Many criminals are using their muscle power and ill-gotten money power to fight elections and become a white collared criminal and get police protections instead of police chasing them.
Two such criminals have filed their nominations in Ballia district too. There may be many more in whle of the state. Jalesar is accused of a bank robbery and filed his nomination under police custody for BDC member from ward n0.5. Ajay Kanu is accused of several crimes and is presently in Varanasi jail. Ajay too has filed his nominations from ward no. 41 for BDC membership.
लोकतंत्र के मखौल उड़ावत अपना बाहुबल आ नाजायज धनबल का सहारे निर्वाचित जनप्रतिनिधि बने के सपना सँजोवले यूपी पंचायत चुनाव में हर तरह के अपराधी परचा भरे में जुटल बाड़े. ऊ जानत बाड़न कि अगर चुनाव जीत गइले त पुलिस उनका के चहेटे का बदले उनका अगल बगल उनकर रखवारी करे में लाग जाई. सबले बड़का अपराधी सांसद बनल चाहेलें, छोटका विधायक. आ अब गाँव जवार के लुच्चा लफंगा पंचायत चुनाव में जनप्रतिनिधि बने जा रहल बाड़े.
बलिया का वार्ड नं. ५ से जलेसर परचा दाखिल कइलस जवना के पुलिस बैंक के कैश लूटे के आरोपी मानेले आ पहिला दिने जब परचा भरे आइल त गिरफ्तार कर लिहलसि. अब ऊ काल्हु पुलिस अभिरक्षा में आ के आपन परचा दाखिल कइलसि. अगो अउरी मनबढ़ अजय कानू, जवना पर कई गो आरोप दर्ज बा, बनारस जेल से आ के वार्ड नं॰ ४१ से परचा दाखिल कइले बा. दुनु बीडीसी, क्षेत्र पंचायत सदस्य, के मेम्बरी चाहत बाड़े. आ अचरज ना होखी यदि उ जीतियो जा सँ.