सोमार का दिने सिवान के सांसद रहल राजद के शहाबुद्दीन के अदालत में पेश कइल गइल त पूरा कोर्टकंपाउंड उनुका समर्थकन से खचाखच भरल रहे. ऊ लोग शहाबुद्दीन आ लालू राबड़ी के जयकार लगावत रहल. कहत रहे लोग कि जल्दिए शहाबुद्दीन बाइज्जत बरी हो जइहें. समर्थकन के आरोप रहे कि नीतीश सरकार एक ओर त मुसलमान वोट बटोरे का कोशिश में लागल बिया आ दोसरा ओर मुसलमानन के प्रिय नेता के दस साल से कवनो ना कवनो बहाना से जेल में रखले बिया.
0 Comments