- शनिचर का दिने रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर बेंगलुरू में एगो समारोह में भारतीय वायु सेना के देश में बनल हलुका लड़ाकू विमान तेजस के पहिला खेप सँउपलन. एह मौका पर एलसीए तेजस, एडवांस लाइट हेलीकॉप्टर ध्रुव, लाइटकामवेट हेलीकाप्टर आ आधुनिक परीक्षण विमान होग के हवाई प्रदर्शनो देखावल गइल.
- बिहार के राजनीति में नीतीश बनाम माँझी के माहौल बनला का चलते अस्थिरता बने लागल बा. शनिचर का दिने जदयू के बोलतुआ अजय आलोक तीन गो मंत्रियन – नरेन्द्र सिंह, नीतीश मिश्रा आ वृषिण पटेल – पर भाजपा से सांठ-गांठ राखे के आरोप लगवले आ कहलें कि ई लोग भाजपा में जाए के मन बना लिहले बा. एह पर नरेन्द्र सिंह कहलन कि जदयू में अजय आलोक के कवनो हैसियत नइखे आ उनुका कहला पर ऊ कान ना देस.
- केन्द्र सरकार सेन्सर बोर्ड के अध्यक्षा लीला सैमसन के इस्तीफा मंजूर कर लिहले बिया. एकरा बाद नौ गो अउर सदस्यन के इस्तीफा देबे के खबर बा. ई लोग मंत्रालय पर दखलंदाजी के आरोप लगवले बावे. हाल के विवाद एगो फिलिम ‘मैसेंजर ऑफ गॉड’ ले के रहल. ओकरा पहिले पीके फिलिम में कई गो विवादित सीन के मंजूरी देबे वाला सेंसर बोर्ड एह फिलिम के सर्टिफिकेट देबे से मना क दिहले रहुवे त ट्रिब्यूनल से मंजूरी मिलल. हालांकि पंजाब सरकार फिलिम ‘मैसेंजर आॅफ गाॅड’ के प्रदर्शन पर तुरते प्रभाव से रोक लगा दिहले बिया. सिख लोग एह फिलिम के खिलाफ बा. हिन्दू विरोध का बादो पीके फिलिम के यूपी आ बिहार में टैक्स फ्री क दिहल गइल रहे.
- सूचना आ प्रसारण मंत्री अरूण जेटली के कहना बा कि सेंसर बोर्ड के कवनो सदस्य ना त कबो उनुका से ना उनुका सहयोगी मंत्री राज्यवर्धन सिंह राठौड़ से बतियवले. फेसबुक पर एगो पोस्ट में जेटली लिखले बाड़न कि एनडीए सरकार फिल्म प्रमाणन के हर मामिला से फरके रहेले. एह बोर्ड के पिछला सरकार का समय में बनावल गइल रहे आ बोर्ड के राजनीतिकरण क दिहल गइल रहे.
- आदर्श आचार संहिता लाँघे के आरोप पर निर्वाचन आयोग आआपा नेता अरविन्द केजरीवाल के नोटिस जारी कइले बावे. केजरीवाल भाजपा पर आरोप लगवले बाड़न कि ऊ सांप्रदायिक हिंसा भड़कावत बिया आ शहर के गिरिजाघरन पर हमला के जिम्मेदार बिया. एकरा खिलाफ भाजपा के शिकायत पर केजरीवाल के मंगल का दिन ले जवाब देबे के कहल गइल बा.
- सारधा चिटफंड घोटाला में सीबीआई शनिचर का दिने कोलकाता के शारदा रियलिटी कंपनी के निदेशक शिव नारायण दास के कोलकाता में गिरफ्तार क लिहलसि. इनका पर आरोप बा कि इहे साल 2008 में शारदा समूह के प्रमुख सुदीप्तो सेन के चिटफंड कंपनी शुरू करे के सलाह दिहले रहलन.
- उत्तर प्रदेश के लखनऊ आ उन्नाव में जहरीला शराब पियला से मरे वालन के गिनिती 45 हो गइल बा आ 31 लोग अबहियों अस्पतालन में भरती बा.
- भारत के लिएंडर पेस अपना जोड़ीदार दक्षिण अफ्रीका के रावेन क्लासेन का साथे ऑकलैंड में चलत हीनकेन ओपन के पुरूष डबल्स के खिताब जीत लिहलन. ओने सिडनी में रोहन बोपन्ना अपना जोड़ीदार कनाडा के डेनियल नेस्टर का साथे आपिया इंटरनेश्नल टेनिस टूर्नामेंट के पुरूष डबल्स के खिताब जीतलन.
हालंकि पी वी सिंधू जापान के नोजोमी ओकूहारा से सेमीफाइनल में हार के मलेशियाई मास्टर बैडमिंटन टूर्नामेंट से बाहर हो गइली. पुरूष वर्ग में अजय जयरामो सेमीफाइल में कोरिया के जेयोन हेयोक जिन से हार गइलन. - कैमूर जिला के भभुआ रोड टीसन पर ट्रेन से गिरके एगो सिपाही के मौत हो गइल.
0 Comments