टटका खबर : 15 अक्टूबर 2014, बुध

by | Oct 16, 2014 | 0 comments

महँगाई घटवला के दावा पर पी चिदम्बरम मोदी सरकार से सवाल पूछलन

महँगाई घटवला के दावा पर पी चिदम्बरम मोदी सरकार से सवाल पूछलन

  • बिहार में रोहतास जिला के काराकाट इलाका के मोहनपुर गांव में कुछ दबंग लोग मामूली झगड़ा में एगो दलित के जिंदा जरा दिहल.
  • बिहार के मुख्यमंत्री रहल नीतीश कुमार दुर्गावती जलाशय परियोजना के उदघाटन पर खुशी जतावत कहलन कि रोहतास आ कैमूर जिला के किसानन के एगो पुरान सपना पूरा हो गइल.
  • भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी नाराजगी जतवलसि कि यूपी के राज्यपाल राम नाईक आरएसएस सरसंघ चालक मोहन भागवत आ उनुका बड़का प्रचारकन के रात्रिभोज दिहले आ ओह लोग से रायविचार कइलन.
  • बिहार में डेहरी आनसोन से सोननगर का बीच पूर्व मध्य रेलवे के ओवर हालिंग चलला का चलते राँची से आवाजाही करे वाली कई गो ट्रेन 20 अक्टूबर ले रद्द क दिहल गइल.
  • झारखंड में भाजपा का खिलाफ कांग्रेस, झारखंड मुक्ति मोर्चा, राष्ट्रीय जनता दल आ जनता दल यूनाईटेड मिलके विधानसभा के चुनाव लड़ीहें काहे कि उनुका लागत बा कि अकेले ओह लोग के बेंवत नइखे कि भाजपा के हरा सकसु.
  • बिहार में सीवान जिला के धनौती चौकी का इलाका में दिनदहाडे़ एगो मनी ट्रांसफर संचालक से नौ लाख 85 हजार रूपिया लूट लिहल गइल. सिवान में एह तरह के घटना आए दिन घटत रहेला आ पुलिस बेबस लउकेले.
  • बिहार में सारण जिला के छपरा नगर थाना के करीम चौक का नियरा पुलिस दू गो हथियार तस्करन के असलहा समेत गिरफतार क लिहलसि.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय के लखनऊ पीठ हैदर फिल्म के निर्माता निर्देशक के नोटिस जारी क के पूचलसि कि कुछ दृश्य आ संवाद पर एगो समुदाय के विरोध का चलते काहे ना ओकरा पर रोक लगा दिहल जाव. जान जाईं कि एह फिलिम में कश्मीरी अलगाववादियन के महिमामंडित करत सेना का खिलाफ माहौल बनावे के कोशिश कइल गइल बा.
  • बिहार के 26 जिलन के कांग्रेस प्रमुख कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी से भेंट क के बिहार प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष अशोक चौधरी के हटावे के मांग कइलन.
  • बिहार में नालंदा जिला के मदरसा अजीजिया लड़िकियन के पढ़ावे पर लगावल रोक के आपन फैसला वापिस लिहलसि.
  • बिहार के मुख्यमंत्री रहल नीतीश कुमार फेरू मुख्यमंत्री बने के लालसा जतवलन बशर्ते लोग उनुका के फेरू चुन लेव.
  • जापान के क्योटो शहर के मेयर डिसाकू काडोकावा 30 अक्टूबर के वाराणसी अइहन.
  • उत्तर प्रदेश सरकार राज्य के सगरी 250 सुविधा केन्द्र पर आनलाइन पंजीयन भा आनलाइन रिटर्न विवरण विभाग के भेजे खातिर लिहल जाए वाला शुल्क के सूची टांगे के कहलसि. व्यापारियन के शिकायत बा कि एहमें धांधली कइल जात बा.
  • वाराणसी के सारनाथ इलाका के एगो स्कूल से अनुशासनहीनता खातिर निकालल गइल एगो छात्र के आत्महत्या क लिहला का बाद ओकर साथी पहाड़िया रोड जाम क के विरोध जतवलन.
  • उत्तर प्रदेश के राज्यपाल राम नाइक मंगल देर रात राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के संघ चालक मोहन भागवत आ उनुका बड़का प्रचारकन के रात्रिभोज दिहलन. करीब एक घंटा ले एह लोग का बीच बातचीत भइल.
  • पटना में सरकारी जमीन हड़पे का आरोप में दू गो विधायक समेत 41 लोग का खिलाफ केस दर्ज करावल गइल बा कि ई लोग सरकारी जमीन पर पक्का निर्मंण करा लिहले बाड़न.
  • पिछला लोकसभा चुनाव में सिफर रहे वाली बसपा उत्तर प्रदेश के विधानसभा चुनाव खातिर अबहिए से उम्मीदवार चुनल शुरू क दिहलसि. चुनाव 2017 में होखे वाला बा.
  • दुर्गावती जलाशय परियोजना के उद्घाटन समारोह का पहिलही कैमूर जिला प्रशासन लोजपा के जिलाध्यक्ष रामयश सिंह कुशवाहा के गिरफतार क लिहलसि. पुलिस के अनेसा रहे कि ई कवनो हंगामा करा सकेले.
  • महँगाई घटवला के दावा पर पी चिदम्बरम मोदी सरकार से सवाल पूछलन


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..
टटको में टटका, Breaking News in Bhojpuri, आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up