भोजपुरी पट्टी के खबर (बियफे, 12 मार्च 2015)

by | Mar 12, 2015 | 0 comments

(बुध, 11 मार्च के खबर)

  • इलाहाबाद जिला कचहरी में बुध का दिने एगो दरोगा से कुछ वकील के कहा सुनी हो गइल. बाद में सीढ़ी पर धक्का मुक्की में नीचे फेंकाए के अनेसा देखत आपन जान बचावे ला दरोगा अपना सर्विस रिवाल्वर से गोली चला के एगो वकील के मार दिहलसि. बाद में खिसियाइल वकील लोग पूरा इलाहाबाद में बवाल काटल. एह दौरान वकील लोग का तरफ से भइल फायरिंग से एगो सिपाहियो के गोली लागल बा. घटना के जानकारी मिलते राज्य भर में वकील आपन काम छोड़ हड़ताल पर चल गइलें. यूपी सरकार मराइल वकील नबी के परिवार खातिर दस लाख रुपिया देबे के एलान कइले बिया.
  • बिहार विधान सभा में 140 वोट ले के नीतीश कुमार आपन बहुमत साबित करा दिहलन. एह समय भाजपा के विधायक विधान सभा से बाहर निकल गइल रहलें. जीतन राम माँझी खुद गैर हाजिर रहलन बाकिर उनकर समर्थक विधायक ह्विप के मजबूरी में नीतीश का पक्ष में वोट दिहले.
  • सिवान के राधिका मार्केट में चलत एगो फर्जी चिट फंड कंपनी किम फ्यूचर विजन पर बुध का दिने प्रशासन छापा मार दिहलसि आ एकरा मैनेजर समेत पाॅच जने के गिरफ्तार क लिहलसि. ई लोग जिलाधिकारी के फर्जी हस्ताक्षर से सर्टिफिकेट बना के आपन धंधा करत रहुवे. खुफिया जानकारी मिलला का बाद पुलिस छापा मरलसि.
  • बक्सर गोलंबर का नियरा बुध के सँझिया एगो बेकाबू ट्रक अनेके लोग के कचारत भाग निकलल आ बाद में गंगा पुल का लगे ट्रक छोड़ के ड्राइवर भाग निकलल. एह हादसा से पाँच लोग के जान चल गइला से नाराज लोग पुलिस पर आपन खीस उतारे लागल आ वज्रवाहन अउर चेक पोस्ट के आग लगा दिहल. कुछ सिपाहियन के पिटाईओ कइल लोग. घवाहिल पुलिस इंसपेक्टर के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • भोजपुरी हीरो पवन सिंह के पत्नी नीलम सिंह के फाँसी लगा के जान दिहला का बाद उनकर दाह संस्कार मुंबई में क दिहल गइल. बाद में अस्थि ले आ के महुली घाट पर विसर्जित कइल गइल आ आरा के जोकहरी में विधि विधान से सराध के काम शुरू भइल बा. पवन सिंह केश मुड़वा लिहले बाड़न. दशकर्म 20 मार्च आ सराध 23 मार्च के होखे वाला बा.

आरा न्यूज

  • आरा जिला के किरकीरी गांव में बुध का दिने एगो आदमी अपना मेहरारू के गड़ासी से काट के घवाहिल क दिहलसि. ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ ओकर हालत नाजुक बा. पुलिस ओह आदमी के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • रोहतास जिला के कोचस में चौसा-सासाराम रोड पर मंगल देर रात एगो गाड़ी मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि जवना से ओह पर सवार दू गो नवही घवाहिल हो गइलें. दुनू के अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ एगो के हालत खराब देख वाराणसी रेफर कर दिहल गइल बा.
  • रोहतास जिला के नोखा बस स्टैंड पर के काली मंदिर से मंगल का रात लाखों रुपिया के गहना आ दानपेटी चोरा लिहल गइल बा.
  • मोहनियां इलाका के मुठानी गांव का लगे एगो ट्रक पुलिस जीप के धक्का मार दिहलसि जवना से ओह पर सवार लोग घवाहिल हो गइल. एहमें से एगो सैप जवान के बाद में अस्पताल में मौत हो गइल.

छपरा न्यूज

  • छपरा जिलाधिकारी के आदेश पर छपरा के अल्ट्रासाउंड क्लिनिकन के जांच कइल गइल. एह दौरान कवनो सेंटर पर जाँच करे वाला डाक्टर ना मिललें.
  • एकमा पुलिस एगो गैरेज से एगो टेम्पो जब्त कइले बिया जवना का बारे में ओकरा संदेह बा कि एकर चोरी पिछला साल मई मेें कइल गइल रहुवे.
  • एकमा इलाका के छितरवलिया बाजार का लगे बुध का दिने मोटरसाइकिल से गिरला का चलते ओह पर सवार छितौना गाँव के दादा आ पोता के मौत हो गइल. एह लोग के परिवार वाले एह हादसा खातिर कवनो केस ना लिखववलें.
  • सारण जिला के परसा बाजार के मस्तीचक मोड़ का लगे एगो निजी स्कूल में लागल आग से हजारों रुपिया के सामान जर गइल. संजोग से स्कूल में छुट्टी हो गइल रहे. एहसे केहू के घवाहिल होखे के खबर नइखे.
  • कोपा इलाका के सम्होता गाँव के लोग बुध का सबेरे कालाबाजारी खातिर ले जाईल जात अनाज समेत एगो पिकअप बैन के घेर लिहलें आ ओह पर लादल अनाज जब्त क लिहले.
  • सिवान के किशुनपुरा बिचला टोला में मंगल के अधरतिया में एगो बियाहल नवहिन के ओकर ससुराल के लोग आग लगा के मार दिहल. अइसने आरोप लगावत ओकरा नइहर के लोग से शिकायत मिलला का बाद पुलिस ओकरा सास के गिरफ्तात क लिहले बिया.
  • गोपालगंज के छवही गांव का लगे बुध का दिने एगो आटो आ पिकअप के टक्कर का बाद आटो में आग लाग गइल. एह हादसा में घवाहिल एगो आदमी के अस्पताल में इलाज का दौरान मौत हो गइल. दू जने अउर घवाहिल बाड़े.

चंपारन न्यूज

  • मलाही इलाका के ममरखाटोला पंचायत के मिसकार टोला में आग लगला का चलते दू गो घर राख हो गइल. एगो बंद घर में लागल आग बाद में ओकरा पड़ोसो के घर ले पसर गइल. घंटन कोशिश का बाद गाँव वाले आग पर काबू पवलें.
  • सुगौली प्रखंड के श्रीपुर पंचायत के बसतपुर गांव का लगे बाघ के गोड़ के छाप लउकला का बाद से जवार के लोग दहशत में बा. लोग सरेह में जाए से डेराए लागल बा आ बचवनो के कतहीं आवे जाए पर रोक लगा दिहले बावे लोग.
  • मैनाटांड़-रामनगरी मेन रोड पर रामनगरी गांव का नियरा मंगल रात बस आ टेंपो के टक्कर से घवाहिल तीन लोग के इलाज अस्पताल पर करावल जात बा. पुलिस दुनू गाड़ियन के जब्त कर लिहले बिया.

पूर्वांचल न्यूज

  • रेवती इलाका के पचरूखा देवी मंदिर से मंगल का रात फेरू चोरी हो गइल आ चोर चांदी के मुकुट, पिंडी में लगावल सोना के आंख आ मंगटीका चोरा लिहले. दान पेटिओ से करीब तीस हजार रुपिया चोरावल गइल बा. गहना के दाम करीब डेढ़ लाख बतावल जात बा.
  • वइसे त परीक्षा में नकल करे के बेमारी पूरा प्रदेश में आम बात ह बाकिर बलिया एहुमें खास जगहा राखेला. एहिजा के नकल माफिया प्रशासन के बेवकूफ बना के आपन मकसद निकाले में हमेशा एक धाप उपर रहेलें. बुध का दिने बाप का जगहा इम्तिहान देत बेरा के पकड़ल गइल. आ दोसरा सेंटर के कापी दोसरा सेंटर का बण्डल में भेजल जात पकड़ाइल बा. एकरा बाद जिलाधिकारी दस गो सेंटर डिबार करे के संस्तुति कइले बाड़न आ कापी ले जाए वाला कर्मचारी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • गाजीपुर जिला के कर्मनाशा नदी पुल का नियरा मंगल के सँझिया चलत ट्रेन में डाका डाल के आराम से उतर गइले. एह घटना में बक्सर के सराफा व्यवसायी से पाँच लाख के गहना लूट लिहल गइल बा.
  • गाजीपुर के टेढवा मुहल्ला में एगो बनत मकान के बारजा बुध का दिने गिर गइल जवना से रसूलपुर रूहीपुर के एगो राजमिस्त्री के मौत हो गइल.
  • दिल्ली से बिहार जात चार जने के जहर खुरान आपन शिकार बना लिहलें. बेहोशी हालत में एह लोग के गाजीपुर टीसन पर उतारल गइल आ अस्पताल में भरती करावल गइल. ई लोग बिहार के सिवान जिला के बतावल जात बा.
  • गोरखपुर खोराबार इलाका के करजही में बुध के सँझिया एगो मेहरारू के मार पीट के घवाहिल कइला का बाद ओकरा देह पर किरासन तेल डाल के जरा दिहल गइल. ओकर मौत ठाँवे पर हो गइल.
  • गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण के दायरा बढ़ा दिहल गइल बा आ अब एहमें 76 गो अउरी गाँवन के शामिल क लिहल गइल बा. पहिले 52 गो गाँव शामिल रहुवे प्लान में.
  • देवरिया के तरकुलवा इलाका के मिश्रौली गांव में मंगल का रात एगो नवही के गोली मार दिहल गइल. गोली मारे वाला आपन मोटरसाइकिल ओहिजे छोड़ के भाग निकलल. पुलिस मामिला के तहकीकात करे में लागल बिया.
  • जौनपुर जिला के सतमेसरा गाँव में मरद मेहरारू का तरह रहत चचेरा भाई बहिन अपना बेटी के हत्या कइला का बाद फाँसी लगा के आपनो जान दे दिहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up