Looking to reclaim its traditional Muslim support Congress has announced tickets to 22 Muslim candidates in its first list of 77 candidates for Bihar Assembly Election. This will harm Lalu and Ramvilas the most as they too have made their plans on the premise that Muslims support will be theirs.

बिहार विधानसभा के होखे वाला चुनाव में कांग्रेस के उम्मीदवारन के पहिलका सूची जारी कर दिहल गइल बा. ७७ उम्मीदवारन के एह सूची में २२ गो मुसलमान शामिल बाड़े जवन बतावत बा कि कांग्रेस बिहार के चुनावी वैतरणी मुस्लिम वोट बैंक का सहारे पार करे का कोशिश में बिया.

ओने जदयू अपना कोटा का सीट पर उम्मीदवार तय करे में लागल बिया. बतावल गइल बा कि शरद यादव आ नीतीश कुमार मिल बइठ के छबीसो नाम फरिया लिहले बाड़न. तबो थोड़ बहुत जोड़ तोड के गुंजाइश बा जवना पर आज विचार हो रहल बा.

बिहार विधानसभा चुनाव के पहिला चरण के अधिसूचना काल्हु जारी कर दिहल गइल. एह दौर में ४७ गो सीट पर मतदान करावल जाई. काल्हु से नामांकन के दौर शूरु हो गइल बा. नामांकन के काम चार अक्टूबर ले चली.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d