खबर भोजपुरी में (अतवार, 1 फरवरी 2015)

by | Feb 1, 2015 | 0 comments

(शनिचर, 31 जनवरी के खबर)

  • Agni-5पांच हजार किलोमीटरो से अधिका दूर ले मार करे वाला आ परमाणु हथियार ले जा सकेला वाला मिसाइल अग्नि-5 के आजु फेरू सफल परीक्षण कइल गइल. पिछला बेर एकर सफल परीक्षण 19 अप्रैल 2012 के भइल रहे. एह मिसाइल का जद में करीब करीब दुनिया के सगरी देश आ जइहें आ भारत ओह छह गो चुनिंदा देशन में शामिल हो गइल जिनका लगे पाँच हजार किलोमीटर से अधिका दूरी ले मार करे वाला मिसाइल बा.
  • कांग्रेसी नेता आ ओकरा सरकार में केन्द्रीय मंत्री रह चुकल मतंग सिंह के शनिचर का दिने सीबीआई सारधा घोटाला में गिरफ्तार कर लिहलसि. मतंग सिंह पूछताछ में ठीक से बतियावत ना रहले एहसे उनुका के गिरफ्तार क लिहल गइल आ अब फेरू पूछताछ होखी. तृणमूल कांग्रेस के बड़हन नेता मुकुल राय से सीबीआई के पूछताछ का बाद उनकर नाता ममता बनर्जी से खराब हो गइल बा. ममता के लागत रहुवे कि सीबीआई मुकुल राय के गिरफ्तार कर ली बाकिर गिरफ्तारी ना भइल आ पूछताछ का बाद मुकुलो राय सीबीआई का खिलाफ कवनो बयानबाजी ना कइलन. एहसे एह घोटाला में घेरए के अंदेशा से डेराइल ममता के लागत बा कि मुकुल राय भाजपा से कवनो गोटी बइठा लिहले बाड़न.
  • राजनीतिक गहमागहमी का बीच शनिचर का दिने बिहार के मुख्यमंत्री माँझी अचके राज्यपाल से मिले खातिर राजभवन चहुँपले आ करीब आधा घंटा ले राज्यपाल केसरीनाथ त्रिपाठी से बतियवले.
  • यूपी सरकार आखिर में अरविंद कुमार जैन के नयका डीजीपी बना दिहलसि. पहिले कयास लगावल जात रहुवे कि अरुण कुमार गुप्ता के सेवा विस्तार मिल जाई. बाकिर अरविंद कुमार जैनो महज दू महीना ले डीजीपी रहला का बाद रिटायर हो जइहें.
  • उन्नाव पुलिस लाईन में मिलल नरकंकालन से भरल कोठरी का बाद अब बहराइच पुलिस लाइन में सैकड़ो नर कंकाल से भरल कोठरी के खुलासा भइल बा.
  • दिल्ली में भाजपा के जितावे के गोहार लगावत पीएम मोदी एगो सभा में भाषण देत कहलन कि पूरा दुनिया के निगाह दिल्ली के चुनाव पर लागल बा आ दिल्ली वालन के जिम्मेदारी बनत बा कि केंद्र संगे मिल के काम करे वाली सरकार चुनस दिल्ली ला.
  • कम दूर ले जाए के होखे त साइकिल से जाए के सलाह दिहलन बिहार के मुख्मंत्री जीतन राम माँझी. एहसे पर्यावरण के सुरक्षा करे में सहायता मिली. एहबात के पसार करे खातिर माँझी पटना के संजय गाँधी जैविक उद्यान में साईकिल चलवले.
  • राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी भारतीय तटरक्षक के स्थापना दिवस 1 फरवरी के पहिले ओह लोग के आपन शुभकामना भेजले बाड़न.
  • दिल्ली चुनाव खातिर आआपा गोल आजु आपन ‘पवित्र किताब’ जारी क दिहलसि जवना में दिल्ली के पूर्ण राज्य बनावे, बिजली दर आधा करे, स्वच्छ पानी सही दाम पर मुहैया करावे, जनलोकपाल ले आवे, स्वराज कानून लागू करे वगैरह के वादा कइल गइल बा. अरविन्द केजरीवाल एह पवित्र किताब के जारी कइलन.
  • एगो टीवी पत्रकार के इन्टरव्यू देत किरण बेदी कहली कि जरूरी चीझु कबहियो फोकट में ना देबे के चाहीं. फोकट में मिलल चीझु के लोग भाव ना देव. कहली कि जरूरी चीझु जतना सस्ता हो सके ओतने सस्ता देबे के चाहीं बाकिर फोकट में ना. कहली कि अगर सरकार सब कुछ फोकट में देबे लागे त ओकरा लगे बाचीं का? एहसे उनकर कोशिश होखी कि दिल्ली वालन के बिजली पानी शिक्षा आ स्वास्थ्य सुभीता दर पर मुहैया करावल जाए.
  • बिहार के लखीसराय आ नवादा में शुक का रात नक्सलियन के उत्पात मचावे के खबर बा. ई बदमाश नवादा में दू गो ट्रैक्टर आ एगो मोटरसाइकिल फूंक दिहले सँ आ लखीसराय में एगो मोबाइल टावर के जरा दिहले सँ.
  • आजु सबेरे बिहार में सगरो घाम निकलला से लोग के राहत बुझाता बाकिर तापमान तनी गिरले बा. उत्तरो प्रदेश में घाम निकल आइल बा आ लोग राहत महसूस करत बा.
  • उत्तर प्रदेश सरकार अपना राज्य के निवासी आ बूढ़ नागरिकन के नौ मार्च से हरिद्वार आ ऋषिकेश के नि:शुल्क तीर्थयात्रा करावे के फैसला कइले बिया. एकरा खातिर एगो स्पेश, रेलगाड़ी बुक करा के लखनऊ से हरिद्वार के यात्रा करावल जाई.
  • बांग्ला देश विपक्षी नेता खालिदा जिया के आफिस के बिजली, इंटरनेट आ केबल कनेक्शन काट दिहल गइल बा.
  • चीन के एन्हुई प्रांत में एगो कोयला खदान में बाढ़ के पानी घुस गइला का चलते पाँच गो मजदूरन के मौत हो गइल. दू जने अबहियोें खदान में फँसल बाड़े.
  • 23 जनवरी के खतम भइल हफ्ता में देश के विदेशी पूंजी भंडार में 9.80 करोड़ डॉलर के कमी आइल बा.
  • एशियन कप फुटबाल कोरिया के 2-1 से हरा के आस्ट्रेलिया पहिला हाली एशियाई चैम्पियन बन गइल.
  • मोहाली के पंजाब क्रिकेट संघ स्टेडियम में भइल रणजी ट्रॉफी ग्रुप-बी के एगो मैच में ओडिशा के टीम पंजाब के छह विकेट से हरा दिहलसि.
  • मेलबर्न में चलत आस्ट्रेलियन ओपन टेनिस टूर्नामेंट में अमेरिका के टेनिस स्टार सेरेना विलियम्स रूस के मारिया शारापोवा के हराके एह साल के पहिलका ग्रैंड स्लैम आस्ट्रेलियन ओपन के महिला एकल खिताब जीत लिहली.
  • नागपुर के विदर्भ क्रिकेट संघ स्टेडियम में रणजी ट्रॉफी के ग्रुप-बी के मुकाबला में आज शनिचर का दिने विदर्भ के टीम दिल्ली के टीम के एक पारी आ 93 रन से हरा दिहलसि. दिल्ली के एह साल के ई पहिलका हार ह. इंदौर के होल्कर क्रिकेट स्टेडियम में भइल रणजी ट्रॉफी ग्रुप-ए के मैच में मध्य प्रदेश के टीम जम्मू कश्मीर के एक पारी आ 97 रन से हरा दिहलसि. लाहली (हरियाणा) के चौधरी बंसीलाल क्रिकेट स्टेडियम में खेलल रणजी ट्रॉफी के ग्रुप-बी मुकाबला में हरियाणा के टीम राजस्थान के एक पारी आ 119 रन से हरवलसि.
  • दू मैच के सीरीज के पहिलका एक दिना में न्यूजीलैंड पाकिस्तान के 7 विकेट से हरा दिहलसि.
  • आजु तिरुवनंतपुरम में 35वां राष्ट्रीय खेल के शानदार उद्घाटन भइल. एह मौका पर सचिन तेंदुलकर सभका नजर में रहलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up