छपरा न्यूज (सोमार, 14 सितंबर 2015)

by | Sep 14, 2015 | 0 comments

  • हिअमो नेता जीतन राम माँझी के कहना बा कि हम खिसियाइल नइखीं. असल मे चुनाव आयोग से राजनीतिक दल के मान्यता पावे खातिर जरूरी बा कि हिअमो कुछ अधिका सीट से लड़ो जेहसे कि ओकरा जरुरी मत प्रतिशत मिल जाव. अतवार देर रात तक भाजपा के लोग माँझी से बतियावत रहल बाकिर कवनो समझौता वाला राह ना लउकल. भाजपा के कहना बा कि अगर हिअमो के अधिका सीट देबे के पड़ल त दोसरा सहयोगियन के सीट कम करे के पड़ी काहे कि भाजपा 160 सीट से कम पर ना लड़ी.
  • गड़खा थाना के पिरारी गांव में छापा मार के गैरकानूनी रूप से देशी शराब बनावे वाली शराब भट्ठियन के भसा दीहल गइल. एह बीच हमेशा का तरह भट्ठी वाले भाग निकलले. ओने इसुआपुर थाना के टेढ़ा गांव में एगो मड़ई से आठ गो ड्रम बरामद भइल जवना में से दू गो में स्प्रीट भरल रहे आ बाकी खाली रहली सँ. एहिजो केहु गिरफ्तार ना हो सकल. vमशरक पुलिस एगो किराना दुकान पर छापा मार के एगो गैलन में राखल 21 लीटर कच्चा स्प्रिट बरामद कइलसि. एहिजा दुकानदारो के गिरफ्तार कर लीहल गइल आ ओकरा के छपरा जेल भेज दीहल गइल.
  • भाजपा नेता उपेन्द्र सिंह के निजी अंगरक्षक के हत्या का मामिला में आरोपित राजद विधायक केदार सिंह आ उनुका भतीजा सुधीर सिंह के गिरफ्तारी का बाद तबियत खराब होखे के नाम पर छपरा सदर अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ से दुनू जने के पीएमसीएच रेफर कर दीहल गइल.
  • पहलेजा-दीघा रेल सह सड़क पुल पर रेल चलावल शुरू करावे खातिर अतवार का पूरा दिन चलल कोशिश का बाद परमानंदपुर में नन इंटरलॉकिंग के काम पूरा हो गइल. एकरा बाद अब छपरा से पटना जाए वाली रेल गाड़ियन के परमानंदपुर से घुमा के पटना के दिशा में पुल से पार करावल जाई. एह रूट पर ट्रेन 100 किलोमीटर प्रतिघंटा के रफ्तार से चलीहें सँ. एही तरह सोनपुर से पटना जाए वाली गाड़ियनो के भाया परमानंदपुर भेजल जाई. बाकिर ओहसे पहिले सोनपुर में नान इंटरलाकिंग के काम पूरा करावल अबहीं बाकी बा. अगिला महीना ई काम पूरा हो गइला का बाद बरौनी से वाया शाहपुर पटोरी आ मुजफ्फरपुर से वाया हाजीपुर होके सोनपुर के रास्ते पटना जइहें सँ ट्रेन. बतावल जात बा कि नवंबर ले एह रुट पर रेल गाड़ियन के आवाजाही शुरू हो जाई.
  • जदयू के बागी विधायक राजेश्वर राज विधानसभा के सदस्यता से आपन इस्तीफा विधानसभा अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी के सँउप दिहले बाड़न. कुछ दिन पहिलहीं राजेश्वर राज भाजपा के सदस्य बन गइल बाड़ें.
  • मुंगेर पुलिस सात गो मिनी गन फैक्ट्रियन के खोज निकलले बाया आ चक्की गंगा दियारा क्षेत्र में छापामारी क के दू जने के बनल-अधबनल असलहा आ असलहा बनावे वाला सामान साथे गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • वैशाली जिला के नगर थाना इलाका के हथसारगंज मुहल्ला से पुलिस एगो शराब भट्ठी के पता लगा के ओहिजा से बहुते शराब आ कच्चा स्प्रिट बरामद कइले बिया. एहिजो से कवनो आदमी के गिरफ्तारी नइखे हो सकल.
  • बिहार में डेंगू के प्रकोप लगातार बढ़ले जात बा. भोजपुर जिला के सात गो मजदूरन का खून में डेंगू के लक्षण मिलल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up