छपरा न्यूज (शनिचर, 12 सितंबर 2015)

by | Sep 12, 2015 | 0 comments

  • चुनाव नजर में राख के हाल ही में नीतीश सरकार बहुते अधिकारियन के एने से ओने कइले रहुवे बाकिर चुनाव के एलान होखला का बाद आयोग के हनक हावी हो गइल बा. काल्हु चुनाव आयोग का आदेश का बाद बिहार सरकार के गृह सचिव आ सामान्य प्रशासन सचिव आमिर सुबहानी के हटा दीहल गइल बा. कुछ अउरी अफसरान के फेरू ओह लोग के पुरनके जगहा भेज दीहल गइल बा. आयोग इहो कहले बा कि जिनका के हटावल गइल बा ओह लोग के चुनाव के कवनो काम मत दीहल जाव.
  • बिहार बोर्ड के मैट्रिक आ इंटर के परीक्षा खातिर पंजीयन के काम 25 सितंबर से शुरु होके 15 अक्टूबर ले चलावल जाई. बोर्ड के मनसा बा कि दुर्गा पूजा से पहिलही पंजीयन के काम पूरा करा लीहल जाव. नवंबर में फार्म भरावल जाई आ अगिला साल फरवरी मार्च में इम्तिहान ले लीहल जाई.
  • राजग में सीट बँटवारा के फैसला करीब करीब तय हो गइल बा आ आजु साँझ ले एकर एलान हो जाए के उमेद बा. भाजपा अब 160 सीट से कम पर लड़ी आ 83 से अधिका सीट अपना सहयोगी गोलन के दे दी. बस कुछ सीट ले के पेंच फँसल बा. जइसे कि जीतन राम माँझी नइखन चाहत कि उनुका कवनो समर्थक मौजूदा विधायक के सीट बदलल जाव.
  • जदयू राजग कांग्रेस गठबन्हन में सीटन के बँटवारा त तय हो गइल बा बाकिर कवन सीट केकरा जाई एह पर अबहियों मथकुच्चन जारी बा. एह खेल में जदयू अपना पुरान परंपरा का हिसाब से अपना कुछ उम्मीदवारन के राजद भा कांग्रेस में भेज के ओहिजा से टिकट दिवा सकेला. पिछलो बेर नीतीश के करीब एक दर्जन लोग भाजपा का टिकट से लड़ल रहुवे. सुने में आवत बा कि अबकी कांग्रेस के टिकट के फैसला नीतीश कुमार करीहें.
  • एकमा थाना के परसागढ़ बाजार के एगो नवही के हत्या ओकरा इश्कबाजी का चलते लड़िकी के बाप करवले रहुवे. एह बात के खुलासा पुलिस जाँच में हो गइल बा लड़िकी के बाप एकरा के सकारिओ लिहले बा.
  • दरियापुर थाना के हेमंतपुर मानपुर गाँव का नियरा टैंकर से पेट्रोल चोरावत मुंशी के पुलिस रंगे हाथ पकड़ लिहलसि आ टैंकर के चालको के ध लिहलसि. बाकी बदमाश भाग परइले सँ. मौकाए वारदात से टैंकर काटे के सामान आ जर्किन में डालल पाँच सौ लीटर पेट्रोलो धराइल बा.
  • छपरा टाटा एक्सप्रेस आ उत्सर्ग एक्सप्रेस में स्थायी तौर पर एकहेक गो एसी कोच आ साधारण डिब्बा जोड़े के फैसला कइले बावे रेल प्रशासन आ एकरा के 21 सितंबर से अप में आ 22 सितंबर से डाउन में जोड़ दीहल जाई.
  • सिवान जिला के गोरेयाकोठी इलाका के दुधरा गाँव के पासी टोला में छापा मार के उत्पाद विभाग 13 गो गैरकानून शराब भट्ठियन के भसा दिहलसि आ मौका पर से महुआ के चुआवल शराब आ शराब बनावे वाला सामान बरामद कइलसि. बाकिर कवनो अपराधी धरइले सँ ना आ ऊ पुलिस देखते भाग परइले सँ.
  • पवन एक्सप्रेस अब भगवानपुर टीसनो पर रुकल करी. पहिले एहिजा के लोग के हाजीपुर भा मुजफ्फरपुर जाए पड़त रहुवे मुंबई खातिर ई ट्रेन पकड़े. शुक का दिन से एकर ठहराव शुरु क दिहले बिया रेलवे.vकटिहार जिला के कोढ़ा इलाका में शुक का भोरे दू गो ट्रक के आमने सामने टक्कर का बाद छह लोग के मौत हो गइल. एगो ट्रक यूपी के रहुवे आ ओकर चालक के मौत हो गइल. दोसरा ट्रक पर मरे वाला तीन गो मजदूर भरसिया गाँव के रहले. ओह पर केला ले के जाए खातिर आइल महाराष्ट्र के व्यापारी अभय कुमार आ एगो खलासीओ के मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up