महाराजगंज उपचुनाव के प्रचार आजु थथम जाई

by | May 31, 2013 | 0 comments

महाराजगंज लोकसभा सीट पर होखे वाला चुनाव ला प्रचार आजु साँझ पाँच बजे से थथम जाई. एके साल खातिर होखत एह चुनाव के नीतीश कुमार आ लालू प्रसाद के नाक के सवाल बना दिहल गइल बा. दुनु तरफ से जीत खातिर हर दाँव खेले के तइयारी बा. बीच में कांग्रेसो आपन पूरा जोर लगवले बिया बाजी मार ले जाए खातिर. दिवंगत नेता उमाशंकर सिंह के बेटा जितेन्द्र स्वामी कांग्रेस का टिकट पर लड़त बाड़न जबकि उमाशंकर सिंह राजद का और से सांसद रहलें. प्रभुनाथ सिंह राजद से पी के शाही जदयू का ओर से मैदान में बाड़ें. पाँच गो अउरियो उम्मीदवार मैदान में बाड़न बाकिर असल लड़ाई एही तीन जने का बीच बा. इलाका में राजपूत आ भूमिहार वोट निकहा बा. पी के शाही भूमिहार हउवन जबकि प्रभुनाथ सिंह आ जितेन्द्र स्वामी राजपुत.

वोट दू जून के होखे वाला बा. एह बीच सिवान जिला के तेरह जने जिलाबदर कर दिहल गइल बाड़ें आ पचीस जने के रोज थाना में हाजिरी लगावे के कहल गइल बा. जिलाबदर होखे वालन में मुस्तफाबाद के ध्रुव साह आ भीखर महतो, माधर के मनमोहन मिश्र, ख्वाबपुर के अयूब मियाँ, भोपतपुर के राजकुमार प्रसाद, डमछो के शिवाजी राय, पुरानी बाजार के गोपाल कुमार सोनी, पसनौली के विनोद कुमार सिंह आ राहुल सिंह, सागर सुल्तानपुर के कुरानुद्दीन, कौड़िया के शत्रुघ्न सिंह आ अखिलेश सिंह, अउर बगौछा के सुनील कुमार भेड़ा शामिल बाड़े.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up