भोजपुरी पट्टी के खबर (शनिचर, 14 मार्च 2015)

by | Mar 14, 2015 | 0 comments

(शुक, 13 मार्च के खबर)

  • बुध का रात बक्सर में भइल सड़क हादसा का बाद भइल बवाल खातिर चार गो मुकदमा दर्ज कइले बिया पुलिस आ डेढ़ हजार लोग का खिलाफ एफआईआर लिखले बिया. एहमें 45 लोग के नामजद आरोपी बनावल गइल बा.
  • रोहतास जिला के काराकाट इलाका के धवनी गांव में बियफे का रात बिजली के शार्ट सर्किट से एगो घर में लागल आग बाद में तीन गो घर ले पसर गइल आ तीनो घर के सामान राख हो गइल. तीन गो बचवन समेत चार लोग एह आग में झँउसियो गइल जिनकर इलाज निजी क्लिनिक में करावल जात बा.
  • रोहतास के डालमियानगर में रेलवे वैगन मरम्मत के कारखाना लगावे खातिर 90 करोड़ रुपिया के मंजूरी रेल मंत्रालय दे दिहले बावे.
  • आरा में लगातार दुसरको दिने भइल वाहन चेकिंग का दौरान पचास गो दुपहिया वाहन जब्त कइलसि पुलिस.
  • भभुआ के वार्ड 25 में रहे वाला सरोज यादव के कुछ बदमाश बियफे रात में गोली मार के हत्या क दिहले. ई सुनला का बाद सरोज के चाचा आ भभुआ के विधायक रहल सपा के प्रदेश अध्यक्ष रामचंद्र यादव दिल्ली से चहुँपले. तबले लोग सड़क जाम कइले रहल. बाद में पुलिस से कार्रवाई के भरोसा मिलला का बाद जाम हटावल लोग.
  • सारण जिला के मशरक तरैया मेन रोड पर रेलवे ढाला का लगे एगो बोलेरो पलट गइल. एह हादसा में एगो सवार के मौत ओहिजे हो गइल आ करीब आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. ई लोग तरैया इलाका के छपिया नयका टोला बारात में आइल रहुवे आ सिवान जिला के बसंतपुर इलाका के लकड़ीनबीगंज गांव लवटत रहुवे.
  • गोपालगंज के काकड़कुंड गांव का लगे एगो ट्रैक्टर से कचरा के एगो साइकिल सवार दस बरीस के लड़िका के मौत हो गइल. ऊ जादोपुर थाना के ओलीपुर गांव के रहुवे आ चिउड़ा खरीदे खातिर गोपालगंज आइल रहुवे.
  • छपरा मड़ुआडीह का बीच चले वाली डीएमएयू अब बलिया से वाराणसी सिटी ले चलल करी. 16 तारीख सोमार से एकर चलल शुरु होखे के बात सुन के इलाका के लोग खुश बा.
  • गाजीपुर के रेवतीपुर में एगो रोलर चलावे वाला फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. ओकरा पाकिट से मिलल सुसाइड नोट में लिखल बा कि बेटी के बिआह ला बैंक से कर्जा ना मिलला का चलते ऊ जान देत बा.
  • मऊ जिला के घोसी-नदवासराय सड़क पर सरहरा गांव में शुक का सबेर में एगो ट्रक एगो ओरत के कचारत भाग गइल. ओह औरत के मौत ओहिजे हो गइल.
  • गोरखपुर के शाहपुर थाना क्षेत्र से अपना रिश्तेदार का घर से गायब भइल लड़िकी के लाश शुक का दिने तारामंडल इलाका के सर्किट हाउस का नियरा झाड़ी में फेंकल मिलल बा.
  • चौरीचौरा इलाका के लक्ष्मणपुर के इमिलिहवा टोला में बियफे का रात एगो बूढ़ के गरदन दबा के मुआ दिहल गइल. ओकरा पतोह का शिकायत पर ओकरा दू गो बेटन का खिलाफ मुकदमा दर्ज कइल गइल बा.
  • एक पख पहिले सिवान जिला के दारौंदा थाना के पाण्डेयपुर गाँव से उठावल गइल श्रीकान्त के अपहरण करे वाला मोबाइल पर फोन क के ओकरा घर वालन से 25 लाख के फिरौती मंगले बाड़े आ ना दिहला प अंजाम भुगते के चेतवले बाड़े.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up