टटका खबर, (शनिचर, 14 मार्च 2015)

by | Mar 14, 2015 | 0 comments

(शुक, 13 मार्च के खबर)

  • श्रीलंका यात्रा पर गइल पीएम नरेन्द्र मोदी दुनू देश का बीच आर्थिक आ सुरक्षा के सहयोग के अउरी बरियार बनावे पर जोर दिहलन आ कहलन कि भारत श्रीलंका के हरसंभव मदद करे के तउइयार बा. श्रीलंका में मोदी के शानदार स्वागत भइल बा. पिछला 28 साल में भारत के कवनो प्रधानमंत्री पहिला बेर दुतरफा बातचीत ला श्रीलंका गइल बाड़न. सार्क के बइठक खातिर भइल यात्रा एहमें नइखे शामिल.
  • पाकिस्तान के एगो अदालत मुंबई हमला के मुख्य आरोपी जकीउर रहमान लखवी के जमानत दे दिहलसि. एकरा बाद भारत सरकार पाकिस्तान के राजदूत के बोला के आपन विरोध जतवले बिया.
  • केरल में विधानसभा के भीतर आ बाहर होखत कड़ा विरोध का बीच बजट पेश क दिहलन वित्‍तमंत्री के एम मणि. उनुका पर मदिरालय चलाए वालन से एक करोड़ रुपिया घूस लेबे के आरोप लगावल गइल बा. विधानसभा में तोड़फोड़ भइल आ माईक वगैरह उखाड़ के फेंक दिहल गइल.
  • बियफे का बढ़त का बाद शुक का दिने शेयर बाजार में बिकवालन के जोर चलल आ सेंसेक्स 427 अंक आ निफ्टी 128 अंक भहरा के बंद भइल. रूपयो में डॉलर का मुकाबले 47 पइसा के बड़हन गिरावट दर्ज भइल आ एक डॉलर 62 रूपिया 97 पइसा के हो गइल.
  • विश्‍व कप क्रिकेट में इंग्‍लैंड डकवर्थ लुइस नियम का सहारे अफगानिस्‍तान के नौ विकेट से हरा दिहलसि. दोसर मैच में न्‍यूजीलैंड तीन विकेट से बांग्‍लादेश के हरा दिहलसि. अब क्वार्टर फाइनल में भारत के मुकाबला बांगला देश से होखे के संभावना बन गइल बा.
  • शनिचर का दिने ऑकलैंड में भारत के मुकाबला जिम्‍बाब्‍वे से होखी. भारत एह मैच में आपन लगातार दसवाँ जीत दर्ज करे खातिर उतरी. दोसर मैच में ऑस्‍ट्रेलिया के मुकाबला स्‍कॉटलैंड से होखी.
  • छपरा-बनियापुर हाइवे पर बनियापुर बाजार का नियरा एगो सूमो के टक्कर से बाइक सवार आइटीबीपी के जवान के मौत शुक का दिने ठाँवे पर हो गइल. सूमो वाला गाड़ी ले के भाग निकलल. बतावल जात बा कि हरिहरपुर गाँव के विशाल कुमार अपमा महतारी संगे मोटरसाइकिल से जात रहलन जब सूमो उनका के धक्का मारत भाग गइल. गिरते विशाल के मौत ओहिजे हो गइल जब कि माई के हाल अब तब के बनल बा.
  • सासाराम जिला के डेहरी इलाका के लाला कॉलोनी में एगो भोजपुरी गायक विकास राय बियफे रात में अपना परिवार के पांच बेकत का साथे सल्फाश खाके जान दे दिहलन. एह घटना के पता शुक का दिने भइल. पाँच आदमी के मौत हो गइल बा आ विकास के छोट भाई के इलाज चलत बा. मरे वालन में विकास, विकास के बाबूजी, माई, बहिन आ एगो भाई शामिल बाड़े. दिनारा इलाका के पोहपी गाँव के विकास एलबम रिलीज करावे ला आपन घर जमीन बेच के लाला कालोनी में रहत रहले. अब बेहोश भाई के होश आ जाव त पता चले कि कवना कारण से सभे जहर खा के जान दिहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up