छपरा न्यूज (अतवार, 13 सितंबर 2015)

by | Sep 13, 2015 | 0 comments

  • JeetanManjhiजीतन राम माँझी के पेंच फँसवला का चलते शनिचर का दिने राजग के सीट बँटवारा के एलान ना हो सकल. माँझी के जिद्द बा कि उनुका रामविलास पासवान के लोजपा का बराबरे सीट दीहल जाव काहे कि उनुका साथे तेरह गो विधायक बाड़ें जबकि लोजपा में एको ना. एह पेंच के सझुरावे में राजग के लोग लागल बा आ आजु अतवार के देर साँझ ले एकर काट निकालल जा सकेला.
  • विधानसभा चुनाव में खुलेआम मुस्लिम राजनीति करे खातिर जानल जाए वाली आल इंडिया मजलिस-ए-इत्तेहादुल मुस्लिमीन बिहार के सीमांचल के किशनगंज, अररिया, कटिहार आ पूर्णिया में चुनाव लड़े के एलान कर दिहले बिया. एह से घबराइल महागठबन्हन का तरफ से ओवैसी पर भाजपा से साँठ गाँठ राखे के आरोप लगावल जात बा.
  • बिहार भर में चुनाव आचार संहिता लाँघेवालन पर मुकदमा दर्ज होखे के सिलसिला चालू हो गइल बा. शनिचर का दिने पटना पुलिस पीरपैंती के विधायक के स्कॉर्पियो जब्त क लिहलसि जब ओहमें पाँच लाख रुपिया नगदी मिलल.
  • पी.एम.सी.एच. में डेंगू से पीड़ित सिवान के एगो नवही के मौत हो गइल बा. पचास लोग के खून के जाँच भइल जवना में से 18 जने में डेंगू के लक्षण मिलल. एहमें से 8 गो पटना के आ बाकी लोग बक्सर, मुंगेर, पूर्णिया, भोजपुर, पश्चिम चंपारण, बेगुसराय, औरंगाबाद आ गोपालगंज के बावे. ओने गया में जापानी इंसेेफ्लाइटिस से दू जने के मौत हो गइल.
  • काल्हु जवन तय भइल रहे ओह में भाजपा के 160-164 सीट, लोजपा के 39-41, रालोसपा के 25 गो आ हिअमो के 15 गो सीट देबे के बात करीब करीब तय भइल रहुवे. अब हो सकेला कि लोजपा आ रालोसपा के दू दू गो सीट कम क के हिअमो के दे दीहल जाव आ माँझी के कुछ लोग के भाजपा के टिकट पर लड़ावल जाव.
  • छपरा नगर परिषद इलाका में बिना अनुमति लिहले मकान बनावे वाला करीब एक सौ से बेसी लोग पर नोटिस जारी भइल बा. एह लोग के सात दिन भितरे बतावे के बा कि बिना नक्शा पास करवले मकान काहे बनवले.
  • 19 तारीख के पश्चिम चंपारण से चुनाव प्रचार के शंखनाद करे अइहें कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी बाकिर उनुका संगे मंच पर चारा घोटाला में सजा पा चुकल लालू यादव ना रहीहें बाकिर नीतीश कुमार हाजिर रहीहें.
  • लहलादपुर के मशहूर महावीरी मेला शनिचर का दिने जनता बाजार में हँसी खुशी का बीच पूरा हो गइल. मेला में लागल आर्केस्ट्रा में नवहियन के भीड़ देखे जोग रहुवे. एह दौरान सुरक्षा व्यवस्था बनवले राखे खातिर छह गो थाना के पुलिस के लगावल गइल रहे. आजु महावीरी झंडा निकले वाला बा. ई झंडा हर साल भादो के अमावस का दिने निकलेला.
  • दिल्ली पुलिस सोनपुर में छापेमारी क के रेलवे में नौकरी दिआवे का नाम पर ठगी करे वाला एगो बड़का गिरोह के पर्दाफाश कइलसि. एह गिरोह के एगो मेंबर के सोनपुर के राहर दियारा से गिरफ्तार क के ले गइल हालांकि गिरोह के मास्टर माइंड भाग निकले में सफल रहल. ई गिरोह बाकायदा जाली बहाली पत्र दे के कहीं गेट मैन, कहीं ट्रैक मैन त कही गैंग मैन बना के बहाल करा देत रहुवे. शुरु में तीन चार महीना बाकायदा तनखाहो मिलत रहुवे बाकिर ओकरा बाद छह महीना के छुट्टी पर भेज दीहल जात रहुवे. एकर खुलासा तब भइल जब उत्तराखंड अल्मोड़ा के एगो नवही दिल्ली के थाना में प्राथमिकी दर्ज करवलसि.
  • सिवान के सेवानिवृत वीएलडब्ल्यू के घर के जंगला तूड़ के घुसल डकैत शुक का रात बूढ़ा आ बुढ़िया के बान्ह दिहलें आ एक एक सामान के तलाशी ले के 6 लाख के गहना कपड़ा आ करीब 6 हजार नगदी उठा ले गइले. एह लोग के बेटा बेटी पटना में रह के पढ़ाई करेलें.
  • छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के सिडिंकेट के बईठक 15 सितंबर के बोलावल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up