भोजपुरी पट्टी से खबर (मंगल, 3 मार्च 2015)

by | Mar 3, 2015 | 0 comments

(सोमार 2 मार्च के खबर)

  • सोमार से सीबीएसई बोर्ड के इंटर परीक्षा शुरु हो गइल. परीक्षा में कड़ाई का चलते बहुते विद्यार्थी इम्तिहाने छोड़ दिहलन. कुछ जगहा नकल करत परीक्षार्थियन के निकाले के खबर बा.
  • शुक का दिने होली पड़ला का चलते नमाजियन के कवनो दिक्कत मत होखे एह चलते हर जगहा जिला प्रशासन चेतवले बा कि बारह बजे का बाद केहू रंग मत खेलो आ बिना परमिशन कतहीं केहू डीजे मत बजावे.
  • बलिया जिला के गड़वार रोड पर निराला नगर में एगो सराफा के दुकान से अतवार का रात लाखों रुपिया के गहना आ भीतर लगावल गइल सीसीटीवी कैमरा चोर लिहल गइल.
  • बलिया जिला के हल्दी इलाका के शुकुल छपरा गांव का सोझा अतवार के देर साँझ एगो ट्रक से कचरा के ओही गाँव के एगो बाइक सवार नवही के मौत हो गइल.
  • बलिया जिला के रसड़ा इलाका के पकवाइनार रेलवे क्रासिंग पर सोमार का सबेरे इम्तिहान देबे जात चितबड़ा गाँव के एगो छात्रा ट्रेन से कटा गइल. क्रासिंग बन्द रहला का बावजूद लाइन पार करे का हड़बड़ी में ऊ ट्रेन के चपेटा में आ गइल.
  • पिछला दू दिन से होखत बूनाबुनी का चलते जाड़ एक बेेर फेरू लवट आइल बा. किसानन के रबी फसल के बहुते नुकसान भइल बा एह बरखा से. एह दौरान ठनका गिरला से नगरा इलाका के अतरौली करमौता गाव में अतवार का भोरे एगो आदमी के मौत हो गइल.
  • देवरिया जिला के ईश्वरपुरा गाँव के शिवमन्दिर में भगवान शिव के मूर्ति के प्राण प्रतिष्ठा खातिर शोभायात्रा निकालल गइल. मूर्ति के पचलड़ी चौराहा होखत बाबा दुग्धेश्वरनाथ मंदिर पर ले आ के पूजल गइल आ वैदिक मंत्रोच्चार का साथे मंदिर में स्थापित कइल गइल.
  • देवरिया के पिड़रा गांव में सोमार का दिने एगो लड़िकी बन्द कोठरी में आग में झँउस गइल. घर वाले बतावत नइखन कि ऊ खुदे आग लगवलसि कि कवनो हादसा का चलते आग लाग गइल. लड़िकिया के इलाज जिला अस्पताल में चलत बा.
  • देवरिया जिला के बढ़या बुजुर्ग गाँव के पटवारी टोला का नियरा शनिचर का देर रात एगो गड़हा से सात साल के एगो मासूम के लाश मिलल बा. ओकरा चाचा के शिकायत पर एगो जेसीबी मशीन चलावे वाला पर गैर इरादतन हत्या के मुकदमा दर्ज भइल बा.
  • गाजीपुर जिला के मुहम्मदाबाद इलाका में सलेमपुर-बालापुर रोड पर पसिया का पुरा गांव का नियरा सोमार का दुपहरिया में एगो ट्रैक्टर से कचरा के भांवरकोल के अवथही गांव के एगो नवही के मौत हो गइल.
  • गाजीपुर के देवकली पंप कैनाल से निकलल बिरनो रजवाहा में अतवार का देर रात पानी उपट के बहला का चलते ऊंचाडीह गांव का लगे टूट गइल जवना चलते अगल बगल के करीब पचास बिगहा के खेत में खड़ा गेंहू के फसल डूब गइल. टूटल बान्ध त बान्ध दिहल गइल बा बाकिर खेत से पानी कइसे निकलो से नइखे बुझात.
  • गोरखपुर शहर में सम्मत का दिने निकले वाला जुलूस आ होली का दिने निकले वाला भगवान नरसिंह के शोभा यात्रा का चलते शहर के ट्राफिक काबू में राखे खातिर बनावल ट्राफिक व्यवस्था जुलूस का दिने दस बजे से आ फगुआ का दिने सबेरे छह बजे से जुलूस खतम होखे तक लागू रही.
  • गोरखपुर जंक्शन टीसन पर सोमार का दिने भइल चेकिंग में एगो आदमी का लगे से 8.25 लाख रुपिया नकद आ 36 किलो चांदी मिलला का बाद ओकरा के ध के पूछताछ कइल जात बा.
  • नरकटियागंज इलाका के मल्दहिया हनुमान शिव मंदिर में शनिचर का दिने एगो ‘नाग देवता’ आ के प्रकट हो गइलन आ फन निकाल के खड़ा हो गइले. उनुका के देखत ओहिजा मौजूद औरत सभ नाग देवता के पूजन करे लगली. अगल बगल से लोग जुट गइल आ भजन कीर्तनो शुरु हो गइल बा.
  • गोरखपुर के तिवारीपुर इलाका के डोमिनगढ़ का नियरा एगो नवही लड़िकी अतवार का दिने मालगाड़ी का सोझा कूद के जान दे दिहलसि. ऊ गुलरिहा के रहुवे. हालांकि घर वालन के कहना बा ट्रेन से गिरला का चलते ओकर मौत हो गइल.
  • पूर्वी चंपारण के बंजरिया इलाका के जनेरवा बड़का टोला के वार्ड नंबर 12 में पांच साल के एगो लड़िका के फुसला के ओकरा साथे कुकर्म करे का आरोप में गाँव के एगो आदमी के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • छौड़ादानो इलाका के जनता चौक पर जीप स्टैंड का बगल में अतवार का दिने ठनका गिरला से एगो आदमी झँउस गइल. ओकरा के इलाज खातिर मोतिहारी भेज दिहल गइल बा.
  • जौनपुर के शाहगंज तहसील गेट का सोझा के सात गो गुमटी के ताला अतवार का रात तूड़ के ओह दुकानन में राखल सामान चोरा लिहल गइल बा.
  • जौनपुर के मछलीशहर तहसील परिसर के मंदिर पर लागल होर्डिंग उतारे का झगडा में एगो आदमी मंदिर के पुजारी के पिटाई करे लागल. एह बीच वकील लोग आ के ओकर धुनाई क दिहल आ पुलिस के सँउप दिहल. ऊ आदमी अपना के वकील बतावत रहुवे जबकि रहुवे होमगार्ड.
  • अतवार का दिने सारण जिला के किशुनपुरा गाँव में क्रिकेट खेलत घरी कपार में लागल गेना से एगो लड़िका के मौत हो गइल. गेना लागते ऊ बेहोश होे के गिर पड़ल. ओकरा के मशरख अस्पताल ले गइल लोग त ओहिजा डाक्टर ओकरा के मृत बता दिहले.
  • छपरा शहर में बिजली बिल सुधरवावे खातिर कैंप डाक बंगला रोड पर अंचल कार्यालय पर लगावल गइल रहे बाकिर कुछ लोग तेलपा सेक्शन कार्यालय चहुँप गइल आ ओहिजे बिल सुधरवावे के कहे लागल लोग. बाकिर काम होखे में देरी होखे लागल त लोग बवाल क दिहल. विभाग दू दर्जन लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज करा दिहले बावे.
  • छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के वीसी रहल डा॰ रामप्रवेश शर्मा समेत तीन जने के जमानत के अरजी अदालत खारिज क दिहलसि.
  • घर में विदेशी करेंसी राखे का मामिला में बिहार विधानपरिषद के उप सभापति सलीम परवेज आ सांसद रहल शहाबुद्दीन पर 27 लाख रुपिया जुर्माना लगावल गइल बा. करेंसी शहाबुद्दीन का घर पर मिलल रहे बाकिर उनुका तरफ से कहल गइल कि करेंसी उनका दोस्त सलीम परवेज के ह.
  • ललन सिंह पर अमर्यादित भाषा के शिकायत क के राबडी देवी मुकदमा कइले रही बाकिर बाद में दुनू का तरफ से अदालत में सुलहनामा दाखिल क दिहल गइल रहे. एह पर अदालत के कहना बा कि एह पर विचार तबहिएं कइल जा सकी जब दुनू जने अदालत में मौजूद रहीहें.
  • आरा कोर्ट में भइल बम धमाका का केस में गिरफ्तार मूसा के पूछताछ का बाद जेल भेज दिहलसि पुलिस. मूसा के नाम ह अखिलेश उपाध्याय आ ई एह बम धमाका के मास्टर माइंड लंबू शर्मा के गिरोह के ह. पिछला महीना दुनू अदालत में पेशी का दौरान भइल बम धमाका का बीच फरार हो गइल रहले सँ.
  • आरा जिला के बिहियां के पूरबारा गुमटी का लग सोमार का दिने एगो विद्यार्थी ट्रेन से कटा के मर गइल. ओकर मौत रेलवे क्रासिंग पार करत घरी भइल.
  • आरा के वीर कुंवर सिंह विश्विद्यालय के छात्र संघ के चुनाव ना हो सकल बाकिर डेढ़ लाख रुपिया खरच देखा दिहल गइल बा. सीनेट का बइठक में ई बात सामने अइला पर विधानपार्षद डा॰ हरेन्द्र पाण्डेय नाराजगी जतवले बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up