A billionaire Suresh Tiwari and his wife Puspa Tiwari have filed their nominations for the post of BDC member from two villages each in the ongoing Panchayat elections of UP. He says that he wants to work for the development of this area and make it prosperous. In the affidavits he has claimed to own properties worth 100 crores.
यूपी में हो रहल तीन स्तर के चुनाव में जौनपुर जिला के रामनगर प्रखण्ड के बहरी आ रसुलहा द्वितीय गाँवन से मुंबई के उद्योगपति सुरेश तिवारी क्षेत्र पंचायत सदस्य खातिर आपन परचा दाखिल कइले बाड़न. परचा का साथे दाखिल हलफनामा में ऊ आपन संपत्ति सौ करोड़ से उपर देखवले बाड़न.
बगल का गाँव करमौवा खास आ दोदापुर से ऊ अपना पत्नी पुष्पा तिवारी के परचा भरववले बाड़न. बाद में ओहिजा के पत्रकारन से बतियावत सुरेश तिवारी कहले कि ऊ मुंबई में उद्योगपति बाड़न आ अपना क्षेत्र के विकास खातिर एह चुनाव में उतरल बाड़न. ऊ इहो कहलन कि बिल गेट्स के फाउन्डेशनो से जुड़ल बाड़न. उनकर कोशिश रही कि रामनगर प्रखण्ड के जौनपुरे ना पूरा प्रदेश के आदर्श बना देस.