भोजपुरी पट्टी के खबर (सोमार, 16 मार्च 2015)

by | Mar 16, 2015 | 0 comments

(अतवार, 15 मार्च के खबर)

  • सोमार से वाराणसी सिटी से गाजीपुर सिटी का बीच एगो नया डीएमयू चलावल जाई जवन नौ बजे सिटी से खुल के साढ़े एगारह बजे गाजीपुर चहुँपी आ ओहिजा से वापसी में तीन बजे गाजीपुर से खुली साँझ सवा पाँच बजे सिटी टीसन चहुँपी. सोमारे से छपरा मंड़ुआडीह डीएमयू के बंद क के ओकरा बदले बलिया से वाराणसी सिटी ले चलावल जाई. ई ट्रेन सबेरे पौने पाँच बजे बलिया से खुली आ आठ दस पर वाराणसी सिटी चहुँपी. वापसी में साँझ साढ़े पाँच बजे सिटी से खुली आ औड़िहार, गाजीपुर, युसूफपुर होखत रात नौ दस पर बलिया चहुँपल करी.
  • छपरा मंड़ुआडीह डीएमयू के बंद भइला से बकुल्हा से लगवले बाँसडीह के लोग नाराज बा काहे कि ओह लोग के अब एकर सुविधा ना मिल पाई. सबेरे एह ट्रेन से वाराणसी जाए के सुविधा रहुवे जवना के बंद क दिहल गइल.
  • अतवार का दिने छपरा जेल का भीतर चइता के दुगोला आयोजन करावल रहुवे. एही बीच केहू शिकायत क दिहल कि जेल का भीतर रंडी नचावल जात बा जवना का बाद प्रशासन छापा मरलसि आ चइता गावे चहुँपल दुनू गोल के लोग के ध के थाना ले आइल. जेल अधीक्षक के कहना बा कि एह आयोजन खातिर जिलाधिकारी से मौखिक अनुमति ले लिहल रहे बाकिर प्रशासन रंडी नचावे के बात करत छापा मार दिहलसि. धराइल गोल में सगरी मरदे बाड़े आ लौंडा नाच होत रहुवे.
  • डुँमराव राज परिवार विधानसभा चुनाव में ताकत आजमावे के फैसला क लेबे के साफ संकेत देत बा. एह परिवार से महाराजा कमल बहादुर सिंह आजादी का बाद बक्सर से पहिलका सांसद रहलन. अब उनकर पोता शिवांग विजय सिंह विधानसभा चुनाव में उतरे के तइयारी करत बाड़न आ एहला आम जनता का बीच गइल शुरु क दिहले बाड़न.
  • गोपालगंज के जादोपुर इलाका के निरंजना गांव में अतवार का सबेरे जमीन का झगड़ा में एक आदमी के पिटाई से मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइल बाड़े.
  • सिवान के एमएच नगर इलाका के नदियाव गाँव से पिछला 4 मार्च के एगो लड़िकी के अपहरण क लिहल गइल रहुवे. लड़िकी के बाप गाँवे के एगो लड़िका पर नामजद शिकायत लिखववले रहुवन. पुलिस ओह लड़िकी के मैरवा टीसन से शनिचर देर रात बरामद कर लिहलसि बाकिर ओकर प्रेमी भाग निकलल.
  • सिसवन-सिवान रोड पर जलालपुर गाँव का लगे बनत पुल के डायवर्सन का नियरा शनिचर रात एगो कमांडर जीप पलट गइल जवना से ओकरा ड्राइवर के मौत ठाँवे प हो गइल. ड्राइवर हुसैनगंज थाना के हथौड़ा गाँव के रहुवे.
  • भोजपुर जिला के नथमलपुर बिंद टोली में आग लगला से नाहियो त तीन दर्जन मंड़ई-पलानी में आग लाग गइल आ एह परिवारन का सोझा रहे खाए के संकट आ गइल. आग खाना बनावत में एगो घर में लागल आ देखते देखत पसर गइल.
  • बेतिया जोगापट्टी के नवगावां चौक पर पेट्रोल पंप का सोझा एगो कपड़ा के दुकान में शनिचर देर रात आग लाग गइल आ लाखो रुपिया के कपड़ा आ नगदी जर गइल. दुकानदार के कहना बा कि कुछ लोग पेट्रोल डाल के ओकरा दुकान में आग लगा दिहल.
  • बेतिया के साठी इलाका के सिंहपुर गांव के एगो मजदूर के मौत सतवरिया गाँव में बनत मकान के छत पर से गिर के हो गइल. गिरला का बाद बेहोश भइल मजदूर के अस्पताल ले गइल गइल त ओहिजा डाक्टर ओकरा के मृत बता दिहले.
  • पश्चिमी चंपारण के रामनगर रैली बाजार रेल ओवरब्रिज का लगे अतवार का दिने एगो ट्रैक्टर के पलटला से दबाइल एगो नवही के अस्पताल ले जाए का राहे में मौत हो गइल.
  • डेहरी आन सोन में धराइल पत्थर चिप्स लदाइल वाहनन के छोड़ देबे के शिकायत मिलला का बाद अतवार का दिने नगर थानाध्यक्ष के निलंबत क दिहलन डीआइजी.
  • अतवार का दिने बक्सर में फेरू एगो सड़क हादसा हो गइल. चौसा रोड पर आईटीआई मैदान का लगे एगो ट्रक मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि आ ओकरा के चलावत नवही ट्रक से कचरा के मर गइल. ड्राइवर ट्रक लेके भाग निकलल.
  • दुर्गावती इलाका के दहियाव गांव का लगे अतवार के साँझ एगो पिकअप का धक्का से पाँच बरीस के एगो लड़िकी के मौत हो गइल.
  • गोरखपुर आ देवरिया में डेढ़ दर्जन से अधिका घरन के ताला तूड़ के चोरी करे वाला के देवरिया गौरीबाजार के पुलिस पकड़े में कामयाब हो गइल. ओकरा लगे से कुछ गहनो बरामद भइल बा.
  • बेटी के शादी का तइयारी में मुंबई से कुछ दिन पहिलहीं आइल देवरिया के समोगर गाँव के एगो आदमी के मौत बोलेरो से कचरा के हो गइल.
  • गाजीपुर के फतेहपुर बहेरी गाँव के एगो मजदूर कर्जा का बोझ से आजिज आ के शनिचर का भोर में फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. कर्जा वसूली के तगादा करे आइल लोग ओकर लाश देख के पुलिस के सूचना दिहल.
  • गोरखपुर क्राइम ब्रांच के टीम बेलीपार के डंवरपार में अतवार का दिने छापा मार के एगो दुकानदार के एक्टीवेट सिम कार्ड बेचे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • जौनपुर के सुईथाकला के एगो आदमी शाहपुर कोल्ड स्टोरेज में आलू जमा करवा के लवटत घरी शनिचर के देर रात जहीरुद्दीन गाँव का लगे ट्रैक्टर के पलटला से दबा के मर गइल.
  • वाराणसी के महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ के संस्कृत विभाग में शोध सहायक पद पर तैनात एगो नवही शनिचर देर रात मंडुआडीह रेलवे क्रासिंग पर ट्रेन का चपेटा में अइला से कटा के मर गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up