मशरख के स्कूल में मिड डे मील से मरे वाला बचवन के गिनिती १६ हो गइल

by | Jul 17, 2013 | 0 comments

मंगल के दुपहरिया सारण जिला के मशरख प्रखंड के धरमसती गंडामन गांव के प्राइमरी स्कूल में आइल बचवन के तबियत मिड डे मील में मिलल सब्जी भात खइला का बाद खराब होखे लागल. प्रभारी प्रधानाध्यापिका बतावत बाड़ी कि जवन लड़िका सब्जी खइले ओकनिए के तबियत खराब भइल. तुरते सगरी लड़िकन के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र ले जाइल गइल. ओहिजा दू गो लड़िकन के मौत हो गइल त बाकी सगरी बचवन के छपरा सदर अस्पताल भेज दिहल गइल.बाकिर ओहिजो लड़िकन के मरे के सिलसिला जारी रहल आ छपरा अस्पताल में चौदह गो लड़िकन के मौत हो गइल. देर रात में बाकी एकतीस गो बचवन के पटना अस्पताल भेज दिहल गइल. एहू में अनेके लड़िकन के तबियत बहुत खराब बा आ ओहिजो कुछ मौत हो सकेला.

जवन रसोइया खाना बनवले रहुवे ओकरो तबियत खाना खइला का बाद से बहुते खराब बा. डाक्टरन के कहना बा कि लागत बा कि खाना में कवनो जहर पड़ल रहुवे. हो सकेला कि कीटनाशन दवाई मिलल खाना बाँट दिहल गइल होखे.

एह घटना का विरोध में लोग छपरा के दारोगा राय चौल पर आगजनी कर के बड़ी देर ले हंगामा कइल आ पुलिसो से अझुरा गइल लोग. सरकार एह घटना के जाँच करे के आदेश दे दिहले बिया आ मृतक के परिवार के दू दू लाख रुपिया देबे के एलान कइले बिया. एह घटना का बाद राजनीति का मुताबिक आरोप के सिलसिला शुरू बा. भाजपा के कहना बा कि अइसन घटना का बाद मुख्यमंत्री के इस्तीफा दे देबे के चाहीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up