- बिहार के विशेष राज्य दिआवे के माँग ले के आजु भाजपा पूरा बिहार में रेलचक्का जाम करे के एलान कइले बिया आ एह चलते सगरी टीसनन पर सुरक्षा कड़ा कर दीहल गइल बा.
- गोपालगंज के अंबेडकर चौक का नियरा मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ विधानसभा अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी के पुतला फूंके का फेर में राजद अल्पसंख्यक प्रकोष्ठ के जिलाध्यक्ष अब्दुल सत्तार अपनहीं आग का चपेटा में आ गइलें. झँउसल सत्तार के अस्पताल में भरती करा के इलाज करावल जात बा.
- भोजपुर जिला के जगदीशपुर थाना के नारायणपुर गांव का नियरा बाइक से घरे लवटत दुल्हीगंज के रामबाबू शर्मा एगो गाड़ी के चपेटा में आ गइलें आओहिजे उनकर मौत हो गइल. बाद में लोग दू घंटा ले आरा-मोहनिया रोड जाम क दीहल.
0 Comments