बिहार के खबर

by | Nov 30, 2011 | 0 comments

(बुध, 30 नवंबर)

  • सोनपुर मेला में भईंसियन के फैशन परेड
    मनोज पाठक

    पटना, 29 नवंबर (आईएएनएस)|. अब ले रउरा फैशन परेड में मरदे भा मेहरारुवने के बिल्ली चाल चलत देखले सुनले होखब बाकिर अबकी बिहार का मशहूर सोनपुर मेला में सजल धजल भईंसियन के फैशल परेड दर्शकन के ताली जम के बिटोरसलि. एह फैशन परेड में करीब 100 भईँस अपना मालिकन का साथे एगो बड़हन मंच पर बिल्ली चाल कैटवॉक कइली सँ. रंग बिरंगा चादरन से सजावल, सींग पर लाल पियर फीता बन्हवले एह भईंसियन के मंच पर उतारल गइल आ ऊ मीठ मीठ संगीत धुन पर मंच पर मचलत चलली सँ.

    एहबिल्ली चाल से ‘भईंस का आगे बीन बजाये, भईंस बैठि पगुराए’ जइसन कहावतो गलत साबित हो गइल आ भईंसिया सब अपना मालिक का साथे शांति से मंच पर चलली सँ. एह फैशन परेड में पटना, सोनपुर, सीतामढ़ी, राघोपुर, जहानाबाद समेत कई इलाका के भईंस शामिल भइली सँ. परेड का बाद जज लोग के फैसला से अशोक सिंह के मुर्रा नस्ल के भईंस के पहिला पुरस्कार, जहानाबाद वाली के दुसरका आ राघोपुर के भईंस के तिसरका इनाम दिहल गइल. जज का भूमिका में सोनपुर के प्रखंड पशुपालन पदाधिकारी डॉ़ रमेशो कुमार मौजूद रहलें.

    एह फैशन परेड के आयोजन सामुदायिक पुलिस कइलसि. संयोजक राजीव मुनमुन कहलें कि पशु मेला खातिर मशहुर सोनपुर मेला में अब पशुवन के संख्या साले साल घटल जात बा. एह परेड से पशु मालिकन के आकर्षित करे के योजना बा. फैशन परेड के आयोजनकर्ता निर्भय कुमार बतवले कि हर साल अइसन आयोजन कइल जाई.

    कातिक पुरनमासी से एक महीना लागे ले चले वाला एह सोनपुर मेले में देश-विदेश के लाखों पर्यटक पहुंचेलें.

    स्रोत इंडो-एशियन न्यूज सर्विस.

  • मधुबनी जिला के न्यायालय परिसर से पुलिस एगो पाकिस्तानी नागरिक के गिरफ्तार कर लिहलसि, ओकर बेटा पिछला एक साल से मधुबनी जेल में बंद बा.
  • राजगीर से सारनाथ जाये वाली बुद्ध पूणिमा एक्सप्रेस के पार्सल डिब्बा में मंगल देर रात अचके में आग लाग गइल जब ऊ राजगीर स्टेशन पर खाड़ रहुवे. केहु के मरला घवाहिल भइला के खबर नइखे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up