आरा छपरा बलिया समेत देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (शुक, 13 फरवरी 2015)

by | Feb 13, 2015 | 0 comments

Download Audio – Tatka12Feb


(बियफे, 12 फरवरी के खबर)

  • AK-with-NaMoआआपा नेता अरविन्द केजरीवाल आ मनीष सिसोदिया बियफे का दिने पीएम मोदी से मिललें. चाय नाश्ता पर ई लोग पीएम के अपना किरिया धराई समारोह में आवे के नेवता दिहलें बाकिर पीएम मोदी कहलन कि पहिले से तय कार्यक्रम का चलते ना आ पइहें. केजरीवाल दिल्ली के पूरा राज्य बनावे के माँगो कइलन पीएम से.
  • जीतन राम मांझी सरकार के भविष्य के फैसला बीस फरवरी का दिने शुरू होखे वाला बजट सत्र में करावल जाई. पहिला दिने राज्यपाल केशरी नाथ त्रिपाठी अभिभाषण पढ़ के शुरुआत करइहें. एकरा बाद विश्वास प्रस्ताव पर बहस करावल जाई आ अगर जरूरी भइल त सदन में मतदान करावल जाई. मतदान खुला होखी कि गुप्त से अबही तय नइखे. बाकिर कुरसी पर बइठे खातिर बेचैन नीतीश कुमार के कहना बा कि विधायकन के खरीद फरोख्त खातिर समय लमरावल जात बा. ओने राजद के बड़ नेता आ सांसद पप्पू यादव कहले बाड़न कि राजद के जीतन राम माँझी के समर्थन करे के चाहीं ना त महादलित वर्ग पार्टी से छिटक जाई.
  • गुजरात दंगा का नाम पर दुनिया भर से चंदा बटोर के ओहमें से करीब डेठ़ करोड़ रुपिया के गबन कर लेबे के आरोपी तीस्ता सीतलवाड के अगवाह जमानत ना मिलला का बाद गिरफ्तारी के अनेसा देखत तीस्ता सीतलवाड अपना शौहर संगे फरार हो गइली बाकिर उनकर वकील लोग सुप्रीम कोर्ट से गिरफ्तारी पर रोक लगावे के आदेश लेबे में सफल हो गइल. सुप्रीम कोर्ट शुक का दिने तीस्ता के अगवाह जमानत पर सुनवाई करी.
  • जम्मू कश्मीर में भाजपा-पीडीपी गठबन्हन के सरकार बनल तय हो गइल बा. सुने में आवत बा कि तीन तीन साल खातिर दुनू पारा पारी से मुख्यमंत्री बनइहें. जेकर मुख्यमंत्री रही ओकर मंत्री कम रहीहें आ उपमुख्यमंत्री दुसरका दल के होखी. पहिले पीडीपी के मुख्यमंत्री वाला सरकार बनी आ बाद में भाजपा के मुख्यमंत्री वाला.
  • पीएम मोदी के नाराजगी के बात सुनते उनकर मूर्ति राख के बनावल जात मंदिर के ढाह दिहल गइल. एह मंदिर पर नमो के भक्त लोग सात लाख रुपिया लगा के मंदिर बनवले रहुवे. जान जाईं कि अइसने एगो मंदिर आंध्र प्रदेश में सोनिया गाँधी के बा जवना खातिर जमीन सरकारे दिहले रहुवे आ सोनिया के ओह मंदिर से कबो परेशानी ना भइल. बाकिर हिन्दू संस्कृति माने वाला मोदी के मंजूर नइखे कि केहू उनकर मंदिर बनवावे. जीयत के मंदिर भा स्मारक बनावल गलत होला.
  • दिल्ली के हार का हल्ला गुल्ला का बीचे पसरल शांति में भाजपा असम में नगर निकायन के चुनाव में बाजी मार लिहलसि आ मीडिया दिल्ली में अझुराइल रह गइल. ओकरा भनको लागल रहीत कि असम में जीत मिले जात बा भाजपा के त ओहिजो के लेके कुकुरबँझाव शुरु क दिहले रहीत. असम के कुल 702 वार्ड के नतीजा मिलल बा जवना में से 340 गो पर भाजपा जीतल बिया आ 232 गो पर कांग्रेस.
  • ओने यूपी में आजम खाँ “रफीकुल मुल्क आ मुल्क के धरोहर” मुलायम सिंह के मंदिर बनवावे के एलान कइले बाड़न. कहलन कि मुलायम सिंह इजाजत दे दीहें त तुरते मंदिर बनावे के काम शुरू करा दीहें आजम खाँ.
  • दुनिया भर के स्वर्ण व्यापार के संस्था के कहना बा कि सबले अधिका सोना भारत में खरीदल गइल साल 2014 में. चीन दुसरका जगहा ठेला गइल बा. भारत में करीब 843 टन सोना के खपत भइल एह साल त चीन में 814 टन.
  • केन्द्रीय परिवहन मंत्री गडकरी कहत बाड़न कि देश के करीब सवा सौ टोल प्लाजा के एह लेखा साल में बंद करा के जनता के राहत दिहल जाई. 65 गो सड़क परियोजना पर लागे वाला टोल पहिलहीं खतम कर दिहल गइल बा. अब 50 करोड़ से कम लागत वाली परियोजनन पर टोल बंद करे के फैसला लिहल गइल बा.
  • वित्‍त मंत्री अरुण जेटली कहले बाड़न कि दिल्ली में आआपा के जीत का चलते देश में आर्थिक सुधार मधिम होखे के अनेसा गलत बा. कहलन कि सुधार के रफ्तार कम ना कइल जाई आ सरकार देश में निवेश बढ़वावे आ रोजगार के नया नया अवसर जनमावे खातिर संकल्प लिहले बिया.
  • मुंबई के एगो अदालत हालही में लोग के नाराजगी के निशाना बनल कार्यक्रम ‘आल इण्डिया बकचोद’ के आयोजकन आ ओहमें शामिल लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज करे के आदेश दिहले बिया पुलिस के. एह कार्यक्रम में बकचोदी करेवाला लोग फूहड़ता के हर सीमा लाँघ गइल रहे बाकिर देखेसुने वाला लोग मजा लेत रहुवे.
  • कुल 74 में से 72 गो नगर निकायन के चुनाव परिणाम घोषित हो चुकल बा जवना का बाद भाजपा के 38 गो में बहुमत मिलल बा जबकि कांग्रेस के महज 17 गो में.
  • मौका बेमौका आन्दोलन करे वाला अन्ना हजारे 24 फरवरी का दिने विकास विरोधी मेधा पाटकर का संगे दिल्ली में किसानन के रैली में भाषण देबे अइहन. ई आन्दोलन केन्द्र सरकार के भूमि अधिग्रहण अध्‍यादेश के खिलाफ चलावल जात बा.
  • आईसीसी क्रिकेट विश्‍व कप के उद्घाटन बियफे का दिने न्‍यूजीलैण्‍ड के क्राइस्‍टचर्च में रंगारंग समारोह के के कइल गइल. मुकाबला शनिचर का दिन से शुरु होखी. अतवार का दिने भारत आ पाकिस्तान का बीच भिड़न्त होखी. प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी भारतीय क्रिकेट टीम आ कप्‍तान महेन्‍द्र सिंह धोनी के आपन शुभकामना भेजले बाड़न. नारा दिहले बाड़न कि ‘खेलो दिल से वर्ल्‍ड कप लाओ फिर से’.
  • बलिया में बिजली कर्मचारी काला दिवस मनवले. एह लोग के शिकायत रहल कि 10 फरवरी का दिने लखनऊ में प्रदर्शन करे वाला बिजली कर्मचारियन के लाठी मार के भगावल गइल आ ओह लोग पर मुकदमो दर्ज करावल गइल बा.
  • बलिया के रक्सा में किसान काॅलेज के दीक्षान्त समारोह में शामिल होखे खातिर राज्यपाल राम नाईक शुक का दिने आवे वाला बानी.
  • बलिया के रसड़ा नगर के गाजी मियां रौजा कब्रिस्तान में बियफे का भोर में बोरा में बंद एगो नया जनमल शिशु मिलल. ओकर एगो गोड़ जानवर चबा दिहले रहले सँ बाकिर ओह बेर ले जाड़ापाला का बावजूद ऊ जिन्दा मिलल. ओकर रोआई सुन के अगल बगल के लोग आ के ओकरा के देखल.
  • बक्सर के राजपुर इलाका के गैधरा गांव में बनत सड़क लेके बियफे का दिने दू गो गुट का बीच जम के फायरिंग भइल. एक आदमी घवाहिलो भइल बा बाकिर पुलिस एह तरह के घटना का बारे में सुन के चहुँपल आ तहकीकात करत बिया.
  • रोहतास जिला के बिक्रमगंज इलाका के शिवपुर गांव में पिछला दिने भइल गोलीबारी का मामिला में पुलिस दू जने के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि.
  • रोहतास के दिनारा प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र के प्रभारी चिकित्सा पदाधिकारी डॉ. परवेश पासवान आ क्लर्क राजीव नयन दुबे के घूस लेत घरी निगरानी विभाग के टीम बियफे का दिने गिरफ्तार कर लिहलस.
  • दहेज का केस में सासाराम अदालत में गवाही देके लवटत अपना पत्नी के एगो आदमी गरदन दबा के मुआ घललसि. पुलिस एह मामिला में विशम्भरपुर गांव के सत्यनारायण सिंह के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • गैंगवार में एगो कुख्यात अपराधी चेक सिंह के मरइला के खबर सुन के सारण जिला के पुलिस कप्तान सत्यवीर सिंह बियफे का दिने परसौना बाजार के मुआयना करे चहुँपलन जहाँ दू गो मोटरसाइकिल से आइल अपराधी ताबड़तोड़ गोली चला के चेक सिंह के मार गिरवले. चेक सिंह इसुआपुर थानाध्यक्ष संजय तिवारी के हत्या का मामिला में फरार चलत रहुवे.
  • महाशिवरात्रि का दिने आवे वाला श्रद्धालुअन के सुविधा देखत मेंहदार मंदिर के सदर दरवाजा पर लगावल सगरी घंटा उतार लिहल गइल बा. एह घंटन का रहला से लोग के आवे जाए में दिक्कत होखत रहे.
  • सुनीता सिंह के उचकागांव प्रखंड के प्रमुख निर्विरोध चुन लिहल गइल बा. उप प्रमुख के पद पर भइल चुनाव में साखे खास पंचायत के बीडीसी सदस्या श्रद्धा देवी राउत जीतल बाड़ी.
  • गोपालगंज जिला के गोपालपुर इलाका के सेमरा बाजार में बुध देर रात भइल एगो बम धमाका का चलते एगो नवही झँउस गइल. ओकर इलाज सदर अस्पताल में चलत बा. पुलिस एह मामिला में तीन गो नटन के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • थावे जंक्शन पर बियफे का भोरे एगो बुढ़िया रेल लाइन का किनारे पड़ल मिलल. इलाज खातिर ओकरा के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ ओकर मौत हो गइल. लागत बा कि ओकरा घरे के लोग ओकरा के ओहिजा छोड़ भागल बा.
  • यूपी के विधानमण्डल के बजट सत्र के तईयारी हो रहल बा. 18 फरवरी का दिने दुनू सदन के संयुक्त अधिवेशन में राज्यपाल के अभिभाषण होखी. छह दिन का भीतर एहपर धन्यवाद प्रस्ताव पास करावे के होखी आ आठ दिन ले बजट पर बहस होखी.
  • गाजीपुर में शुक से सेना भर्ती मेला शुरू होखे जात बा. पहिला दिने जौनपुर जिला के नवहियन के मौका दिहल जाई. 14 आ 15 फरवरी के गाजीपुर जिला के, 16 फरवरी के बलिया के, 17 फरवरी के गोरखपुर आ मिर्जापुर के, आ 18 फरवरी के वाराणसी, मऊ, देवरिया, सोनभद्र, संतकबीरनगर, चंदौली आ आजमगढ़ के नवहियन के भरती के मौका दिहल जाई.
  • मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी कहले बाड़न कि राज्य में पांच एकड़ के खेत वालन के सिंचाई खातिर फोकट में बिजली दिहल जाई आ अगर उनुका दुबारा सत्ता मिलल त एकरा के दस एकड़ ले जमीन राखे वालनो के ई सुविधा दे दिहल जाई.
  • डीजल के दाम में कमी का चलते बिहार में सरकारी बस के किराया में 15 फीसदी कमी क दिहल गइल बा. नया दर 15 फरवरी से लागू होखी.
  • पश्चिम चंपारण जिला के बेतिया पुलिस गंडक कॉलोनी से छह गो लॉटरी धंधेबाजन के गिरफ्तार कइले बिया.
  • पूर्वी चंपारण जिला के ढाका-मोतिहारी मेन रोड पर परतापुर का लगे बस आ मोटरसाईकिल के टक्कर में मोटरसाईकिल सवार के मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up