भोजपुरी पट्टी के खबर (शुक, 13 मार्च 2015)

by | Mar 14, 2015 | 0 comments

(बियफे, 12 मार्च के खबर)

  • बक्सर शहर के सिंडीकेट आ गोलंबर के इलाका बुध का सगरी रात जरत रह गइल. सड़क हादसे में चार आदमी के मौत आ एक दर्जन लोग के घवाहिल भइला का बाद खिसियाइल लोग के बवाल देखत इहे बुझाव कि पुलिस प्रशासन पर से लोग के भरोसा उठ गइल बा. प्रशासन जबले चेतल आ सम्हरल तबले बहुते कुछ नुकसान हो चुकल रहुवे.
  • रोहतास जिला के नोखा इलाका के मनीपुर राम-जानकी मंदिर से भइल मूर्ति चोरी के मामिला के पुलिस पता लगा लिहलसि आ सात गो अपराधियन के गिरफ्तार कर लिहलसि. कुछ अउरीओ अपराधी नजर में बाड़े बाकिर हाथे नइखन लागल. बाकिर चोरी के सामान बरामद नइखे हो पावल.
  • रोहतास जिला के काराकाट इलाका के पड़सर गांव में दहेज खातिर हत्या के मामिला थाना में लिखावल गइल बा. शिकायत बा कि एगो बियाहल औरत के ओकर ससुराल वाले जान से मार के लाशो जरा दिहले.
  • रोहतास जिला के बिक्रमगंज में पुल का नियरा बियफे का दिने पल्सर चोरा के भागत तीन गो बदमाशन के पुलिस पकड़ लिहलसि. ई बदमाश आरा रोड पर एसबीआई शाखा का लगे खड़ा कइल मोटरसाइकिल चोरा के भागत रहले आ पुलिस पता चलते घेराबन्दी क के एकनी के पकड़ लिहलसि.
  • भोजपुर जिला के आरा शहर में बियफे का दिने सघन चेकिंग अभियान चला के पचास गो दुपहिया आ चार पहिया गाड़ियन के जब्त के जुर्माना वसूलल गइल.
  • आरा-पटना मेन रोड पर बियफे का दिने गिधा का नियरा एगो मोटरसाइकिल साइकिल वाले से जा टकराइल जवना चलते एगो नवही के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल जेकरा के इलाज खातिर पटना रेफर कर दिहल गइल बा.
  • कैमूर जिला के कुदरा इलाका के कैलाशपुर गाँव में पाॅच बिगहा खेत में होखत अफीम के खेती के पता लगा लिहलसि पुलिस. खेत वाला फरार बा.
  • कैमूर जिला के भभुआ का एगो दलित बस्ती में बियफे का दिने एक आदमी के छत अचानके बगल का छत पर गिर पड़ल जवना चलते दू गो बचवन समेत चार जने के मौत हो गइल आ दर्जनो लगो घवाहिल गहो गइल बा.
  • छपरा जिलाधिकारी का निर्देश पर अल्ट्रासाउंड सेंटरन पर छापेमारी दुसरको दिने बियफे के जारी रहल आ एहु दिने उहे हाल रहुवे के कहीं डाक्टर ना रहुवे त कहीं रजिस्टर.
  • सिवान जिला के असांव-दरौली सड़क पर बिजुलिया मोड़ का नियरा पेट्रोल पंप के मैनेजर आ कर्मचारी के गोली मारे का मामिला में कचहरी रोड का लगे आरोपी जटा सिंह के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस.
  • गोपालगंज जिला के सोनवलिया गांव में खाना बनावत घरी लागल आग से एगो औरत बहुते झँउस गइल. बाद में ओकर मौत अस्पताल में इलाज का दौरान हो गइल.
  • गोपालगंज के बरौली इलाका के सिसई गांव में सिवान से आइल बारात में नाच का झगड़ा में बुध का दिने एक आदमी के मारपीट के घवाहिल क दिहल गइल. ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • गोपालगंज जिला के महम्मदपुर गांव का नियरा सड़क पर बियफे का भोरे एगो झोपड़ी में एगो बूढ़ के लाश मिलल बा जवना के पहचान नइखे होखत.
  • मुजफ्फरपुर नरकटियागंज रेलखंड पर डाउन जननायक एक्सप्रेस से मुजफ्फरपुर के दू गो यात्रियन के बुध का रात बेहोशी का हाल में मोतिहारी टीसन पर उतारल गइल. बियफे का दिने होश में अइला का बाद पता चलल कि एकनी के नशा खिया के जहरखुरान गिरोह एकनी का लगे से 27 हजार रुपिया लूट लिहले बाड़े.
  • पूर्वी चंपारण के नौतन खुर्द पंचायत के भेड़िहारी टोला मोड़ पर बियफे का दिने एगो खाली ट्रैक्टर पलट गइल जवना से ओकर ड्राइवर के जान चल गइल. उ धनकुटवा के बतावल जात बा.
  • बलिया जिला में चिलकहर डुमरी रोड पर एगो ट्रक से कचरा के एगो मोटरसाइकिल सवार नवही के मौत हो गइल. ड्राइवर बाद में ट्रक छोड़ के भाग निकलल. पुलिस ट्रक के जब्त क लिहले बिया.
  • गाजीपुर जिला के नोनहरा इलाका के सुसुंडी गांव का लगे बुछ का रात सड़क हादसा में हाथीखाना के एगो मोटरसाइकिल सवार नवही के मौत हो गइल आ ओकरा संगे बइठल नवही घवाहिल हो गइल.
  • गाजीपुर के गगरन गाँव मे बुध के रात एगो औरत के कुछ नवही जबरिया जहर खिया दिहले जवना चलते ओकर मौत हो गइल. मरे वाली के लड़िका गाँवे के चार आदमी पर नामजद केस लिखववले बा.
  • मऊ दक्खिन टोला के राज पैलेस का लगे एगो बोलेरो पाँच लोग के घवाहिल करत भाग निकलल. एक आदमी के हालत बहुते खराब बा.
  • गोरखपुर के चिलुआताला इलाका से पिछला महीना से गायब लड़िकी का बारे में पता चलल बा कि ओकरा के एगो आर्केस्ट्रा पार्टी में बंधक बना के राखल गइल बा. ओकर महतारी पुलिस में शिकायत लिखवले बिया जवना का बाद मामिला के जाँच करत बिया पुलिस.
  • देवरिया जिला के बरहज में सूरदास कुटी का नियरा एगो निजी चिकित्सालय में आपरेशन के दौरान एगो मरीज के मौत हो गइल. ओकरा के बेहोश बता के चिकित्सक गोरखपुर मेडिकल कालेज भेज दिहलसि आ अस्पताल बंद क के स्टाफ समेत फरार हो गइल.
  • देवरिया जिला के पड़ौली गांव से बियफे का दिने आग से जरल एगो औरत के लाश पुलिस ओकरा घर के अंगना से बरामद कइलसि. घर वाले फरार बाड़े.
  • देवरिया जिला के विशनपुर बगहीं गाँव में बियफे का दिने करेंट लगला से एगो लड़िका के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि बियफे भोर में तिघरा-मराछी बान्ह पर एगो गाछ के डाढ़ काटत घरी उपर से जात हाईटेंशन लाइन के करेंट लाग गइल.
  • 16 मार्च से वाराणसी सिटी से गाजीपुर होखत बलिया के बीच एगो नया डीएमयू चलावल जाई.
  • जौनपुर वाराणसी रोड पर त्रिलोचन बाजार में बियफे का दिने एगो रोडवेज बस से कचरा के एगो मोटर साइकिल से जात दू गो नवहियन के दर्दनाक मौत हो गइल. तिसरका घवाहिल होके अस्पताल में जिनिगी के साँस गिनत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up