भोजपुरी पट्टी के खबर (मंगल, 17 मार्च 2015)

by | Mar 17, 2015 | 0 comments

(सोमार, 16 मार्च के खबर)

  • इलाहाबाद जिला न्यायालय में दरोगा से अझुरइला का चलते भइल वकील के हत्या का खिलाफ देश भर के वकील विरोध दिवस मनवले सोमार का दिने आ बिहार यूपी के अदालतन में कतहीं कवनो काम ना हो पावल. एह लोग के शिकायत बा कि गोली मारे वाला दरोगा के हीरो काहे बनावल जात बा. आ माँग करत बा लोग कि मराइल वकील के परिवार के आधा करोड़ रुपिया हरजाना में दिहल जाव.
  • भोजपुरी गायक विकास के परिवार समेत जान देबे का मामिला में पुलिस के कुछ सुराग हाथे लागल बा. विकास के बाप रक्सौल में टाटा सूमो आ बोलेरो चलवावत रहलन आ रसूखदार हो गइल रहले. बाकिर कवनो बात खातिर रक्सौल के एगो आदमी उनका परिवार के बन्हक बना के एक दिन ले रखले रहुवे जवना का बाद संतोषे तय कइले रहुवन परिवार समेत जान दे देबे के. अब पुलिस एह मामिला में कुछ लोग के आत्महत्या खातिर उकसवला का आरोप में मुकदमा दर्ज करे वाली बा.
  • गोरखपुर में राज्यपाल के आवे से पहिले एयरपोर्ट से इंजीनियरिंग कालेज, सर्किट हाउस, मेडिकल कालेज समेत विश्वविद्यालय इलाका के सड़कन के दुरुस्त करावल गइल बा. मोहद्दीपुर से मेडिकल कालेज ले सड़क का किनारा के कब्जवले दुकान गुमटियन के हटा दिहल गइल बा. एह कार्यक्रम का चलते मंगल का दिने शहर के ट्राफिको बदलल रही आ बाहर से आवे वाला गाड़ियन के रूट बदल दिहल गइल बा.
  • गाजीपुर के सकलेनाबाद में सोमार का सबेर में बैंक का सोझा एगो शराबफर्म के कर्मचारी के गोली मार के ओकरा लगे से 28 लाख रुपिया लूट लिहल गइल. अस्पताल ले जाए का राह में ओह कर्मचारी के मौत हो गइल.
  • सुप्रीम कोर्ट के निर्देश का चलते बलिया के रसड़ा में होखे वाला उपचुनाव के टार दिहलसि चुनाव आयोग.
  • बलिया के मनियर के एगो नवही के मौत बलिया छपरा रेलखंड पर माधोपुर क्रासिंग का लगे ट्रेन से कटा के हो गइल. कुछ लोग के कहना बा कि ऊ ट्रेन आवत देख ओकरा सोझा कूदल रहे.
  • देवरिया के कई इलाकन में ठनका गिरला से तीन लोग के घवाहिल होखे के खबर बा. एगो नवही के हालत नाजुक देखत ओकरा के गोरखपुर मेडिकल कालेज भेजल गइल बा.
  • देवरिया के गढ़रामपुर के एगो आदमी के मौत सड़क हादसा में सोन्हुला रामनगर के नियरा हो गइल.
  • गाजीपुर सिटी से वाराणसी सिटी टीसन का बीच चले वाली डीएमयू ट्रेन के सोमार का दिन से शुरुआत हो गइल. पहिला दिने महज डेढ़ सौ लोग टिकट कटावल एह ट्रेन खातिर.
  • गाजीपुर के सुहवल इलाका के इजरी गांव में सोमार का दिने करेंट लगला से पचपन बरीस के एगो आदमी के मौत हो गइल. दुपहरिया में बरखा से बचावे खातिर अपना मवेशियन के टीन शेड में करत घरी ओहिजा लटकल तार से सट गइल रहले.
  • बलिया में ठनका गिरला से दू जने के झँउसे के खबर बा. एगो घटना मँझौवा में भइल आ दुसरका फेफना में.
  • मंगल का दिने गोरखपुर के इस्लामिया कालेज के प्रबंधक राशिद कमला सामानी के घरे होखे वाला शादी समारोह में शामिल होखे दिल्ली जामा मस्जिद के शाही इमाम अहमद बुखारी आवे वाला बाड़न.
  • गोरखनाथ ओवरब्रिज का नीचे सोमार का दिने एगो नवही मोटर साइकिल से आइल आ बाइक खड़ा क के टहले लागल. कुछ देर बाद जब एगो ट्रेन आइल त ओकरा सोझा कूद के जान दे दिहलसि.
  • दू दिन पहिले चौरीचौरा इलाका में भइल एगो बूढ़ के हत्या का मामिला में ओकरा दू गो बेटन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. दुनू बतवले सँ कि बुढ़ऊ परिवार के सगरी जमीन बेदे के सौदा कर लिहले रहले आ जमीन बेचइला का बाद ऊ लोग सड़क पर आ जाईत. एही चलते उनका गरदन में रसरी कस के मुआ दिहले सँ.
  • जौनपुर में सोमार का दिने कई जगहा ठनका गिरला से एगो नवही आ एगो गाय के मौत हो गइल.
  • वाराणसी में काशी के परंपरा निबाहत 17 मार्च मंगल का दिने बुढ़वा मंगल मनावल जाई. एह ला अस्सी घाट का सोझा गंगधार पर 14 गो बजड़ा सजावल जाई.
  • बक्सर के सोवां गाँव में सोमार का दिने ठनका गिरला से स्कूल का लगे लागल ट्रांसफार्मर जर गइल. संजोग से ओह बेरा ओकरा अगल बगल केहू रहुवे ना एहसे केहू घवाहिल नइखे भइल.
  • सुगौली-मझौलिया मेन रोड पर राजघाट पुल का नीचे सोमार का दिने एगो नवही के लाश मिलल जवना के गरदन पर रसरी के निशान बनल बा. लागत बा कि ओकर गला दबा के मुअवला का बाद पुल से नीचे फेंक दिहल गइल.
  • भोजपुर जिला के बड़हरा इलाका के मनीछपरा गांव में अतवार देर रात एगो विधवा के लाश गाँव के बधार में मिलल. लागत बा कि ओकर गरदन दबा के जान ले लिहल गइल बा. हत्या के कारण अबहीं पता नइखे चलल.
  • आरा के चरपोखरी इलाका के मानसागर गांव में अपना औरत के जहर खिया के मुआवे का आरोप में पुलिस ओह आदमी के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • मोतिहारी के छतौनी चौक पर सोमार का सबेरे एगो सेंट्रो कार पांच जने के कचार दिहलसि. बाद में ड्राइवर कार छोड़ के भाग निकलल. दू गो घवाहिलन के हालत बहुते नाजुक बा. पुलिस कार जब्त क के ओकरा मालिक आ ड्राइवर का बारे में पता लगावत बिया.
  • गोपालगंज के बरौली इलाका के सोननरसा गाँव का लगे अतवार का दिने एगो मोटरसाइकिल सवार डाइवर्सन से टकरा के उलट गइल. एगो सवार के ओहिजे मौत हो गइल जब कि दुसरका घवाहिल हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up