फेलिन का चलते काल्हुए से बिहार में बरखा लागल बा, चार जने के मौत

by | Oct 14, 2013 | 0 comments

बिहार मे चक्रवाती तूफान “फेलिन” का असर का चलते लगातार होखत बरखा से दू गो औरत समेत चार जने के मौत हो गइल.
काल्हु सबेरही से होखत बरखा आ तेज हवा का चलते राजधानी पटना के अनेके इलाकन में बिजली नइखे. कुछ जगहा से गाछो गिरला के खबत बा. पटना के सरिस्ताबाद मुहल्ला मे एगो ऊंच पंडाल तेज हवा के झोका से भस गइल.
हाजीपुर से मिलल खबर में बतावल गइल बा कि वैशाली जिला के करताहा इलाका के घटारो गांव मे राजू साह के मकान एगो गाछ गिरला से भस गइल. एह दौरान घर में सूतल तेरह साल के बेटा अमित कुमार आ पन्द्रह साल के बेटी कंचन के दबा के मौत हो गइल. एही घटना में छत्तीस साल के रामचंद्र साह आ अठारह साल के निर्मला कुमारी घवाहिल हो गइल लोग. एह लोग के हाजीपुर सदर अस्पताल मे भरती करावल गइल बा.
अइसहीं गोरौल इलाका के बिरौल गांव मे एगो माटी के घर भसला से पचपन साल के सरस्वती देवी के ओहिजे मौत हो गइल. तेज हवा आ बरखा का चलते वैशाली जिला मे बिजली ठप बा. अउरी कई जगहा से माटी के मकान भसे आ गाछ गिरे के खबर बा.
समस्तीपुर जिला के बाजितपुर गांव मे घर भसला से पचास साल के नथुनी सिंह दबा के मर गइलन.
गोपालगंज से खबर बा कि जादोपुर थाना के मेयरिया गांव मे पाँच गो माटी के घर भस गंइल. दू जने एहसे घवाहिल होके अस्पताल में बरती करावल गइल बाड़े.
मौसम विभाग बतावत बा कि बिहार के लगभग सगरी जिलन में बरखा होखत बा जवन कि आजुओ जारी रहे के अनेसा बा.
काल्हु साँझे से एहिजा बलियो में रुक रुक के लगातार बरखा होखत बा. बिजली ठप बा, इंटरनेट मुश्किल से काम करत बा.
बक्सर जिलाके नुआंव गाँव में दुर्गापूजा पर आयोजित यज्ञशाला में आइल साधु संतन ला बनावल बाँस के झोपड़ियन में से एगो झोपड़ी काल्हु रात भस गइल जवना से ओह में सूतल एगो साधु दबा के मर गइले. पुलिस एह मामिला के जांच करत बिया.
(वार्ता)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up