खबर भोजपुरी में (अतवार, 28 दिसंबर 2014)

by | Dec 28, 2014 | 0 comments

(शनिचर, 27 दिसंबर के खबर)
CM-RaghubarDas

  • जम्‍मू-कश्‍मीर में नया सरकार बनावे के समय-सीमा रोज घटल जात बा बाकिर तस्वीर साफ नइखे होखत. कांग्रेस आ नेशनल कॉन्‍फ्रेंस से मिलल बिना शर्त समर्थन पर पीपुल्‍स डेमोक्रेटिक पार्टी अबले कवनो संकेत नइखे दिहले. पीडीपी के बातचीत भाजपा से चलत बा. अतवार का दिने पीडीपी आ भाजपा के बोलवले बाड़न राज्‍यपाल एन.एन. वोरा जेहसे कि उनुका मालूम हो सके कि सरकार बनावे के कवन राह निकालल जात बा.
  • अतवार का दिने झारखंड के नयका मुख्‍यमंत्री के रूप में रघुवर दास के किरिया धरावल जाई. एह मौका पर पीएम मोदी आ भाजपा अध्यक्ष अमित शाह मौजूद रहीहें. पहिला बेर झारखण्ड में गैर आदिवासी मुख्यमंत्री बने वाला बाड़न रघुबर दास. एकरा पहिले महाराष्ट्र में गैर मराठा, हरियाणा में गैर जाट मुख्यमंत्री बना के भाजपा देखा दिहले बिया कि ऊ कवनो तरह से पहचान के सवाल में ना अझुराव.
  • बिहार में जनता दल यूनाइटेड के चार गो अउरी विधायकन के विधानसभा सदस्‍यता खतम क दिहल गइल. एह लोग पर गोल विेरोधी काम करे के आरोप बा. एह अजोग विधायकन में अजीत कुमार सिंह, पूनम देवी, सुरेश चचंल अउर राजू सिंह के नाम बा. एह अजोग ठहरा दिहल लोग के पूर्व विधायको के मिले वाला सुविधो ना दिहल जाई. बागी विधायकन के कहना बा कि एह लोकतंत्र विरोधी फैसला के ऊ लोग हाई कोर्ट में चुनौती दी.
  • गृहमंत्रालय असम में भइल हाल के नरसंहार के जाँच करे के अधिकार राष्‍ट्रीय जांच एजेंसी एन.आई.ए. के दे दिहले बिया. साथही सेना प्रमुख जनरल दलबीर सिंह सुहाग कहले बाड़न कि सेना असम में सामान्‍य स्थिति बहाल करावे ला ओहिजा के सरकार के पूरा सहयोग दी.
  • सारधा चिटफंड घोटाला के सिलसिला में सीबीआई असम में दू गो अउर मामला दर्ज कइले बिया. जेल में बंद कंपनी के प्रबंध निदेशक सुदीप्‍तो सेन पर धोखाधड़ी आ विश्‍वासघात के मामला दर्ज भइल बा.
  • राजधानी दिल्‍ली समेत समूचा उत्‍तर भारत शीतलहर के चपेट में बा. घन कुहा का चलते सड़क, रेल आ हवाई यातायात बाधित हो गइल बा. उत्‍तर प्रदेश में भीषण शीतलहर चलत बा आ गाजीपुर, जौनपुर, गोरखपुर, मऊ समेत अनेके जिलन में लोग गलन वाला पाला से परेशान बा. बिहार, पंजाब, हिमाचल प्रदेश, हरियाणा, राजस्थान सगरो जबरदस्‍त शीतलहर चलत बा.
  • मेलबर्न में ऑस्‍ट्रेलिया के संगे होखत तिसरको टेस्ट में भारत के हाल खस्ता बा. दुसरका दिने भारत अपना पहिलका पारी में एक विकेट के नुकसान पर 108 रन बनवलस जबकि ऑस्‍ट्रेलिया अपना पहिला पारी में 530 रन बनवले रहुवे. एह तरह भारत पहिला पारी में 422 रन से पीछे चलत बा.
  • अंकिता रैना 25 हजार डालर इनाम वाला आई टी एफ महिला टेनिस सिंगल्‍स खिताब जीत लिहले बाड़ी. पुणे में भइल एकतरफा फाइनल में ऊ ब्रिटेन के कैटी डुने के 6-2, 6-2 से हरा दिहली. पिछला चौदह साल में ई खिताब जीते वाली पहिला भारतीय महिला खिलाड़ी बन गइल 21 बरीस के अंकिता.
  • रोहतास जिला में कम्‍हाऊ टीसन का लगे एगो इंजीनियर समेत पाँच गो कर्मचारियन के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल. ई लोग ट्रैक पर काम करत रहुवे आ कुहा का चलते देख ना पावल कि ट्रेन आवत बिया. घटना के जाँच के आदेश दे दिहल गइल बा.
  • एगो शिक्षक सौरभ श्रीवास्तव पर भइल हमला का बाद भोजपुर जिला के नवादा थाना के एगो दारोगा बलवंत कुमार के निलंबित कर दिहल गइल बा. शिक्षक थाना में रशगदारी माँगे के शिकायत लिखावत सुरक्षा मँगले रहलन बाकिर उनुका के कवनो सुरक्षा ना दिहल गइल आ रंगदारी मांगे वाला उनुका के गोली मार के घवाहिल क दिहलस.
  • राष्ट्रीय खेल से बिहार के बाहर क दिहल गइल बा काहे कि बिहार सरकार एगो कानून बना के बिहार में खेल संघन के पंजीकरण के जरूरी बना दिहले बिया. खेल संघ एकरा विरोध में बाड़े.
  • सारण जिला के दाऊदपुर थाना के शीतलपुर गांव में पोखरा में डूबला से एगो आदमी के मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up