बिहार जदयू के विधायक नरेन्द्र मोदी से भेट कइला का चलते निलंबित

by | Sep 29, 2013 | 0 comments

बिहार के जदयू विधायक छेदी पासवान आजु शनिचर का दिने गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी से भेट कइले. छेदी पासवान बिहार मे मोहनिया विधानसभा सीट के प्रतिनिधित्व करेले जवन सासाराम लोकसभा क्षेत्र में पड़ेला. चार बार विधायक रहल छेदी पासवान नौवीं आ दसवीं लोकसभा चुनाव में मौजुदा लोकसभा अध्यक्ष मीराकुमार के हरवले रहले आ मुख्यमंत्री लालू प्रसाद आ नीतीश कुमार के सरकार मे मंत्री रहल बाड़ें.
एह मुलाकात के जानकारी मिलला का बाद जदयू. विधायक छेदी पासवान के छह साल ला पार्टी से निलंबित कर दिहलसि. निलंबन के घोषणा दिल्ली में पार्टी के मुख्य प्रवक्ता आ महासचिव के. सी. त्यागी कइले.
बतावल जात बा कि छेदी पासवान भाजपा में शामिल होखल चाहत बाड़ें.
एहसे पहिले साधू यादव, दसई चौधरी आ जयनारायण .निषादो नरेन्द्र मोदी से मिल चुकल बाड़ें. काग्रेसो साधू यादव के मोदी से मिले का बाद निलंबित कर दिहले रहुवे.
(वार्ता)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up