भोजपुरी पट्टी से टटका खबर

by | Mar 1, 2015 | 0 comments

(शनिचर, 28 फरवरी के खबर)

  • हप्ता में तीन दिन चले वाली छपरा-लखनऊ एक्सप्रेस के संचालन पहली मार्च से शुरू हो जाई. 15053/15054 नंबर वाला एह गाड़ी के रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा वाराणसी टीसन से झंडी देखा के रवाना करइहें.
  • भारत के पहिलका राष्ट्रपति देशरत्न डा. राजेन्द्र पसाद के 52 वीं पुण्यतिथि का मौका पर उनका पैतृक गाँवे जीरादेई में बोलावल श्रद्धांजलि सभा में चहुंपल जिलाधिकारी समेत अनेके लोग राजेन्द्र बाबू के मूर्ति पर फूलमाला चढ़ा के आपन श्रद्धांजलि दिहल.
  • वाल्मीकि नगर से भागल बाघ रोजे आपन ठिकाना बदल लेत बा जवना चलते वन विभाग के अधिकारी त हलकान बड़ले बाड़े लोगो के जान साँसत में पड़ल बा. शुक का दिने ई बाघ पहाड़पुर के सटहां आ नौवाडीह सरेह में लउकल रहुवे त शनिचर का दिने पश्चिमी.चम्पारण के जगदीशपुर गांव का लगे.
  • गाजीपुर के मुहम्मदाबाद ब्लाक संसाधन केंद्र का लगे शनिचर सबेरे करीब नौ दस बजे एगो नवही एगो महिला शिक्षक के गोली मार के अपनो के मार लिहलसि. बतावल जात बा कि मामिला प्रेम में दगाबाजी के रहुवे.
  • इंटरसिटी पैसेंजर ट्रेन लेट भइला से नाराज परीक्षार्थी शुक का दिने छपरा-सिवान लाईन के दाउदपुर टीसन का लगे अवध-आसाम एक्सप्रेस ट्रेन पर पथराव कइले आ ढाला का लगे ओकर होस पाईप काट के रोक दिहले. एह बीच बगल के गाँव के लोग ओहनी के दउड़ा लिहल आ कुछ लोग के पिटाईओ कइल.
  • बक्सर जिला में पंचायती राज प्रतिनिधियन के तीन गो खाली पद खातिर अतवार का दिने उपचुनाव होखे जा रहल बा. एही दिन बिहार के अउरियो जगहा के खाली पद ला होखे वाला उपचुनाव में भोजपुर जिला के पीरो के भड़सर पंचायत से एगो पंचायत समिति सदस्य पद ला, आ उदवंतनगर के बेलउर पंचायत के मुखिया के चुनाव, आ गोपालगंज जिला के पंचदेवरी के मगहिया पंचायत के मुखिया के चुनाव शामिल बा.
  • शनिचर का दिने बक्सर जिला के राजपुर इलाका में चौसा-मोहनियां रोड पर निकरिस मोड़ का लगे एगो अधबुढ़ के मौत एगो बोलेरो से कचरा के हो गइल. ऊ साईकिल से अपना गाँवे रामपुर गइल रहलें जहाँ से लवटत में ई हादसा हो गइल.
  • रोहतास जिला के संझौली इलाका के बैरी टोला का लगे सासाराम-आरा रोड पर ट्रैक्टर से गिरला का बाद कचरा के एगो नवही मर गइल. पुलिस ओह ट्रैक्टर के जब्त कर लिहले बिया.
  • आरा के अजीमाबाद इलाका के बड़गांव गांव में दू फरीक का बीच के झगड़ा में करीब आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. पुलिस एह मामिला में आठ जने के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • वीरगंज नेपाल के इनरवा पुलिस चौकी का नियरा शनिचर का साँझे भइल सड़क हादसा में दू जने के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल. अपना परिवार संगे आवत एगो आदमी के मोटरसाइकिल के एगो टैंकर धक्का मार दिहलसि जवना से एगो लड़िका आ एगो औरत के मौत हो गइल आ मोटर साइकिल चालक बहुते घवाहिल हो गइल.
  • गोपालगंज के रजोखर नवादा गांव में घरेलू कलह से आजिज आ के एगो नवही जहर खा लिहलसि. ओकरा के इलाज खातिर सदर अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ से ओकरा के गोरखपुर रेफर क दिहल बा.
  • गोपालगंज के मांझा इलाका के छवही गांव का लगे शनिचर का दिने एगो ट्रक से धक्का लगला से एगो किसान के मौत हो गइल. ऊ अपना बैलगाड़ी से ऊँख लाद के हरखुआ चीनी मिल जात रहले जब ई हादसा भइल.
  • बलिया में निषाद समाज का साथे होखत दु‌र्व्यवहार आ अनेति का खिलाफ फूलन सेना के सदस्य शनिचर का दिने कलेक्ट्रेट में प्रदर्शन क के जिला प्रशासन से एकरा के रोके के माँग कइले.
  • देवरिया जिला के भटनी इलाका के मिश्रौली दीक्षित गाँव के प्रधान आ पंचायत अधिकारी का खिलाफ सरकारी धन के गबन के मुकदमा लिख के तहकीकात करे के आदेश दिहलसि देवरिया के अदालत.
  • देवरिया के भाटपाररानी इलाका के कठौड़ी गांव के पप्पू पाठक के हत्या में शामिल एगो आरोपी के सलेमपुर कोतवाली के नारायनपुर गांव के श्याम बिहारी उपाध्याय के गिरफ्तार क लिहले बिया पुलिस.
  • देवरिया के बैतालपुर टीसन का लगे रेल लाईन पर हरियाणा के एगो सेना के जवान के लाश मिलल. ऊ टीसन पर मालगाड़ी से कटा गइल बतावल जात बा. ओकरा मौत के खबर परिवार के भेज दिहल गइल बा. मंगल, बियफे आ शनिचर का दिने छपरा से रात में नौ बजे चले वाली ई ट्रेन सबेर में दस बजे लखनऊ चहुँपी. ओहिजा से सोमार, बुध आ शुक का दिने रात नौ बजे खुलल करी.
  • गाजीपुर में स्टेट बैंक के नंदगंज शाखा से शुक का रात में मैनेजर के कंप्यूटर सेट आ सीसीटीवी कैमरा चोरा लिहल गइल बा. तिजोरी तूड़े के कोशिशो कइलन सँ बाकिर सफलता ना मिलल.
  • गोरखपुर कैंट के मोहद्दीपुर पावर हाउस कालोनी में रहे वाला एगो बिजली कर्मचारी के बीस बरीस के बेटा के लाश फाँसी पर लटकत मिलल बा. साँझ के ड्यूटी से लवटला का बाद अपना बेटा के लाश देेखे वाला बाप के संदेह बा कि केहू ओकर जान ले लिहलसि काहे कि ओकर दुनू गोड़ जमीन पर टिकल रहुवे.
  • गोरखपुर के बड़हलगंज इलाका में शनिचरा का साँझ में एगो मोटरसाइकिल से जात चाचा भतीजा के गोली मार के मोटरसाईकिल छीन ले गइले सॅ बदमाश. चाचा के मौत हो गइल बा आ भतीजा घवाहिल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up