खबर भोजपुरी में (अतवार, 21 दिसंबर 2014)

by | Dec 21, 2014 | 0 comments

(शनिचर, 20 दिसंबर के खबर)

संघचालक मोहन भागवत के पुरान फोटो

संघचालक मोहन भागवत के पुरान फोटो

  • धर्मांतरण के मुद्दा पर संघचालक मोहन भागवत के भाषण का बाद मामला अउरी गरमा गइल बा. कोलकाता में बोलावल एगो हिंदू सम्मेलन में संघचालक कहलन कि धर्मातरण रोके के कानून बने के चाहीं. बाकिर घरवापसी का बारे में उनकर कहना रहे कि ई धर्मपरिवर्तन ना हो के गलती से भटक गइल हिंदू लोग के वापिस लवटल ह. कहलन कि विपक्ष के चाहीं कि सरकार का साथे मिल के धर्मांतरण विरोधी कानून बनवावे.
  • शनिचर का दिेन भइल आखिरी दौर के मतदान का बाद झारखण्ड आ जम्मू-कश्मीर विधान सभा चुनाव पूरा हो गइल. झारखण्ड में अबले के सबले अधिका मतदान भइल बा 66 फीसदी जबकि जम्मू-कश्मीर में पिछला पचीस बरीस में सबले अधिका 66 फीसदी. चुनाव का फौरन बाद मीडिया में आइल एक्जिट पोल में कहल गइल कि झारखण्ड में भाजपा के अकेले बहुमत मिल जाई आ झारखण्ड अपना जनम का बाद पहिला बेर गठबन्हन के झंझट से फरका रह पाई. जम्मू-कश्मीर में भाजपा के सबले अधिका वोट मिली बाकिर सीट का मामिला में पीडीपी के बाजी मारे के कहल जात बा. दुनू में से कवनो दल अकेले सरकार बनावे का हालत में ना रही आ जम्मू-कश्मीर में गठबन्हन बनावे के मजबूरी होखी, सरकार चाहे जे बनावे.
  • भारतीय जनता पार्टी के अध्‍यक्ष अमित शाह शनिचर का दिने बाकी गोलन से पूछले कि धर्मान्‍तरण के खिलाफ नया कानून बनावे का बारे में आपन रूख बतावे लोग. केरल के कोच्‍चि में अमित शाह कहलन कि भाजपे अकेला गोल बिया जे धर्मान्‍तरण के खिलाफ नया कानून बनावे के मांग करत बिया आ पूरा तरह से धर्मांतरण के खिलाफ बिया.
  • पाकिस्‍तानी सुरक्षा बल ने पेशावर का लगे के खैबर, मोहमंद आ दारा आदम खेल के सरहदी इलाका में 33 गो आतंकवादियन के मार गिरवले. एहमें कमांडर मुस्‍तफा इलियास उर्फ मन्‍नान नाम के एगो बड़का आतंकवादी के मौत शामिल बा. पाकिस्‍तान का तरफ से कहल गइल बा कि साल 2008 के मुम्‍बई हमला के प्रमुख साजिशकर्ता जकी उर रहमान लखवी के जेल से रिहा नइखे कइल गइल आ जमानत के चुनौती देबे वाली याचिका तइयार कइल जात बा.
  • ब्रिसबेन में चलत दुसरको क्रिकेट टेस्‍ट मैच में ऑस्‍ट्रेलिया भारत के हरा दिहलसि आ तीन मैच के सीरीज में दू गो मैच जीत के सीरीज अपना नामे क लिहलसिल. भारतीय टीम के कप्तान धोनी के कहना बा कि टीम का भीतर आपसी मतभेद बा जवना चलते टीम हारत बिया.
  • भारत के सायना नेहवाल आ किदाम्‍बी श्रीकांत बैडमिंटन के दुबई वर्ल्‍ड सीरीज टूर्नामेंट में आपन-आपन सेमीफाइनल हार गइले. सायना चीनी ताइपे के तेई जू यिन से हरली आ श्रीकांत चीन के चेन लौंग से.
  • खेल का मैदान में शनिचर का दिने अकेला खुशखबरी रहल कि भारत के पुरूष आ महिला टीम अपना-अपना वर्ग के फाइनल जीत के पांचवां विश्‍व कप कबड्डी टूर्नामेंट के खिताब जीत लिहले.
  • ग्रामीण डाक सेवकन के अब सरकारी कर्मचारी के दर्जा मिली. सुप्रीम कोर्ट कहले बिया कि अब ई लोग नियमित सिविल पद पर मानल जाई आ अपना नौकरी से जुड़ल मांग ले के ई लोग केन्द्रीय प्रशासनिक अधिकरण (कैट) का सोझा गोहार लगा पाई.
  • सारण जिला के अमनौर इलाका के गोरौल गांव में माओवादी उग्रवादियन के गिरोह शनिचर का दिने गो ईंट-भट्ठे के विस्फोट क के भसा दिहले आ मजदूरन के मारपीट के भगा दिहले स.
  • बिहार में बंदोबस्ती से मिलल जमीन के अब बेचल ना जा सकी. अगर केहू बेचे के कोशिश करी त जमाबंदी रद्द क के कवनो दोसरा लाभार्थी के नामे जमीन के बंदोबस्ती क दी सरकार. अगर कवनो आदमी एससी एसटी के दिहल जमीन पर कब्जा करे के कोशिश करी त ओकरा पर कार्रवाई कइल जाई.
  • सिवान-भटनी रेलखंड पर 24 दिसम्बर से इलेक्ट्रिक रेल सेवा शुरू हो जाई. रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा ओह दिन एकर शुरुआत करइहें आ ओही दिन से सिवान-भटनी का बीच इलेक्ट्रिक पैसेंजर टेंन चलल शुरु हो जाई.
  • पश्चिम चंपारण में चोरी के ट्रैक्टर आ एगो बाईक का साथही वाहन चोर गिरोह के दू गो अपराधियन के बैरिया पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up