बिहार के खबर

by | Dec 22, 2011 | 0 comments

(बुध, 21 दिसंबर)

  • पटना के फतुहा इलाका में बुध का दिने एगो एटीएम से लगभग सात लाख रुपिया चोरा के चोर फरार हो गइले.
  • राज्य के बानबे हजार आंगनबाड़ी केन्द्र पर आवे वाला करीब सताईस लाख बचवन खातिर राज्य सरकार पोशाक मुहैया करावे पर एकानबे करोड़ रुपिया खरच करी. पहिला बेर एह केन्द्र पर आवे वाला बचवन के सरकार का ओर से पोशाक दिहल जाई.
  • फरार अपराधियन खातिर ईनाम के राशि के सीमा पहिले से दुगुना कर दिहल गइल बा. अब पुलिस महानिदेशक पचास हजार केम गृह सचिव एक लाख के आ मंत्री दू लाख के ईनाम घोषित कर सकीहें.
  • हर पंचायत में एगो राजस्व कर्मचारी बहाल करे के फैसला राज्य सरकार लिहले बिया. एह पद खातिर चार हजार चार सौ राजस्व कर्मचारियन के बहाली कर्मचारी चयन आयोग का मार्फत करावल जाई.
  • सरकारी दावा का बावजूद छपरा समेत कई जिला में धान के सरकारी खरीद शुरू नइखे हो पावल. जहाँ भइलो बा तहवों सगरी केन्द्र काम नइखे करत. शाहाबाद आ चमंपारण में धान के खरीद लक्ष्य से बहुते पीछे बा.
  • दू दिन चलल शिक्षक पात्रता परीक्षा बुध का दिने शांति से हो गइल. मंगल का दिने कई केन्द्र पर हंगामा भइल रहे.
  • पश्चिमी चंपारण के हरनाटाड़ जंगल का लगे एगो घर से वन विभाग के कर्मचारी चार गो मोर बरामद कइले.
  • बेतिया नगर थाना इलाका से कुख्यात अपराधी समीर अंसारी गिरोह के शूटर यासिर अराफात के लोडेड पिस्तौल का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • राज्य भर में पड़त कड़ाका के जाड़ बुधो का दिने जारी रहल. दिन में आसमान साफ रहला आ थोड़िका देर घाम भइला का बादो गदबेरिया में गलन बढ़ गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up