पहिला पुण्यतिथि पर अवधेश सिंह के प्रतिमा लगावल गइल

by | Sep 23, 2015 | 0 comments

PramendraRanjanSingh-unveiling-AwadheshKrSingh-statue
सारण जिला के दिघवारा इलाका के आमी में शक्ति शान्ति अकादमी के संस्थापक स्व. अवधेश कुमार सिंह के प्रतिमा स्कूल परिसर में लगावल गइल आ एह प्रतिमा के अनावरण जगदम कालेज छपरा के पूर्व प्राचार्य डा. प्रमेन्द्र रंजन सिंह कइलन.

एह मौका पर बोलावल सरधांजलि समारोह में अवधेश बाबू के परिजन, शिक्षा क्षेत्र से जुड़ल लोग आ आम नागरिक बड़ संख्या में मौजूद रहलें. इसुपुर के निवासी स्व. अवधेश कुमार सिंह बिहार सरकार के उत्पाद विभाग के सहायक आयुक्त पद से रिटायर भइला का बाद से अपना गाँव में रहे लागल रहलन आ गाँव के विकास खातिर एहिजा एगो सीबीएसई बोर्ड के स्कूल शक्ति शान्ति अकादमी के स्थापना कइलन. एकरा से पहिलहूं ऊ आमी के मशहूर शक्ति पीठ माँ अम्बिका स्थान के जीर्णोद्धार में भरपूर सहयोग दिहलन आ मन्दिर के भव्यता दिअवलन.

आपन सरधांजलि भाषण देत पूर्व प्राचार्य डा. प्रेमेन्द्र रंजन सिंह कहलन कि नौकरशाह होखला का बावजूद अवधेश बाबू में शिक्षा के विकास खातिर बहुते परिकल्पना रहुवे आ ऊ हमेशा इलाका के शैक्षिक विकास का बारे में सोचत रहलन. एह गँवई इलाका में एह तरह के स्कूल के व्यावसायिक संभावना ना रहला का बावजूद ऊ आपन जथापूंजी एह काम में लगा दिहलन आ तोस के बात बा कि आजु ई स्कूल इलाका के लोग के पसन्द आ गइल बा आ हर साल एह स्कूल में विद्यार्थियन के गिनिती बढ़ले जात बा.

सरधांजलि सभा में बोले वालन में जज रामप्रवेश चौबे, शिक्षाविद् प्रो. अरुण कुमार सिंह, पत्रकार अखिलेश कुमार परमार, हरेन्द्र कुमार सिंह, शिक्षक शिववचन सिंह, ब्रज किशोर सिंह, रिटायर्ड सहायक उत्पाद आयुक्त रामबदन महतो वगैरह लोग अवधेश बाबू के जीवन के अलग अलग पहलू के परिचय करावत एह इलाका के विकास खातिर उनकर समर्पित प्रयास के सरहलें. तय भइल कि हर साल एह दिने एगो परिचर्चा के आयोजन कइल जाई जवना में अवधेश बाबू के कृतित्व के चरचा का साथही इलाका के शैक्षिक माहौल पर विचार कइल जाई आ एगो स्मारिका के प्रकाशन कइल जाई,

कार्यक्रम के संचालन रत्नेश मिश्रा कइलन. समारोह में स्कूल के निदेशक मनोज कुमार सिंह, प्राचार्या कुन्दन सिंह, संजय कुमार सिंह वगैरह मौजूद रहल लोग.

एह दिने स्व. अवधेश बाबू के निवास पर अखण्ड रामायण पाठो करावल गइल जवन बियफे ले चलावल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up