टटका खबर : 21 सितंबर 2014

by | Sep 22, 2014 | 0 comments


टटका आरा


(बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, कैमूर आ भभुआ जिला के खबर पर एक नजर)

आरा रमना मैदान के सांस्कृतिक भवन में होखत एगो समारोह का दौरान कुछ लोग एगो आदमी के चोर बता के जमा के धुनाई क दिहल. आधा घंटा ले पिटाई चलत रहल बाकिर पुलिस के कहीं पता ना रहे.

बहोरनपुर चौकी के सारंगपुर गांव में भइल हत्या के दू गो आरोपी व्यवहार न्यायालय में सरेडर क दिहले जवना का बाद ओह लोग के जेल भेज दिहल गइल.

धोबहां चौकी इलाका से अठवीं कक्षा में पढ़े वाला एगो लड़िका के किडनैप करे के मामला दर्ज करावल गइल बा.

आरा पुलिस अधीक्षक का आदेश पर अलग से अभियान चला के जिला भर से 116 गो लोग के गिरफ्तार कइल गइनल जिनका पर कवनो वारंट रहे.

तरारी थाना के हरदिया गाव में दहेज खातिर अपना पत्नी के हत्या करे के आरोपी पति के गिरफ्तात कर लिहल गइल बा.

बक्सर से एगो लड़िकी के ओकरा के ट्यूशन पढ़ावे वाला मास्टरे साहब उड़ा ले गइलन. थाना में अपहरण के केस दर्ज भइल त मास्टर के पटना डेरा पर से दुनू के पुलिस पकड़ ले आइल.

बक्सर-कोचस रोड पर चौसा का लगे बहुते सगरी सरकारी दवाई सड़क पर फेंकल मिलल बा. प्रशासन के खबर मिलला पर सिविलसर्जन मौका पर अइले आ दवाइयन के जाँच कइले.

बक्सर के राजपुर थाना के सगरा गाँव में ईंटा के पुरान दीवार गिरला से चौदह साल के एगो लड़िका के मौतक ठाँवे प हो गइल. चार जने अउरी घवाहिल भइल बाड़े.


टटका बलिया


(यूपी के बलिया, गाजीपुर आ मऊ जिला के खबर पर एक नजर)

सहतवार रेलवे फाटक का नियरा शनिचर का दिने बिजली के तार टूट के भईंस पर गिरल त ओकरा के बचावे ला भोला राजभर दउड़ले आ उनुका के बचावे का फेर में उनकर मेहरारू. दुनू जने झँउस गइल बाड़न आ अस्पताल में भरती करावल गइल बा.


टटका छपरा


(बिहार के सारण, सिवान आ गोपलगंज जिला के खबर पर एक नजर)
दरियापुर थाना के जमीरा गांव के योगेन्दर राम केस लिखववले बाड़न कि उनुका बेटी के ओकरा ससुरारी के लोग मार दिहले बा आ ओकर लाशो गायब क दिहले बा.

एकमा प्रखंड के उदासीबाबा के पोखरा, परसागढ़ के स्कूल के प्रधानाध्यापक सुभाष यादव कुछ लोग एक लाख रूपिया के रंगदारी मांगत बा. प्रधानाध्यपक एह बारे में केस दर्ज करवले बाड़न.

बनियापुर थाना के पिठौरी नंदलाल टोला गांव के एगो शराबी आदमी अपना मेहरारू के पीट के मुआ दिहलसि. नदी किनारे फेंकल लाश शनिचर का दिने पुलिस बरामद क लिहलसि.

डोरीगंज थाना के रामपुर बिन्दगांवा दियर में आपसी झगड़ा में एगो नवही के हत्या क के ओकर लाश पानी भरल गड़ही में फेंक दिहल गइल जहाँ से शनिचर का भोरे पुलिस लाश बरामद कइलसि.

महाराजगंज थाना के इंदौली गांव में शुक का सबेरे एगो तेरह साल के लड़िका साइकिल धोवे पोखरा पर गइल रहे जहाँ गोड़ बिछिलइला से उ पानी में गिर पड़ल आ डूबला से मौत हो गइल.

हसनपुरा थाना के निजामपुर गांव में शनिचर का दिने एगो बस से कचरा के दू साल के मासूम लड़िका के मौत हो गइल.

गोपालगंज जिला के महम्मदपुर थाना के कुशहर आइटीआई का लगे हाई वोल्टेज तार से सट के एगो अधबूढ़ के मौत हो गइल. उनुका के बचावे का फेर में उनकर बेटा झँउस गइल बा आ ओकर इलाज अस्पताल में चलत बा.


टटका चंपारण


(बिहार के पूर्वी चंपारण आ पश्चिमी चंपारण जिला के खबर पर एक नजर)

केसरिया के वार्ड संख्या-11 में राम जानकी मंदिर का नियरा रघवा नदी में डूबला से एगो तीन बरीस के लड़िका के मौत हो गइल जे कि बगल में खेलत घरी नदी में गिर गइल रहे.

बापूधाम मोतिहारी टीसन से पुलिस दू गो लड़िकन के ध लिहलसि जवनन के उमिर दस से बारह बरीस के बीच के बा. दुनू घर से भाग के दिल्ली जाए का फेर में रहले सँ.

मोतिहारी के बनकट गांव का लगे शनिचर का दिने ट्रक आ बाइक के टक्कर से दू गो नवहियन के मौत हो गइल. ट्रक चालक भाग निकलल बाकिर ट्रक के पुलिस जब्त क लिहले बिया.

रक्सौल-दरभंगा रेलखंड के घोड़ासहन टीसन से तनिका दूरी पर शनिचर का दिने एगो नवही ट्रेन से कटा के मर गइल. ऊ छौड़ादानो के बतावल जात बा.

नौतन पुलिस गुदर मुखिया बैरा टोला परसौनी आ हिरामन मांझी खैरा टोला के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. दुनू प वारंट जारी रहल.

पुरुषोत्तमपुर के परसा गांव से एगो बोलेरो आ भलुवहिया गांव से एगो पिकअप वैन के पुलिस जब्त क लिहलसि. दुनू चोरावल वाहन रहल.


टटका देवरिया


(यूपी के गोरखपुर आ देवरिया जिला के खबर पर एक नजर)

सोमार से हड़ताल पर रहीहें गोरखपुर के आटो वाले. एह लोग के शिकायत बा कि आरटीओ या ट्राफिक पुलिस ओह लोग का साथे भेदभाव करऽता.

देवरिया गौरीबाजार विकास खंड के स्कूलन के औचक निरीक्षण गैरहाजिर मिलल नौ गो शिक्षकन के निलंबित करे के संस्तुति कइले बाड़न बीएसए.

देवरिया के उसका गाँव में जहर मिलल खाना खइला से महतारी आ बेटी के तबियत में खराब गो गइल. इलाज खातिर जाए का राहे में महतारी के मौत हो गइल आ बेटी के मौत जिला अस्पताल में इलाज का बावजूद हो गइल.


टटका बनारस


(यूपी के वाराणसी, चंदौली, जौनपुर, आ भदोही जिला के खबर पर एक नजर)

दाखिल-खारिज करे में धांधली करे के आरोप लगावत समाजवादी पार्टी कार्यकर्ता शनिचर का दिने भेलूपुर जोनल अधिकारी अतुल यादव के घेराव कइले.

शुक का दिने रोहनिया के नकाई गांव के बबलू यादव अपना भईंसियन के नहवावे पोखरा में घुसल डूब गइल रहले. उनकर लाश शनिचर का दिने पोखरा से निकालल गइल.

मुगलसराय में पत्रकारन आ व्यापारियन प भइल लाठीचार्ज के जाँच करावे के बात प्रदेश के गृह सचिव आ डीजीपी कहत बाड़े. दोषी मिलले प कोतवाल का खिलाफ कार्रवाई होई.

सुरियावां इलाका के एगो गाँव के कालेजिया लड़िकी मामा लागे वाला पड़ोसी संगे भाग गइल बाकिर अगिले दिन दुनू के पकड़ लिहल गइल.

लाइसेंस मिलला का बावजूद असलहा ना खरीदे वाला आधा दर्जन लोग के लाइसेन्स भदोही जिलाधिकारी रद्द करे के आदेश दे दिहले.

गोपीगंज के गुलौरी घाट का सोझा बीच गंगा में बालू लदाइल नाव गंगा में डूब गइल बाकि ओह पर सवार आधा दर्जन मजदूर नदी में कूद गइले आ पवँड़ के पार भइले.

मुंबई से कमा के लवटत कोइरौना थाना के सोनपुर कटरा निवासी हीरालाल यादव के सगरी कमाई जहरखुरान लूट लिहले सँ आ बेहोश हीरालाल के ऊंज थाना के अकोढ़ा गांव का लगे फेंक दिहले सँ.


टटको में टटका खबर

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up