भोजपुरी पट्टी के खबर (बुध, 11 मार्च 2015)

by | Mar 11, 2015 | 0 comments

(मंगल, 10 मार्च के खबर)

  • बिहार विधानसभा में आजु नीतीश सरकार के आपन बहुमत साबित करे के बा. एह वोटिंग में जीतन राम माँझी आ उनकर समर्थक विधायको नीतीशे का पक्ष में वोट करीहें ना त विधायिकी छीना जाई.
  • मंगल का दिने लोकसभा में भूमि अधिग्रहण, पुनर्वास आ पुनर्स्थापन विधेयक पारित हो गइल. सरकार एह विधेयक में किसानन के हित में बहुते कुछ सुधार कइले बिया जवना के विरोध करत बाड़े विपक्षी गोल.
  • बिहार के संविदा चिकित्सक लोग के हड़ताल सरकार से लिखित भरोसा मिलला का बाद मंगल का दिने टूट गइल.
  • यूपी में चरखारी, फरेंदा आ रसड़ा विधानसभा सीटन खातिर उप चुनाव 11 अप्रेल के करावल जाई.
  • अखिल भारतीय ग्रामीण डाक सेवक संघ के कर्मचारी मंगल का दिन से हड़ताल पर चल गइल बाड़े. ई लोग 7वां वेतन आयोग के लाभ आ 21 फरवरी 14 का दिने भइल समझौता लागू करावे के मांग कइले बा.
  • बिहार में होखे वाला पैक्स चुनाव खातिर परचा दाखिल करे के आखिरी दिने मंगल के बहुते लोग आपन परचा दाखिल कइलसि.

आरा न्यूज

  • एगो आदमी के पाकिट से 20 हजार रुपिया के पाकिटमारी करे का आरोप में डालमियानगर पुलिस स्टेट बैंक शाखा में तैनात होमगार्ड हवलदार समेत दू गो अपराधियन के मोटरसाइकिल समेत गिरफ्तार क लिहले बिया.
  • विकास योजना के समीक्षा बइठक से गैर हाजिर रहे वाला सासाराम जिला के कृषि पदाधिकारी आ मत्स्य पदाधिकारी से कारण पूछल गइल बा.
  • रोहतास के नासरीगंज प्रखंड के धनांव गांव में सोमार के रात चइता गवनई के आयोजन भइल. एहमें व्यास लक्ष्मण सिंह आ उनकर मंडली भर रात सुनेवालन के मनोरंजन कइलें.
  • मंगल का दिने बक्सर में महावीरी झंडा निकालल गइल. हर साल फगुआ का बाद के पहिला मंगल के एकर आयोजन होला.
  • डुमराँव के कोरानसराय थाना के मुगाव गांव में सोमार का रात एगो बारात में द्वारपूजा का मौका पर भइल फायरिंग से चौदह बरीस के एगो लड़िका के गोली लाग गइल. ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • प्रधानाध्यापिका के हटावे के मांग करत छात्र आ अभिभावक सोमार का दिन से जगदीशपुर प्रखंड के कुसुम्हा गांव के उत्क्रमित मध्य विद्यालय में ताला लगा के विरोध करे में लागल बाड़े.
  • सोमार के रात कोईलवर में जहर खइला का चलते एगो आदमी के मौत हो गइल. पटना जिला के बिहटा के महुदही गाँव के ई आदमी अपना हितई में आइल रहुवे.

सारण न्यूज

  • गोपालगंज के कुचायकोट में ब्यूटी पार्लर चलावे वाली एगो नवहिन के अपहरण के मुकदमा ओकर पिता थाना में लिखवले बाड़न. दू आदमी का खिलाफ नामजद मुकदमा लिखावल गइल बा.
  • गोपालगंज के बरौली इलाका के मिर्जापुर गांव में मंगल का दिने एगो नया बियाहल नवहिन के जान ले लिहल गइल बा. ओकरा नइहर के लोग ससुराल वालन पर दहेज हत्या के मुकदमा कइले बाड़े.
  • गोपालगंज के खजुरिया गांव में मरद से झगड़ा भइला का बाद एगो मेहरारू मंगल का रात जहर खा लिहलसि. ओकरा के इलाज खातिर सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • सिवान के टाउन थाना इलाका के नवलपुर आसीनगर मुहल्ला मे1 मंगल का रात एगो बनत मकान से बोरा में लुका के राखल असलहा बरामद कइले बिया पुलिस. पुलिस के खुफिया जानकारी मिलल रहुवे एह बात के.
  • सिवान के नौतन इलाका के हथौजी गांव में मंगल का दुपहरिया एगो झोपड़ी में लागल आग देखते देखत पसर गइल आ अनेके झपड़ी जर गइली सँ.
    छपरा में बिजली के गलत सलत बिल भेज के गाहकन के परेशान करे वाली एजेंसियन का खिलाफ कार्रवाई करे के बात कहले बाड़न जिलाधिकारी. एह दौरान जिला के सगरी विद्युत अधिकारियन के वेतन भुगतान पर रोक लगा दिहल गइल बा.
  • छपरा सिविल कोर्ट में भइल बम धमाका मामिला के आरोपियन के पटना हाई कोर्ट से जमानत मिल गइल बा.

चंपारन न्यूज

  • बेतिया में मंगल का दिने अतिक्रमण हटावे के दौर चलावल गइल. एह दौरान मेन बाजार, तीन लालटेन आ लालबाजार में सड़क के जमीन खाली करावल गइल.
  • मोतिहारी जिला के बरकुरवा गांव में दोसर बिआह करे के विरोध कइला खातिर एगो आदमी अपना मेहरारू आ सास के पिटाई क दिहलसि.
  • मोतिहारी के ठाकुरबाड़ी मोहल्ला से सोमार का रात एगो नवही गायब हो गइल बा. ओकर पिता थाना में शिकायत दर्ज करवले बाड़न.
  • पताही के बेला बैजू-सिसहनी रोड पर मंगल का दिने एगो पिकअप वैन पलटला का चलते ओकरा ड्राईवर के मौत ठाँवे पर हो गइल.
  • अरेराज-बेतिया मेन रोड पर लौरिया गाँव का लगे एगो लावारिस बोलेरो मिलल बा. एकरा के सुगौली बाजार से चोरावल बतावल जात बा.

बलिया न्यूज

  • बैरिया इलाका के छोटका बैजू टोला में सोमार का दुपहरिया लागल आग से साठ लोग के बस्ती के सगरी मड़ई जर के राख हो गइली सँ.
  • सिकंदरपुर इलाका में घाघरा नदी के पानी लगातार बढ़ल जात बा. पिछला चौबीस घंटा में नाहियो त डेढ़ फुट चढ़ल बा पानी. दियरा में फसल के बड़हन नुकसान भइल बा.
  • वाराणसी-छपरा रेल खंड पर छाता टीसन का लगे मंगल का फजीरे मालगाड़ी से कटा के एगो औरत के मौत हो गइल. ओकर उमिर करीब तीस पैंतीस साल के होखी. लोग बतावत बा कि ओकर मानसिक हालत ठीक ना हुवे आ ऊ गाड़ी रोकवावे के कोशिश करत रहुवे.
  • गाजीपुर के ताड़ीघाट-बारा रोड पर गहमर के पूरबी पोखरा का लगे एगो ट्रक के गुल्ला टूटला का चलते मंंगल भोरे से दुनू तरफ गाड़ियन के लमहर लाईन लाग गइल जवन दुपहरिया में जा के हट पावल.
  • गाजीपुर पुलिस एगो लक्जरी गाड़ी में सवार लुटेरा गिरोह के पाँच जने के सोमार रात गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • मऊ जिला के कोपागंज इलाका के एगो बस्ती के सोलह बरीस के लड़िकी मुहल्ला के पाॅच गो लड़िकन का खिलाफ सामूहिक कुकर्म करे के आरोप लगवले बिया. पुलिस एह मामिला के जाँच करत बिया.
  • मऊ के बड़ागांव का लगे मंगल का भोर में एगो डीसीएम के धक्का से मोटरसाईकिल सवार नवही घवाहिल हो गइल. इलाज खातिर अस्पताल ले जात घरी राहे में ओकर मौत हो गइल.

गोरखपुर न्यूज

  • गोरखपुर के शाहपुर इलाका के आदित्य नगर कालोनी में मंगल का दिने एगो औरत फाँसी लगा लिहलसि. बतावल जात बा कि सोमार दिन में मरद मेहरारु में कवनो बात ले के झगड़ा भइल रहे. ओकरा बाद मरद एगो शादी में चल गइल आ एह बीच मेहरारू फाँसी लगा लिहलसि.
  • मोटर साइकिल से जात सेमरा बुजुर्ग, बड़हलगंज के एगो नवही के मौत मंगल का दिने दोहरीघाट में पिकप के धक्का लगला का चलते हो गइल. साथे सवार एगो अउर नवही घवाहिल हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • बीआरडी मेडिकल कालेज के इमरजेंसी में मंगल के साँझ एगो घवाहिल मरीज के मरला का बाद ओकर घरवाले बवाल क दिहले आ जूनियर डाक्टरन से मारपीट कइलें. बाद में जूनियर डाक्टर इमरजेंसी सेवा ठप क दिहले बाकिर समझवला बुझवला का बाद फेरू इमरजेन्सी चालू क दिहले.
  • मंगल का दिने गोरखपुर के कैंपियरगंज में एगो टेम्पो से आइल तीन लोग बोरा में भरल लाश ककटहीं गाँव का लगे फेंक के फरार हो गइले. ओकर हत्या गला रेत के कइल गइल लागत बा.
  • देवरिया के एगो भाजपा नेता के ड्राइवर पर एगो औरत पिछला छह महीना से शारीरिक शोषण करे के आरोप लगवले बिया. पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कर लिहले बिया आ मामिला के तहकीकात करत बिया.
  • गोरखपुर-छपरा रेल खंड के नूनखार टीसन पर एक्सप्रेस ट्रेन के ठहराव मांगत लोग धरना दिहल आ बगल के रोड जाम क दिहल.

वाराणसी न्यूज

  • वाराणसी में दू गो कसाईघर के फेर से बनावे खातिर यूपी सरकार साढ़े सात करोड़ रुपिया मंजूर कइले बिया.
  • वाराणसी कैंट टीसन पर मंगल का दिने यार्ड में चहुँपल बरेली एक्सप्रेस के एस-टू कोच से बक्सा में बन्द एगो अधबूढ़ के लाश मिलल बा.
  • पड़ोस में आइलबारात देखत परिवार के पतो ना लागल आ घर में घुस के चोर लाखों के सामान चोरा ले गइले. घटना मंडुआडीह के मड़ौली के ह.
  • जौनपुर जिला के रामपुर इलाका के सिधवन गांव के वैष्णो मंदिर से सोमार के रात गहना, दान पेटी आ घंटा चोरी हो गइल. एकर पता सबेरे मंदिर खुलला पर लागल.
  • मुगलसराय के दुलहीपुर में मंगल का दिने एगो मोटरसाइकिल का डिक्की में राखल पौने पांच लाख रुपिया दू गो उचक्का उड़ा दिहले सँ. सरे बाजार भइल एह वारदात में मोटरसाईकिल वाला ओकनी के चहेटबो कइलसि बाकिर ऊ ना धरइले सँ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up