भोजपुरी पट्टी के खबर (शनिचर, 4 अप्रैल 2015)

by | Apr 4, 2015 | 0 comments

(शुक, 3 अप्रैल के खबर)

  • फैबइण्डिया कंपनी के गोवा के पणजी के पास कैंडोलिम में शो रूम में कपड़ा खरीदे चहुँपल केन्द्रीय मंत्री ट्रायल रुम में कपड़ा नापे गइली त देखली कि एगो कैमरा लुका के लगावल गइल बा. तुरते पुलिस में शिकायत करावल गइल आ पुलिस चहुँप के कैमरा के रिकार्डिंग जब्त करत दुकान के सील क दिहलसि. चार गो कर्मचारियन के हिरासत में ले के जाँच कइल जा रहल बा. आए दिन एह तरह के शिकायत कवनो ना कवनो शोरूम का बारे में आवत रहेला आ लोग के एह बारे में सावधान रहे के चाहीं. कपड़ा बदले से पहिले देख लिहल करीं कि दुकान में कवनो कैमरा त नइखे लागल.
  • बेंगलुरू में भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के संबोधित करत पार्टी अध्यक्ष अमित शाह कहलन कि भाजपा अबहीं दस बीस साल ले केन्द्र के सत्ता में बनल रहे वाली बा काहे कि सरकार सही दिसाईं काम करत बिया.
  • युद्ध में फँसल यमन से 664 गो अउरी भारतियन के सही सलामत निकाल ले आवल गइल बा. अबले एक हजार से अधिका लोग के सुरक्षित निकाले में सफलता मिलल बा.
  • बेंगलुरु में भाजपा के एगो रैली के संबोधित करत पीएम नरेंद्र मोदी अपना दस महीना के काम के हिसाब देत कहलन कि अइसन कवनो कारण नइखे जवना से देश बढ़न्ती का राह पर पीछे छूट जाव. कहलन कि उनकर सरकार साबित कर देखवलसि कि अगर नीयत साफ होखो त नतीजो सही आवेला. जमीन अधिग्रहण का मामला पर मोदी कहलन कि उनकर सरकार चाहत बिया कि किसान के जिनिगी आ हालात सुधरो आ एकरा खातिर ऊ हर कुछ करे ला तइयार बाड़न. कहलन कि कुछ राजनीतिक गोल अपना फायदा खातिर किसानन के भरमावे में लागल बाड़े
  • तीस साल बाद दुनिया में सबले अधिका मुसलमान हिन्दुस्तान में होखीहें. मुसलमानन के सबले बड़का देश बन जाई हिन्दुस्तान आ इंडोनेशिया पीछे छूट जाई. अमेरिका के एगो शोध संस्थान के कहना बा कि ओह घरी ले हिन्दू लोगो के आबादी में बढ़ोतरी होखी आ दुनिया के तिसरका आबादी बन जाई हिन्दूवन के. सबले अधिका मुसलमान होखीहें, दुसरका पर ईसाई आ तिसरका पर हिन्दू.
  • देश के विदेशी मुद्रा भंडार लगातार दुसरको हफ्ता बढ़त गइल आ 27 मार्च के खतम भइल हफ्ता में ई 341.38 अरब डॉलर के नया रिकॉर्ड बना दिहलसि. 20 मार्च के खतम भइल हफ्ता में विदेशी मुद्रा के भंडार 339.99 अरब डॉलर रहुवे.
  • हॉकी के महाकुंभ 5 अप्रेल से शुरू होखे जा रहल बा. सुल्तान अजलान शाह कप 5 अप्रैल से शुरु होखी आ एकरा ला भारत के पुरुष हॉकी टीम पूरा से तइयार बा विश्व चैम्पियन ऑस्ट्रेलिया से लोहा लेबे खातिर.
  • पंजाब के साइकिल इंडस्‍ट्री अब बिहार, झारखंड, पश्चिम बंगाल, छत्तीसगढ़, ओडिशा वगैरह पूरबी राज्यन के रुख कइले बिया. बिहार के हाजीपुर में साइकिल निर्माता कंपनी एवन के साइकिल मैन्युफैक्चरिंग यूनिट 12 अप्रैल से शुरू होखे जा रहल बा. हीरो साइकिल्स पिछला साल बिहटा में आपन प्‍लांट पहिलहीं लगा चुकल बावे.
  • भारत संचार निगम देहाती इलाका के लैंडलाइन शुल्क 30 रुपिया महीना बढ़ा के 120 रुपिया क दिहले बावे आ फ्री कालो अब अपने नेटवर्क पर दिहल करी. एह बात के जानकारी ग्राहकन के नइखे दिहल गइल आ जब अगिला महीना के बिल चहुँपी तब ओह लोग के एकरा जानकारी होखी.
  • ससुरारी में नवरसा में जा के बसल एगो आदमी के आ ओकरा पत्नी के लाश रोहतास जिला के बुधुआ गाँव के इनार से निकालल गइल. मरे वालन के बेटा के कहना बा कि ओकरा नाना के पटीदार लोग संपति हड़पे खातिर ओकरा बाप महतारी के जान ले लिहले बा. हत्या करीब बीस दिन पहिले कइल गइल जबसे ऊ लोग लापता रहुवे.
  • सिवान जिला के भगवानपुर हाट थाना के नगवां गांव में 22 साल के एगो नवही के ओकरा घर से बोला के गोली मार के मुआ दिहल गइल. बतावल जात बा कि मजदूरी क के घर चलावे वाला संजीव भोजपुरी के गीतो रचत रहुवे आ गोली मारे वाला गीत मांग के ले जाव आ बेच देत रहुवे. एह बात के जानकारी मिलला का बाद ऊ गीत दिहल बंद क दिहलसि आ लागत बा कि एही चलते ओकरा के गोली मार दिहल गइल.
  • चंदौली जिला के भभुआ नगर के जमीन के झगड़ा का चलते 50 बरीस के एगो आदमी के टांगी से काट के मुआ दिहल गइल. खेत से फसल काट के घरे आवत घरी मरद मेहरारू के घेर के हमला क दिहले कुछ लोग. मेहरारू का बयान पर तीन जने के गिरफ्तार क लिहल गइल बा आ बाकी के खोजत बिया पुलिस.
  • गोरखपुर थावे रेलखंड पर पिछला दिने गरमी का सीजन में गुवाहाटी से गोरखपुर ले हफ्ता में एक दिन चले वाली गाड़ी के एलान का बाद अब एगो अउर गाड़ी के एलान भइल बा. 30 अप्रैल से कटिहार से फिरोजपुर कैंट ले एगो समर स्पेशल गाड़ी एह रुट से चलावल जाई.
  • नौ बरीस बाद एह साल फेरू चंदौली महोत्सव के शुरुआत भइल बा. शुक का दिने चंदौली के जिलाधिकारी एकर उद्घाटन कइलन. शुरुआत क्रास कंट्री रेस करा के भइल जवना में करीब सवा तीन सौ खिलाड़ी शामिल भइले. समारोह में सांस्कृतिको कार्यक्रम करावल जाता.
  • बलिया बक्सर हाईवे पर शुक के साँझ एगो कमांडर जीप मोटर साईकिल से जात दू गो नवहियन के कचरला का बाद सड़क का किनारे फेड़ से जा टकराइल आ जीप पर सवार पाँच जने के मौत ओहिजे हो गइल. ई लोग नवका बाबा स्थान जात रहुवे.
  • शुक का दिने छपरा जीआरपी में हरियाणा के एगो सैनिक जवान के भाई मुकदमा लिखवलन कि घर से गुवाहाटी जात ओकर भाई आखिरी बेर छपरा जंक्शन से फोन कइले रहुवे आ ओकरा बाद से ओकर पता नइखे. घटना पिछला पखवारा के ह.
  • बक्सर के सिकरौल थाना के गोपपुर गाँव में जमीन के झगड़ा का चलते एगो आदमी के लाठी से पीटपीट के मुआ दिहल गइल आ ओकरा बेटा आ मेहरारू के घवाहिल क दिहल गइल. पुलिस एह मामला में चार जने के गिरफ्तार क लिहले बिया.
  • छपरा जिला के कोपा इलाका के कोपा गांव में बनैला सूअर के हमला से एक आदमी के मौत हो गइल. 55 बरीस के एह आदमी के मार के सूअर ओकर खून पीयत रहुवे जब लोग देखल. देखे वाला लोग चहेटे चहलसि त ओहू लोग पर हमला क दिहलसि. बाद में बिंद टोलिया ओरी एह सूअर के घेर के मार दिहल लोग.
  • सिवान जिला के महाराजगंज इलाका के जिगरहवा स्कूल के हेडमास्टर के साईकिल से गिरा के मोटरसाईकिल से आइल दू गो बदमाश उनकर झोरा छीन ले गइले सँ. झोरा में बैंक से निकालल एक लाख रुपिया रहुवे आ बदमाश बैँके से उनुका पाछा लागल रहलन स.
  • बक्सर मुगलसराय का बीच कर्मनाशा पुल का लगे शुक का दिने ट्रेन से कटा के बलिया के एगो आदमी के मौत हो गइल.
  • छपरा जिला के टेकनिवास का लगे छपरा सिवान मेनरोड पर टेम्पो पलटला से देवरिया गाँव के एगो आदमी के मौत हो गइल जे टेकनिवास बाजार से सामान खरीद के गाँवे जात रहुवे.
  • पश्चिमी चंपारण के साठी इलाका के कटहरी गाँव में नवीं क्लास में पढ़े वाला एगो लड़िका देह पर किरासन तेल डाल के आग लगा के मर गइल. बतावल जात बा कि गरीब महतारी का लगे किताब खरीदे के रुपिया ना रहुवे आ एही सेे नाराज ई लड़िका महतारी के कोठरी में बंद क के आपन जान दे दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up