ़नी के एगो नवजवान के मौत सड़क हादसा में हो गइल जब वाराणसी जात घरी धरवां गांव का नियरा एगो गाड़ी से टक्कर हो गइल.

बलिया के बांसडीह इलाका के मेधामठ के एगोआदमी के मौत आजु बिजली करंट लगला से हो गइल. उनुका साथे उनुकर मेहरारुओ के करंट लागल रहे बाकि ऊ बच गइल बाड़ी.

जौनपुर के जलालपुर इलाका में ट्रक का धक्का से मोटरसाइकिल से जात दू गो नवहियन के मौत हो गइल. ई लोग गाजीपुर जिला के खानपुर इलाका के तुलसीपुर गांव के रहे आ मोटरसाइकिले से वाराणसी से जौनपुर आवत रहुवे.

देवरिया जिला के देवरिया शहर के सिविल लाइन इलाका में भइल सड़क हादसा में एगो स्कूली छात्रा के मौत बस से कचरा के हो गइल. ऊ साइकिल से मैट्रिक के इम्तिहान देबे जात रहल.

वाराणसी के शिवपुर इलाका में गिलट बाजार पुलिस चौकी का लगे बाइपास रोड प एगा बूढ़ के लाश मिलल बा. ओकरा बगल में कीटनाशक के एगो शीशीओ मिलल बा. पुलिस के लागत बा कि ऊ जहर खा के जान दिहले बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up