खबर भोजपुरी में (बियफे, 5 फरवरी 2015)

by | Feb 5, 2015 | 0 comments

(बुध, 4 फरवरी के खबर)

  • UpendraTiwari-Ballia-CMOविकलांग प्रमाण पत्र बनवावेवालन के एह काम में होखे वाला फजीहत के विरोध करत भाजपा विधायक उपेन्द्र तिवारी बलिया जिला अस्पताल में धरना पर बइठ गइले तब अधिकारी लोग भरोसा दिहल कि एह समस्या के समाधान पन्द्रह दिन में कर दिहल जाई. बाद में विधआय के मौजूदगी में डाक्टर लोग के टीम लगा दिहल गइल प्रमाण पत्र बनावे में.
  • दिल्ली के चुनाव में सगरी दल भाजपा का खिलाफ एक जुट हो गइल बाड़े. अलग बात बा कि एह पार्टियन के कवनो बेंवत नइखे दिल्ली में. बुध का दिने भाजपा के प्रचार करत पीएम मोदी कहलन कि देश के विपक्ष के बरदाश्त नइखे होत कि एगो गरीब देश के पीएम कइसे बन गइल. कहलन कि मीडिया के बाजारू सर्वे ठीक वइसने बाड़ी सँ जइसन लोकसभा चुनाव का बेरा वाराणसी में कहत रही सभ कि मोदी के हारल तय बा.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के कहना बा कि ऊ नीतीश छोड़ कवनो दोसरा नेता के भाव ना देसु आ आलतूफालतू लोग के बात के जवाब ना दीहें. कहलन कि हमरा नइखे मालूम कि हमरा के हटावे के कवन चरचा चलत बा. नीतीश कुछ कहीहन तब जवाब देब.
  • यूपी सरकार सैफई के ग्रामीण आयुर्विज्ञान संस्थान के उत्तरप्रदेश आयुर्विज्ञान संस्थान में बदले के फैसला कइले बिया जवन पूरा प्रदेश में मेडिकल काॅलेजन के मान्यता भा संबद्धता दे सकी. एह विश्वविद्यालय के पदेन कुलाधिपति मुख्यमंत्री रहीहें.
  • चंदौली के चकिया में गाँधी तिराहा का नियरा बुध का दिने एगो अधिवक्ता के गोली मार दिहल गइल. बचाव करे आइल आदमिओ के घवाहिल क दिहलन सँ बदमाश.
  • सारधा घोटाला में धराइल मतंग सिंह के गिरफ्तार ना करे के दबाव बनावे का आरोप में सनाइल केन्द्रीय गृह सचिव अनिल गोस्वामी के हटा दिहल गइल बा. अनिल गोस्वामी खुदही इस्तीफा दे दिहलन. इनकर कार्यकाल जून 15 में खतम होखे वाला रहुवे.
  • बलिया के गड़वार इलाका के धनौती घूरा गाँव में मोबाइल चार्ज करे गइल ‌13 साल के लड़िका के करंट लाग गइल आ ओकर मौत हो गइल.
  • बिहार यूपी के जोड़ेवाला वीर कुंवर सिंह पुल के मरम्मत के काम में सहलियत खातिर पुल के बंद क दिहल गइल बा. दुनू तरफ लोहा के एंगल लगा दिहल गइल बा जवना चलते अब दुपहियो वाला लोग पुल पर ना जा सकी.
  • यूपी सरकार अब हर जिला के दू गो चुनल स्कूलन के इंगलिश मीडियम करे के फैसला कइले बिया जहाँ विद्यार्थियन के अंगरेजी में पढ़ावल जाई.
  • देवरिया के खुखुंदू इलाका के जमुई गाँव के एगो लड़िका लकड़ी तूड़त घरी गाछ से गिर गइल. लोग ओकरा के अस्पताल ले गइल बाकिर राहे में ओकर मौत हो गइल.
  • सलेमपुर के जिला बनवावे खातिर मंगल का दिने सड़क जाम करे वाला 64 गो भाजपाईयन का खिलाफ कोतवाली पुलिस मुकदमा दर्ज क लिहलसि. एह सड़क जाम के नेता रहलन जयप्रकाश मधेशिया.
  • पिछला साल दिसंबर में आरा के नवादा में सोना पर करजा देबे वाला कंपनी से 15 किलो सोना लूट लिहल गइल रहुवे. ओह मामिला में गया जिला के एगो बदमाश के गिरफ्तार कइले बिया पुलिस. एहसे पहिलहू गये के एगो बदमाश समेत सात जने के गिरफ्तार कर लिहले बिया पुलिस. बाकिर नवादा के मुखिया पति संजय पासवान अबहियों फरार चलत बा आ पुलिस का हाथे महज चार किलो सोना लागल बा.
  • सारण जिला के परसा सिवान रोड पर हरपुर गाँव का लगे एगो बोलेरो से कचरा के गाँवे के एगो नवही के मौत हो गइल.
  • छपरा के जिलाधिकारी के हुकुम से 1 मार्च से पेट्रोल पंप पर ओही मोटरसाइकिल के पेट्रोल मिल पाई जवना के चलावेवाला हेलमेट पहिरले होखी.
  • शेयर बाजार में बुधो का दिने गिरावट दर्ज भील आ सेंसेक्स 117 अंक नीचे गिर के अउर निफ्टी 33 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
  • आतंकवादी इस्लामिक स्टेट जार्डन के एगो पायलट के जरा के मुआ दिहलसि त जवाबी कार्रवाई में जार्डन दू गो अलकायदा आतंकियन के फाँसी चढा दिहलस. एहमें उहो बवाली औरत शामिल बिया जवना के छोड़ावे के दबाव बनावत रहुवे इस्लामिक स्टेट.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up