छपरा बलिया से टटका खबर (11 सितंबर 2015, शुक)

by | Sep 11, 2015 | 0 comments

  • राजग में भाजपा के तीनो सहयोगी गोल सीट बँटवारा पर सहमत हो गइल लउकत बाड़े. रालोसपा के उपेन्द्र कुशवाहा त लिख के दे देले बाड़न कि सीट बँटवारा में भाजपा के फैसला उनुका मंजूर होखी. जीतन राम माँझीओ अइसने बात कहले बाड़न. बाकिर उनुका गोल आ लोजपा के बीच के रस्सा कस्सी अबहीं चालू बा. लोजपा के कम सीट मिलला पर संतोष नइखे होत आ एही चलते सीट बँटवारा के फैसला जारी होखे में देर होखत बा. बाकिर अब अतना त साफ हो गइल बा कि भाजपा करीब 160 सीट से चुनाव लड़ी आ बाकी के 83 सीट एह तीनो गोल में बाँटल जाई.
  • लालू नीतीश के भरपूर कोशिश का बादो भाजपा के राजग आ विरोधियन के बीच सीधा मुकाबला के सपना टूट गइल बा. लालू नीतीश का अलावे कांग्रेसे बाचल बिया महागठबन्हन में, जवना के बेंवत से अधिका सीट भेंटा गइल बा. बँवारा गोल के लोग अलगे गठबन्हन बना के लड़े के एलान कइले बा त सपा अब राकांपा आ ससपा संगे अलगे गठबन्हन बनावे के फेर में बिया. झामुमो के कवनो खास समर्थन नइखे बिहार में बाकिर उहो सगरी सीट से लड़े के एलान कइले बिया. एह बिखराव के फायदा भाजपा के होखल तय बा.
  • बलिया में समाजवादी पार्टी के दू गो नेता लोग का झगड़ा में पुलिस के एकतरफा कार्रवाई से लोग अचरज में बा. अस्पताल में भरती लक्ष्मण गुप्ता के ओहिजा से डिस्चार्ज करवा के जबरिया निकाल दीहल गइल आ एकर विरोध करे आइल नगर पंचायत चेयरमैन साधना गु्प्ता के उनुका पति समेत हिरासत में ले लिहलसि पुलिस. मालगोदाम रोड पर दुकानदार के गोली से घवाहिल लोग पर लूटपाट करे के मुकदमा दर्ज कर लीहल गइल बा आ दुकानदार के छुट्टा छोड़ दीहल गइल बा.
  • जौनपुर के गुलजारगंज बाजार में मछलीशहर के एगो व्यापारी के ओकरा गाड़ी में घुस के गोली मार दीहल गइल आ उनुका लगे से साढ़े सात लाख रुपिया लूट के बदमाश अपना मोटरसाइकिल से फरार हो गइले.
  • बलिया के बैरिया इलाका में हार्डवेयर के दुकान चलावे वाला एगो व्यापारी के अपहरण क के ओकरा से बीस लाख रुपिया फिरौती में मांगल जात बा. फिरौती के डिमांड ओकरे फोन से आवत बा.
  • बलिया टीसन पर बिना टिकट धराइल एगो छात्र नेता के छोड़ावे खातिर रेल पुलिस थाना पर बियफे का दिने बवाल क दिहले ओकर साथी संघतिया. बाकिर पुलिस के कहना बा कि जुर्माना ले के ओह नेता के छोड़ दीहल गइल. कुल 44 जने धराइल रहलें बिना टिकट आ सभका के जुर्माना ले के छोड़ दीहल गइल.
  • छपरा हाजीपुर रेल रुट पर दिघवारा टीसन पर आम्रपाली एक्सप्रेस रेलगाड़ी के ठहराव होखे लागल बा. बियफे का दिने पहिला बेर ई रेलगाड़ी दिघवारा टीसन पर रुकल त ट्रेन के चालक आ गार्ड के बाकायदा फूल माला से स्वागत कइल गइल.
  • छपरा सिवान मेनरोड पर बुध के रात एगो बालू लादल ट्रक एकमा थाना के देवाल से टकरा गइल जवना से देवाल टूट गइल बाकिर संजोग से केहू घवाहिल ना भइल. ट्रक के पत्ती टूटला का चलते ई हादसा भइल बाकिर पुलिस ट्रक के चालक आ खलासी के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • दरभंगा रक्सौल रेलखंड पर घोड़ासहन टीसन पर अब एक्सप्रेस ट्रेन रुके लागल बाड़ी सँ. बियफे का दिन से घोड़ासहन टीसन पर रक्सौल हावड़ा एक्सप्रेस रुके लागल बावे.
  • मोतिहारी के प्रापर्टी डीलर मंटु शर्मा के हत्या का मामिला में राहुल सिंह आ ओकरा एगो साथी के दिल्ली में गिरफ्तार कर लिहले बिया पुलिस. राहुल गोविन्दगंज थाना के खजूरिया गाँव के हवे आ ओकर साथी पिपरा थाना के चिंतामनपुर गाँव के.
  • पश्चिम बंगाल से जाली नोट के खेप ले के आवत एगो औरत के बेतिया पुलिस दस लाख रुपिया के जाली नोट संगे गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा एगो साथीओ के गिरफ्तार कइल गइल बा जवन पश्चिम चंपारण के मझौलिया इलाका के करमवा गाँव के हवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up