खबर भोजपुरी में (बुध, 31 दिसंबर 2014)

by | Dec 31, 2014 | 0 comments

(मंगल, 30 दिसंबर के खबर)
MSDhoni

  • क्रिकेट में एगो बड़हन धमाका करत कप्‍तान रहल महेन्‍द्र सिंह धोनी टेस्ट मैचन से सन्यास ले लेबे के एलान क दिहलन. हाल का समय में धोनी के कप्तानी के धार खतम हो गइल रहे आ उनका कप्तानी में विदेश में खेलल 30 गो टेस्ट में से महज छह गो में भारत के जीत मिलल. कहल जात बा कि टीम में कुछ अन्दरुनी मनभेद आ बीसीसीआई के दबाव का चलते धोनी हटे के फैसला कइले. धोनी के कप्तानी में खेलल आजु के मैच बरोबरी पर छूटल आ ऑस्‍ट्रेलिया 2-0 से सीरिज अपना नाँवे क लिहलस.
  • भारतीय जनता पार्टी के अध्‍यक्ष अमित शाह के साल 2005 के सोहराबुद्दीन शेख फर्जी मुठभेड़ मामले में मुम्‍बई में सीबीआई के विशेष अदालत आरोपमुक्‍त कर दिहले बिया, अदालत के कहना बा कि सीबीआई जवन निष्‍कर्ष प्रस्‍तुत कइले बिया तवना के पूरा से सकारल ना जा सके आ शाह के आरोपी ना बनावल जा सके. कांग्रेस सरकार का समय कुछ एनजीओ, मीडिया पत्रकार आ राजनेरा षडयन्त्र क के अमित शाह के फँसावे के भरपूर कोशिश कइले रहले जेहसे कि आगे चल के तब गुजरात के मुख्यमंत्री रहल नरेन्द्र मोदी के अझुरावल जा सके. बाकिर कहल जाला कि साँच के परेशान भले क ल ओकरा के हरावल ना जा सके.
  • जम्‍मू कश्‍मीर में सरकार बनावे के डगर अबहियों नइखे लउकत. पीडीपी, नेकां आ कांग्रेस के गठबन्हन बने त जम्मू के जनमत के पूरा से उपेक्षा हो जाई बाकिर जम्मू-कश्मीर के मुख्यमंत्री कवनो हिन्दू मत बन जाव एह चलते घाटी के विधायक नइखन चाहत कि भाजपा संगे मिल के कवनो सरकार बने. मंगल का दिने भाजपा महासचिव राम माधव राज्यपाल से भेंग कइलन. उनकर कहना बा कि पीडीपी आ नेशनल कांफ्रेंस के बीच गठबन्हन जम्‍मू-कश्‍मीर के लोग संगे धोखा कइल होखी. पीडीपी अध्‍यक्षा मेहबूबा मुफ्ती बुध का दिने राज्‍यपाल से भेट करीहें.
  • सूचना और प्रसारण राज्‍य मंत्री कर्नल राज्‍यवर्द्धन सिंह राठौड के कहना बा कि आमिर खान के फिलिम पीके पर केन्द्र सरकार कुछ ना कर सके. सेंसर बोर्ड एकरा के मंजूरी दिहले बावे. बाकिर पूरा देश में जगहे जगह पीके फिलिम में हिन्दू देवता के आपत्तिजनक चित्रण के शिकायत करत हिन्दू नवही विरोध करत बाड़े. एकर निर्देशक त माने के तइयारे नइखन कि एह फिलिम में हिन्दू धर्म का प्रति असम्मान देखावल गइल बा. बाकिर अगर अइसने कवनो फिलिम मुसलमान भा ईसाईयन के खिलाफ बनल रहीत त अबले पूरा देश में बवाल मच गइल रहीत आ तब सेंसर बोर्ड से लिहले सेकूलर मीडिया ले कुकुरबझाँव शुरु हो गइल रहीत.
  • तीन दिन पहिले इंडोनेशिया में कवनो हादसा के शिकार हो गइल एयर एशिया के विमान के खोजला पर ओकरा सवारियन के लाश समुद्र में मिलल शुरू हो गइल बा. अबहीं ले चालीस गो से अधिका लाश निकालल जा चुकल बा. बाकिर जहाज के मलवा अबहीं नइखे मिलल. बस कुछ टुकड़ा मिलल बा.
  • उत्‍तराखंड के राज्‍यपाल अजीज कुरैशी के बाकी कार्यकाल मिजोरम के राज्‍यपाल का रूप में पूरा करे ला भेज दिहल गइल बा. राष्‍ट्रपति भवन से जारी विज्ञप्ति में मेघालय के राज्‍यपाल डॉ के के पॉल के उत्‍तराखंड के नया राज्‍यपाल बनावल गइल बा. के के पॉल उत्‍तराखंड का साथही मणिपुरो के राज्‍यपाल रहींहे. पश्चिम बंगाल के राज्‍यपाल केसरी नाथ त्रिपाठी के मेघालयो के राज्‍यपाल के जिम्मा सँउपल गइल बा.
  • हालही में असम में भइल नरसंहार के न्यायायिक जाँच करावे के फैसला कइले बाड़न मुख्‍यमंत्री तरूण गोगोई. ई हिंसा करेवाला उग्रवादियन का खिलाफ सेना विशेष अभियान चलाई आ ड्रोन विमानो के इस्तेमाल कइल जाई.
  • पाकिस्‍तान सरकार ने मुम्‍बई हमला के सरगना जकी-उर-रहमान लखवी पर नया आरोप लगा के फेरू हिरासत में ले लिहले बिया.
  • अइसन अनेसा जतावल जात बा कि ऑटो उद्योग के उत्‍पाद शुल्‍क में दिहल रियायत के सरकार वापस ले ली आ तब पहली जनवरी से मोटर साइकिल आ गाड़ियन के दाम बढ़ जाई.
  • वाराणसी के काशी विश्वनाथ मंदिर के मरम्मत के काम केन्द्रीय भवन अनुसंधान संस्थान (सीबीआरआरआई) के सँउपल गइल बा आ संस्थान के काशी विश्वनाथ मंदिर ट्रस्ट का तरफ से सत्तावन लाख रूपिया दे दिहल गइल बा. एह मंदिर के निर्माण साल 1777 में कइल गइल रहे.
  • बिहार सरकार कैमूर के एसपी आ भभुआ के एसडीपीओ समेत चौदह गो अधिकारियन के तबादल क दिहले बिया. पिछला दिने यौन शोषन के आरोप लागल कैमूर के एसपी पुष्कर आनंद के आरा एमएमपी के कमांडेट बनावल गइल बा जबकि आरोप लगावे वाली निर्मला कुमारी के बीएमपी-सात कटिहार के डीएसपी पद पर भेज दिहल गइल बा.
  • बिहार में नक्सली हमला में शहीद होखेवालन के परिजन के अब पांच लाख रूपिया के मुआवजा दिहल जाई.
  • केन्द्र सरकार मीडिया आ मनोरंजन उद्योग के बढ़ावा देबे खातिर एक लाख से अधिका आबादी वाला शहरन में निजी एफ.एम. स्टेशन खोले के अनुमति दी. एगो नया संचार
    विश्वविद्यालय स्थापित करी आ जल्दिए दूरदर्शन के किसान चैनल लांच कइल जाई.
  • पश्चिम चंपारण के मंझौलिया थाना पुलिस खुफिया जानकारी का आधार पर छापा मार के एगो नाजायज मिनी शराब फैक्ट्री खोज निकललस. ओहिजा से दू गो कारोबारियनो के पकड़ले बिया पुलिस.
  • सीवानो जिला के जीरादेई में उत्पाद विभाग के छापेमारी में एगो मिनी शराब फैक्ट्री मिलल बाकिर ओहिजा से केहू धराइल ना.
  • पूरा यूपी में शीतलहर के प्रकोप बदस्तूर जारी रहल. हालांकि मंगल का दिने पूर्वांचल में घाम निकलला से ओहिजा तनिका राहतो मिलल बा. ठंढ आ कुहा का चलते होखे वाला हादसा से अबले नाहियो त दू सौ लोग के जान जा चुकल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up