एक बिहारी सभ पर भारी

by | Dec 24, 2015 | 0 comments

डीडीसीए विवाद में वित्त मंत्री अरुण जेटली के कटघरा में खड़ा करावे के कोशिश में लागल बिहार से भाजपा सांसद कीर्ति आजाद के निलंबित त क दिहलसि भाजपा बाकिर कीर्ति अतना आजाद बाड़न कि सुने के तइयार नइखन.
उनकर कहना बा कि ऊ पिछला कई बरीस से भठियरपन का खिलाफ आन्दोलन चलावत बाड़न आ एहमें आपन कवनो गलती नइखन देखत. बाजपेयी के कविता सुनावत उनकर कहना बा कि हार नहीं मानूंगा रार नहीं ठानूगाँ. कीर्ति आजाद भाजपा के मार्गदर्शक मण्डल से एह बारे में निर्देश मंगले बाड़न जवना सिलसिला मेंं आजु दिल्ली में भाजपा के चार गो पुरनिया नेता – लालकृष्‍ण आडवाणी, मुरली मनोहर जोशी, यशवन्‍त सिन्‍हा आ शांता कुमार – बइठक कइलन. एह बइठक में का तय भइल ई अबहीं सामने नइखे आइल.
ओने कीर्ति आजाद के अपना समर्थन में डा़ सुब्रह्मण्यम स्वामी के सहायता मिल गइल बा. कहलन कि भाजपा से मिलल नोटिस के जवाब देबे में स्वामी जी सहायता करीहें. स्वामीओ एगो ट्वीट क के आपन सहमति जता दिहले बाड़न.
लागत बा कि भाजपा के अन्दरखाने एही बहाने जोर आजमाइश क लेबे के तइयारी होखत बा आ मोदी का चलते किनारे लाग गइल सगरी नेता आपसी मनभेद भुला के एकजुट होखे लागल बाड़न.
इहो जाने जोग बा कि भाजपा समर्थक सोशम मीडिया के ‘भक्त’ जेटली के विरोध में रहेलें काहे कि उनुका लागे‭ला कि जेटलीए के चलते बहुते कुछ आर्थिक फैसला जन विरोधी होखत बा. हालांकि एह मामिला में क्लब 160 के तेजी देखत बुझात नइखे कि जेटली के विरोध में भक्ते भर बाड़े कि दिल्ली के चौकड़ीओ शामिल बिया. एकरा पर नजर राखल राजनीति के पढ़निहार ला जरुरी बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up