बिहार के लोकप्रिय हिन्दी अखबार हिन्दुस्तान के सिवान ब्यूरो चीफ राजदेव रंजन के कुछ अपराधी टाउन थाना इलाका में ओवरब्रिज का लगे आजु सँझिया करीब साढ़े सात बजे गोली मार दीहलें. गोली मुड़ी से सटा के मारल गइल. एगो गोली माथ में आ दोसर गोली गरदन में लागल. बहुते घवाहिल एह पत्रकार के मौत अस्पताल चहुँपे से पहिलहीं हो गइल. गोली मरला का बाद हत्यारा सब आराम से अपना मोटर साइकिल से निकल गइले सँ.
सिवान के महादेवा मिशन कंपाउंड मोहल्ला में रहे वाला राजदेव रंजन अपना आफिस से घरे लवटत रहलन जब उनका के गोली मारल गइल. एह हत्या का बाद सिवान के लोग मान गइल बा कि दहशत वाला चमाना फेरू लवटि आइल बा. सभे मान के चलत बा कि एह हत्या के खुलासा भइल मुश्किल बा आ होइयो गइल त असली अपराधी के सजा मिलल मुश्किल बा.
सिवान के बाहुबली नेता आ सरकार चलावत लालू प्रसाद के पार्टी राजद के सांसद रह चुकल शहाबुद्दीन बाड़न त अबहीं जेल में बाकिर उनकर हनक अउसन बा कि मंत्री लोग उनकर आशीर्वाद लेबे जेल का चौखट पर माथा टेके चहुँपत रहेलें. पत्रकर रहला का चलते राजदेव रंजन बहुते लोग का निशाना पर रहलन आ ओही में से केहु उनकर हत्या करवले होखी. हो सकेला कि कवनो दोसरो मसला पुलिस खोज निकाले आ सगरी अन्दाज गलत साबित हो जाव.
अबही हाले में एगो राजद विधायिका के बेटा एगो नवही के महज एह चलते गोली मार दिहलसि कि ओकर गाड़ी राजद विधायिका के बेटा के गाड़ी के ओवर टेक क के आगे निकल गइल रहुवे. राजद आ जदयू के कानून के राज में एह तरह के हिमाकत के सजा त मिलही के रहल.
0 Comments