अमानत में खयानत के अछरंगी सोनिया आ राहुल के अपराधी का तरह पेश होखहीं के पड़ी

by | Dec 7, 2015 | 0 comments

सोनिया गाँधी हाजिर हो ! राहुल गाँधी हाजिर हो!
काल्हु दिल्ली के पटियाला हाउस कोर्ट में एह तरह के आवाज सुने के मिल सकेला अगर आजु रात ले कवनो करामात नइखे हो जात. नेशनल हेराल्‍ड के करोड़ो रुपिया के संपति गलत तरीका से हथियावे के अछरंगी सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी समेत कांग्रेस के कुछ अउर बड़का नेतवन के काल्हु अदालत में अछरंगी का रूप में हाजिर होखे के उमीद बन गइल बा काहे कि आजु दिल्ली हाई कोर्ट एह लोग के पेशी से छूट देबे के गोहार माने से नकार दिहलसि.
धन आ राजनीतिक बल दुनू मामिला में भरपूर बरियार ई महतारी बेटा कवनो कोर कसर ना छोड़लें कि एह लोग के अदालत में पेश होखे से छुट्टी मिल जाव. बड़का बड़का वकील लोग के दलील बेकार हो गइल आ हाई कोर्ट कह दिहलसि के पेशी पर हाजिर होखे से छूट ना दीहल जा सके.
अब पूरा उमेद बा कि एह लोग के वकील सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटीहें आ अचरज ना होखे के चाहीं अगर आखिर आखिर समय में एह लोग के छूट मिल जाव. तीस्ता सीतलवाद के मामिला उदाहरण बा एह बात के जब एगो वकील के फोन पर तीस्ता के जमानत मिल गइल रहुवे. कारण चाहे जवन होखो बाकिर कई मामिलन में अदालत के रुख आ फैसला जनमानस के झकझोर के राखत आइल बा. मानल जा सकेला कि अदालत जनभावना से काम ना करे आ ओकरा कानून का दायरा में काम करे के होला. बाकिर सगरी छूट अपराधियन के कइसे मिल जाला जबकि गरीब बेसहारा निर्दोषन का मामिला में अदालत में एह तरह के सुविधा ना मिल पावे.
शायद तुलसीदास एही के बहुत पहिले लिख गइल रहलें कि समरथ के नहीं दोष गुसाईं!
अब काल्हु तकले इंतजार कइल जाव कि घोटाला के आरोपी महतारी बेटा के अदालत में पेशी से छूट मिलत बा कि ना.
नेशनल हेराल्ड के मामिला के कुछ खास बात रउरो जान जाईं त ठीक रही. नेशनल हेराल्ड के पाँच हजार करोड़ के संपति महतारी बेटा अपना कुछ गुर्गन का सहायता से महज पाँच लाख रुपिया लगा के हथिया लेले बा लोग आ नेशनल हेराल्ड के पाँच हजार करोड़ के मालिक बन गइल बा लोग. नेशनल हेराल्ड के शेयर होल्डरन आ कर्मचारियन के कुछु ना मिलल आ सब कुछ महतारी बेटा का हाथे लाग गइल बा.
महज राजनीतिक रसूख का आधार पर गाँधी परिवार का लगे बेशुमार संपति हो गइल बा आ ई लोग दुनिया के मालदार लोगन का माथ में शामिल हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up