खबर भोजपुरी में (मंगल, 23 दिसंबर 2014)

by | Dec 23, 2014 | 0 comments


झारखण्ड आ जम्मू-कश्मीर विधानसभा चुनाव के वोट गिनती के रुझान बतावत बा कि झारखण्ड में त भाजपा के सरकार बन जाई बाकिर जम्मू-कश्मीर में त्रिशंकु वाला हाल हो जाई. चउतरफा लड़ाई में भाजपा आ पीडीपी आगे पीछे होत रहत बाड़े बाकिर नेशनल कांफ्रेंस आ कांग्रेस के वइसन हार नइखे मिलत जइसन एक्जिट पोल में बतावल जात रहुवे.

साँझ 5 बजे तक के परिणाम आ रुझान मिला के एह तरह से बा :
झारखण्ड
भाजपा+ = 42, झामुमो = 18, कांग्रेस+= 7, जेवीएम =7, बाकी सब = 7. कुल = 81

जम्मू-कश्मीर
पीडीपी =28, भाजपा =25, नेशनल कांफ्रेंस = 15, कांग्रेस = 12, बाकी सब = 7. कुल = 87


(सोमार, 22 दिसंबर के खबर)

मध्य प्रदेश के गृहमंत्री बाबू लाल गौड़ केन्द्र के खाद्य आपूर्ति मंत्री राम विलास पासवान से सोमार का दिने भेंट कइलन.

मध्य प्रदेश के गृहमंत्री बाबू लाल गौड़ केन्द्र के खाद्य आपूर्ति मंत्री राम विलास पासवान से सोमार का दिने भेंट कइलन.

  • सारण जिला के कौडिय़ा रेलवे क्रॉसिंग का लगे ईसुआपुर थानाध्यक्ष संजय तिवारी के तीन गो मोटरसाइकिल अपराधी गोली मार के हत्या क दिहले. घटना तब भइल जब थानाध्यक्ष एगो पेट्रोल पंप मालिक के तीन लाख रुपिया बैंक में जमा करवा के उनके गाड़ी से लवटत रहले. श्याम कौड़िया ढाला पार करते देखलन कि एगो बिना नंबर के पल्सर बाइक पर तीन गो नवही जात बाड़ें. गाड़ी रोकवा के ओकनी से पूछताछ करे लगलन तबहिए ओह नवहियन में से दू गो उनकर रिवाल्वर हाथ से मार के गिरा दिहले आ तिसरका आपन पिस्तौल निकाल के ताबड़तोड़ गोली चला के उनका के मार दिहलसि. गोली चलते पंप मालिक के बेटा आ चौकीदार भाग निकलले आ संजय तिवारी ओहिजे गिरल पड़ल रहले. बाद में पंप मालिक अइलन आ उठा के अपना क्लिनिक ले गइलन बाकिर थानाध्यक्ष के मौत ठाँवे पर हो गइल रहे. ओह नवहियन का बारे में कवनो पता नइखे चलल.
  • धर्मान्‍तरण का मुद्दा पर विपक्ष आजुओ संसद में बवाल कटलसि आ राज्यसभा में कवनो काम ना होखे दिहलसि. विपक्ष धर्मांतरण के खिलाफ कानूनो बनावे ला सहमत नइखे होखत. ओकर कहना बा कि धर्मांतरण का खिलाफ कानून बनावल संविधान के लाँघल होखी. मतलब बस इहे बा कि हिन्दू के धर्म परिवर्तन होखे त कवनो बात ना, दोसरा धर्म में एक बेर चल गइल लोग वापस हिन्दू धर्म में लवटे के ना चाहीं. हालही में आगरा के एत्मादपुर में हिंदू परिवारन के 20 गो ओरतन के ईसाई बना दिहल गइल बा बाकिर एह मामिला पर यूपू सरकार कुछ नइखे करत. यूपी के पुलिस उल्टे ओह औरतन के धमकावत बिया. संघ आ विहिप दू तरह के एह व्यवहार पर विरोध कइले बावे बाकिर विपक्ष भा सेकूलर मीडिया एहपर चरचा नइखे करत. इहे लोग आगरा के घर वापसी पर बवाल मचवले बा.
  • लोकसभा से सोमार का दिने क्षेत्रीय ग्रामीण बैंक संशोधन विधेयक 2014 ध्‍वनिमत से पास हो गइल. एह विधेयक के मकसद क्षेत्रीय बैंकन के अधिकृत पूंजी मौजूदा पांच करोड रूपिया से बढाके दू हजार करोड रूपिया करे के बा. कवनो क्षेत्रीय ग्रामीण बैंक के अधिकृत पूंजी एक करोड रूपिया से कम ना कइल जाई.
  • पुरनका जनता पार्टी से बिखरल पारिवारिक गोल सोमार का दिने दिल्ली में ‘जनता परिवार’ के सामूहिक धरना आयोजित कइले जवना में परिवारे-परिवार मौजूद रहल. एह गोलन के पारिवारिक पूंजी बना के राख दिहल गइल बा आ जब जनता एहनी के पिछला लोकसभा चुनाव में नकार दिहलसि त आपन मान बचावे ला सब एकजुट गिरोह बनावे में लाग गइल बाड़े. हालांकि अबहियों तय नइखे कर पावत लोग कि नयका गोल के नाम का होखी, नेता के होखी आ कवना चुनाव चिह्न पर चुनाव लड़ल जाई.
  • समूचा उत्‍तर भारत शीतलहर का चपेटा में आ गइल बा. राजधानी दिल्‍ली में घन कुहा का चलते हवाई सेवा आ रेल यातायात बाधित भइल. 22 दिसंबर साल के सबले छोट दिन होला आ आजु का बाद गँवे गँवे दिन बड़ होत जाई आ रात छोट. उत्तर प्रदेश के बारहवीं तक के सगरी स्कूलन के 28 दिसंबर ले बंद क दिहल गइल बा. वइसे बहुते स्कूलन में क्रिसमस के छुट्टी पहिलही हो गइल बा.
  • लगातार तिसरका दिने शेयर बाजार बढ़ती का संगे बंद भइल. सेंसेक्स 330 अंक चढ़ल त निफ्टी 99 अंक.
  • रोहतास के दरिहट थाना के गौही गांव का लगे एगो स्कूल बस से टकरइला का चलते एगो मोटरसाइकिल से जात मरद मेहरारू के मौत ठाँवे पर हो गइल.
  • बिहार के जमुई जिला के तीन गो गांव से पुलिस एक करोड़ 77 लाख से अधिका के नकदी बरामद क लिहलसि जवन जमीन में गाड़ के राखल गइल रहुवे. पुलिस बतवलसि कि ई रुपिया 20 सितंबर का दिने एचडीएफ़सी बैंक से गायब कइल कंटेनर के ह जवना में चार करोड़ रुपिया भरल रहुवे. एह कंटेनर के कोलकाता के एगो सिक्योरिटी एजेंसी के कैश वैन से गायब कइल गइल रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up