टटका खबर (बिहार से), २६ फरवरी २०१४

by | Feb 26, 2014 | 0 comments

  • भारतीय जनता पार्टी आ रामविलास पासवान के लोक जनशक्ति पार्टी का बीच गठबन्हन के बातचीत अपना आखिरी दौर में बा आ दुनू पार्टी सीट के बंटवारा पर करीब करीब सहमत हो गइल बाड़ी सँ. बतावल जात बा कि लोजपा के बिहार में सात गो भा आठ गो सीट दीहल जाई. हालांकि इहो सुने में आवत बा कि एहमें से दू गो प भाजपा के लोग लोजपा का टिकट प लड़ी.
  • भोजपुर जिला के अगिआँव थाना के कुढ़नी बाजार में २५ फरवरी का दिने एगो शादी में नाच का दौरान गोली चलला से दू जने के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल.
  • राजद के टूट प लालू के भड़कल नीतीश के खटकत बा. कहलन कि खिसियानीबिल्ली खंभा नोचे वाला हाल बा. आग लागल अपने घर के शार्ट सर्किट से आ दोस दोसरा प मढ़े में लागल बाड़ें.
  • हिन्दूवन से पाँच गो बच्चा पैदा करे के गोहार लगवला खातिर विश्व हिन्दू परिषद के अध्यक्ष अशोक सिंघल प शिवानंद आपन नाराजगी जतवलें. कहलन कि एगो अउरी साध्वी के मैसेज मोबाइल प चलत बा जवना में हिन्दूवन के अल्पसंख्यक होखे के खतरा बतावल जात बा आ मोदी के जितावे के अपील कइल जात बा.
  • लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार गया में कहली कि जनता अइसनका लोग के सांसद मत चुने जे संसद के मान गिरावेलें.
  • नरेन्द्र मोदी के पटना रैली में बम फोड़े वाला चार गो आतंकियन के यूपी से गिरफ्तार क के ले अइला का बाद एनआईए के विशेष अदालत के आदेश से हिरासत में भेज दीहल गइल.
  • भाजपा से पींग बढ़वला से नाराज लोजपा के अकेला विधायक जाकिर हुसैन इस्तीफा दे दिहलें.
  • जदयू नेता श्याम रजक आरोप लगवले कि लालू विधानसभा अध्यक्ष के मरवावल चाहत बाड़न. राजद में भइल टूट का बारे में रजक के कहना रहे कि नीतीश तूड़े के ना जोड़े के काम करेलें. तूड़े के काम त लालू के ह जे आपन अल्पमत वाली सरकार बचावे ला कतना गोल तूड़ दिहले रहले.
  • बिहार विधानसभा के स्पीकर उदय नारायण चौधरी के कहना बा कि राजद से बागी तेरह गो विधायकन के गुट के मान्यता दिहल न्याय का हिसाब से सही रहे तबहियों दलित होखला का चलते उनुका के निशाना बनावल जात बा.
  • बुध का दिने बिहार में जगहे जगह फेरू बदरी छाप लिहले बिया आ बियफे का दिने कुछ जगहा बरखा होखे के अनेसा बतावल जात बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up