भोजपुरी पट्टी के खबर (अतवार, 15 मार्च 2015)

by | Mar 15, 2015 | 0 comments

(शनिचर, 14 मार्च के खबर)

  • गाजीपुर जिला के शादियाबाद इलाका के करीमुल्लाहपुर गाँव में एगो औरत अपना तीन गो बेटन के फाँसी पर लटकवला का बाद अपनहूँ फाँसी पर लटक के जान दे दिहलसि. हालांकि ओकरा नइहर के लोग ओकरा मरद आ ससुर पर हत्या करे के आरोप लगावत मुकदमा लिखववले बाड़े.
  • बलिया जिला के सहतवार के बड़का दुधैला गाँव में शनिचर का दिने एगो बिआहल औरत के लाश कोठरी में पंखा से लटकत मिलल. रेवती के कंचनपुर गाँव से ओकरा नइहर के लोग चहुँप के पुलिस के खबर कइल आ केस लिखावल कि ओकर हत्या ससुराल वाले क दिहले बाड़े.
  • मऊ जिला के देवखरी मोड़ पर शनिचर का दिने मोटरसाइकिल से आइल दू गो बदमाश सपा नेता रवि मौर्य के गोली मार के मुआ दिहले. बाद में खिसियाइल लोग आजमगढ़ गाजीपुर रोड जाम क के आपन विरोध जतावल.
  • मऊ जिला के घोसी इलाका में शनिचर का भोरे मोटरसाइकिल से आइल तीन गो बदमाश डाइट प्राचार्य के ड्राइवर के बेला सुल्तानपुर हरपुलिया का नियरा गोली मार दिहले. संगे आइल शिक्षक भाग के आपन जान बचवले.
  • जौनपुर लाइन बाजार के कन्हईपुर रेलवे क्रासिंग पर शनिचर का दिने लोकल इंटेलिजेन्स यूनिट के एगो दरोगा के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल.
  • मिर्जापुर विंध्याचल के विंध्यवासिनी मंदिर के गर्भगृह के वातानुकूलित बना दिहल गइल बा जेहसे एहिजा माता के दर्शन करे आवे वाला श्रद्धालुअन के परेशानी मत होखे.
  • काशी टीसन पर मुफलिसी से परेशान एगो पेंटर मालगाड़ी का सोझा कूद के आपन जा दे दिहलसि. मछोदरी के रहे वाला ई पेंटर पहिलही से टीसन का प्लेटफार्म पर टहलत रहुवे आ जसहीं मालगाड़ी आइल ओकरा सोझा कूद गइल.
  • सारण जिला के गड़खा-मानपुर सड़क पर कुदरबाधा गांव का नियरा अलकतरा लागल चिप्स लदले एगो डंपर शनिचर का दिने मनोहर बसंत गाँव के एगो कालेजिया नवही के कचार के मुआ दिहलसि.
  • सारण जिला के खैरा इलाका के बगही गांव में शुक के सँझिया जहरीला शराब पियला का चलते खैरा के एगो नवही के मौत हो गइल. ऊ अपना बहिन किहाँ आइल रहुवे आ बगल के दुकान से खरीद के शराब पियते बेहोश हो के गिर गइल. बाद में इलाज का दौरान अस्पताल में ओकर मौत हो गइल.
  • फर्जी टिकट बनावे वाला गिरोह के सरगना सोनपुर रेल कोर्ट में सरेंडर कर दिहले बा. पिछला साल तीन आदमी के फर्जी टिकट संगे पकड़इला का बाद एह गिरोह के भंडाफोड़ भइल रहुवे. ई सब रेलवे काउंटरे से फर्जी टिकट बेचे के काम करत रहले सँ.
  • गोपालगंज के सदर बीडीओ पर सूचना आयोग एक आदमी के मांगल जानकारी तीन बरीस बादो ले ना दिहला का चलते 25 हजार रुपिया जुर्माना लगवले बावे.
  • सिवान जिला के बसंतपुर बाजार के पोस्ट आफिस का लगे शनिचर के सबेरे एगो ट्रक ड्राइवर के लाश मिलल जवन कवनो वाहन से कचराइल लागत रहुवे.
  • कर्नाटक से आइल पुलिस शुक का रात सिवान जिला के दरौंदा इलाका के फलपुरा गाँव से दू आदमी के गिरफ्तार क ले गइल. ई दुनू अपना साथी मजदूर के लाश बेंगलूर में छोड़ के गाँवे आ गइल रहलें आ एहिजा कह दिहलें कि ओकर दाह ओहिजे क दिहल गइल. जबकि पुलिस अबहीं ले ओकर लाश सम्हार के रखले बिया. अब एह लोग से पूछताछ क के पूरा मामिला जाने के कोशिश करी पुलिस.
  • भोजपुर जिला के बहोरनपुर बांध का नियरा से शुक का रात कुछ बदमाश असलहा देखा के एगो सराफा कारोबारी से चार लाख रुपिया के गहना आ नकदी लूट लिहलें.
  • रोहतास जिला के नासरीगंज में महावीर मंदिर आ जामा मस्जिद का लगे के पार्क के बनत चहारदीवारी अचानके शुक का रात भस गइल. दस लाख रुपिया लगा के ई दीवाल बनावल जात रहुवे.
  • विक्रमगंज एएस कालेज गेट का लगे एगो किताब दुकान आ एगो फोटोस्टेट सेंटर में लागल आग से लाखों रुपिया के किताब आ सामान जर के राख हो गइल.
  • गायक विकास राय के परिवार समेत खुदकुशी का मामिला में एगो बाचल भाईओ के शुक का दिने अस्पताल में मौत हो गइल. अब पूरा परिवार में केहू नइखे बाचल. विकास राय के सुसाइड नोट पुलिस के भेंटा गइल बा आ पुलिस ओकरा सहारे जाॅच करे में लागल बिया. एह मामिला में कुछ छह बेकत के परिवार खतम हो गइल.
  • काराकाट इलाका के जयश्री गांव में शुक का रात में दू गो भाई अपना तिसरका भाई के मार के मुआ दिहलें. ओकरा बेटीओ के पीट के घवाहिल क दिहले बाड़े सँ.
  • बक्सर जिला के राजपुर इलाका के जमौली गांव का नियरा शनिचर का दुपहरिया में चौसा-कोचस रोड पर एगो ट्रैक्टर एगो अधबूढ़ आदमी के कचार दिहलसि. घवाहिल आदमी के अस्पताल ले जाए का राहे में मौत हो गइल.
  • चंपारन के कुंडवा चैनपुर टीसन पर ट्रेन से गिरला का बाद बाजपट्टी, सीतामढ़ी के एगो आदमी के हाथ कट गइल. दोसर घटना में रामरूपनगर हाल्ट पर सीतामढ़ी के बोखटा के एगो आदमी के ट्रेन से कचरा के टाँग कटा गइल.

    Loading

    0 Comments

    Submit a Comment

    This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

    अँजोरिया के भामाशाह

    अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
    यूपीआई पहचान हवे -
    anjoria@uboi


    सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
    anjoria@outlook.com
    पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


    अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


    (1)
    अनुपलब्ध
    18 जून 2023
    गुमनाम भाई जी,
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


    (3)


    24 जून 2023
    दयाशंकर तिवारी जी,
    सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

    (4)

    18 जुलाई 2023
    फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


    (7)
    19 नवम्बर 2023
    पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


    (11)

    24 अप्रैल 2024
    सौरभ पाण्डेय जी
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


    पूरा सूची


    एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


    संस्तुति

    हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
    शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
    शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
    हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

    Categories

    चुटपुटिहा

    सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


    अउरी पढ़ीं
    Scroll Up