टटका खबर, 28 जनवरी 2017

by | Jan 28, 2017 | 0 comments


बिहार में फेरु भइल शिक्षा घोटाला. पर साल बिहार के बदनाम बोर्ड घोटाला का तरहे एगो नया घोटाला शिक्षा का क्षेत्र में भइल सामने आइल बा. बिहार विश्वविद्यालय में भइल एहू घोटाला के केन्द्र में वइसने रसूख वाला मौदूद बा जवना चलते ओकरा प केहू हाथ डाले के हिम्मत नइखे करत. ललन सिंह के नाम वाला ई घोटालाबाज बिना कवनो इजाजत दूर शिक्षा से एम. फिल के पढ़ाई शुरू करवा दिहलसि आ करीब तीन हजार विद्यार्थियन के बेवकूफ बनावत ओह लोग से 9 करोड़ रुपिया बिटोर लिहलसि. अब मामिला उजागर भइला क बाद शोधार्थियन के शिकायत पर राजभवन ललन सिंह के निलंबित करत विभागीय कार्रवाई के आदेश दिहले बावे. सस्पेंड ललन के बचावे में अब बिहार विश्वविद्यालय के पदाधिकारी लाग गइल बाड़ें. शिकायत करे वालन के धमकावलो शुरू हो गइल बा.

गोपालगंज के चर्चित खजुरबानी जहरीला शराबकांड मामिला में जिला दंडाधिकारी के कोर्ट आजु 14 गो आरोपियन से 88 लाख रुपिया के हरजाना वसूले के आदेश दिहलसि. जहरीला शराब पियला से सरल 19 जने के परिवार के 4 लाख रुपिया के दर से कुल्ह 76 लाख रुपिया आ आंख गंवा चुकल भा गम्हीराह बीमार पड़ल छह जने के दू दू लाख रुपिया हरजाना भुगतान करे के कहल गइल बा.

रोहतास जिला के सासाराम के मध्य ग्रामीण बैंक में 500 आ 1000 रुपिया के पुरनका नोट जमा करावे वाला लोग के एक करोड़ 19 लाख 50 हजार रुपिया के गबन हो गइल बा. बैंक के क्षेत्रीय प्रबंधक बतवलन कि एह मेमिला में शाखा प्रबंधक समेत छह जने बैंक अधिकारियन का खिलाफ गबन के केस दर्ज करावल गइल बा.

गोरक्षपीठाधीश्वर अउर भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ के नजरअंदाज करे के दोस पार्टी प लगावत उनुकर समर्थक हिन्दू युवा वाहिनी यूपी चुनाव में आपन कई गो उमीदवार खड़ा करे के एलान कइले बिया. केन्द्र में सहयोगी दल शिवसेनो पछिमारा यूपी में एक दर्जन उमीदवार खड़ा क दिहले बिया.

अपना दल (कृष्णा पटेल गुट) आजु यूपी में 11 गो उमीदवारन के सूची जारी क दिहलसि. गोल अध्यक्षा कृष्णा पटेल अपने वाराणसी के रोहनिया सीट से चुनाव लड़ीहें. उपाध्यक्षा पल्लवी पटेल कहतारी कि उनुका बहिन आ केन्द्रीय मंत्री अनुप्रिया पटेल का साथे कवनो समझौता नइखे दोखे वाला. अपना दल के अनुप्रिया गुट भाजपा साथे गठबन्हन क के चुनाव लड़त बा.

वाराणसी के आदमपुर इलाका में विधानसभा चुनाव का चलते होखत वाहन चेकिंग में एगो कार से साढे दस लाख रुपये से अधिका के नगदी आ साढ़े चार किलो चांदी बरामद भइल. कार प सर्राफा व्यापारी सवार रहलें.

सारण जिला में छपरा-सीवान रेलखंड प दाउदपुर टीसन का नियरा रेल पटरी पारत घरी एगो लइकी ट्रेन से कटा गइल आ ओहिजे ओकर मौत हो गइल.

बस्ती के मुण्डेरवा इलाका का चन्दन दूबे पकड़ी गांव में बकरी चरवला ले के दू गो फरीक में भइल मारपीट में एक जने क जान चलि गइल आ दू गो मेहरारू घाहिल हो गइली सँ.

वाराणसी के रोहनियां आ चौबेपुर इलाका से पुलिस दू गो तस्करन के गिरफ्तार क के ओहनी लगे से 28 लीटर कच्चा शराब बरामद कइलसि.

महाराजगंज के नौतनवां इलाका में रामनगर टोला बघवा निवासी बृजेश अपना माई आ भउजाई साथे मोटरसाइकिल से अड्डा बाजार जात रहलन जब जमुहरा कला गांव क लगे एगो ट्रक मोटरसाइकिल के टक्कर मार दिहलसि. एह हादसा में महतारी आ भउजाई के मौत हो गइल. बृजेशो के चोट लागल बा बाकि भरती करावे क जरुरत ना पड़ल.

नेपाल से सटल पछिमारा चंपारण जिला के इनरबा बार्डर आउट पोस्ट का नियरा से आजु भोरे सशस्त्र सीमा बल के जवान छह करोड़ रुपिया से अधिका के 41 किलो नेपाली चरस बरामद कइल।
एसएसबी के 44 वीं बटालियन के कमांडेंट राजेश टिक्कु ने यहां बताया कि भारत-नेकाल्हु पां. बाकि तस्कर भाग के नेपाल का सीमा में फरार हो गइले सं.

गठबन्हन में शामिल दू गो वंशवादी गोल में एगो के राजा आ दोसरका के राजकुमार आपन पुरान रार छोड़त काल्हु एके मंच से पत्रकारन के संबोधित करीहें.

देवरिया का गौरीबाजार पुलिस देवतहां गांव के एगो ईंट भट्ठा प छापा मार के हजार लीटर शराब आ लहना वगैरह का साथे दू गो झारखण्डियन का गिरफ्तार क लिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up