खबर भोजपुरी में (मंगल, 30 दिसंबर 2014)

by | Dec 30, 2014 | 0 comments

(सोमार, 29 दिसंबर के खबर)

सोमार 29 दिसंबर का दिने नयी दिल्ली में 'मेक इन इंडिया' कार्यशाला के संबोधित करत पीएम मोदी.

सोमार 29 दिसंबर का दिने नयी दिल्ली में ‘मेक इन इंडिया’ कार्यशाला के संबोधित करत पीएम मोदी.

  • विकास के काम ला जमीन अधिग्रहण कइल आसान बनावे वाला भूमि अधिग्रहण कानून पर अध्यादेश के केन्द्र सरकार सोमार का दिने मंजूरी दे दिहलसि. एहमें जमीन लिहल आसान बना दिहल गइल बा बाकिर मुआवजा आ पुनर्वास का मामिला में कवनो कमी नइखे कइल गइल. अब रेल, सड़क समेत तेरह तरह के परियोजनो के एहमें शामिल क लिहल गइल बा जवन पहिले शामिल ना रहे.
  • पहली जून 2014 ले बनल दिल्ली के सगरी अनियमित कालोनियन के केन्द्र सरकार नियमित करे के मंजूरी दे दिहलसि. कांग्रेस के कहना बा कि चुनाव देख के अइसन फैसला लिहल गइल बा. एह बदलाव से दिल्ली के 895 कॉलोनियन में रहे वाला करीब साठ लाख लोग के फायदा होखी आ ओह लोग के बिजली पानी सड़क के सुविधा मिल पाई.
  • पाकिस्तान में अदालत से मुंबई हमला के मुख्य आरोपौ आ अंतरराष्‍ट्रीय स्‍तर पर नामजद आतंकवादी जकीउर्र रहमान लखवी के रिहाई पर आपम चिंता जतावे ला भारत में पाकिस्तानी राजदूत के बोला के बता दिहल गइल.
  • बेंगलूरू के चर्च स्ट्रीट में अतवार का दिने भइल बम विस्फोट के जांच के जिम्मा विशेष जांच दल के सँउपल गइल बा. एकरा के आतंकी हमला बतावल जात बा आ कहल जात बा कि कवनो बड़ हमला करे के तइयारी देखे ला एह बम विस्फोट के अंजाम दिहल गइल बा.
  • जम्मू-कश्मीर में सरकार बनावे का बारे में अबही ले कवनो सहमति नइखे बन पाइल बाकिर बुध का दिने पीडीपी आ बियफे का दिने भाजपा राज्यपाल से मिल के आपन योजना बतइहें. पेंच फॅसल बा मुख्यमंत्री पर आ कश्मीर के नेता नइखन चाहत कि जम्मू के कवनो हिंदू के मुख्यमंत्री बने दिहल जाव. कांग्रेसो भाजपा के रोके का नाम पर एह में सुर मिलावत बिया. हो सकेला कि एक तरफ भाजपा रह जाव आ बाकी सगरी दल एकजुट हो जास. भाजपा एही के रोके में लागल बिया आ नइखे चाहत कि एह तरह के माहौल बने.
  • देश भर में आमिर खान के फिलिम पीके का खिलाफ माहौल बने लागल बा. एह फिलिम में हिन्दू धर्म आ भगवान शिव का खिलाफ आपत्तिजनक सीन देखावल गइल बा. बाकिर सेकूलर मीडिया एकरा के अभिव्यक्ति के आजादी से जोड़त बाड़े. जबकि इहे मीडिया आ इहे लोग मुस्लिम भा ईसाईयन का खिलाफ कवनो बात के ई आजादी ना देसु.
  • मुंबई शेयर बाजार सोमार का दिने सेंसेक्स में 154 अंक के आ निफ्टी में 46 अंक के बढ़त ले के बंद भइल.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी अपना सांसद क्षेत्र विकास निधि से वाराणसी छावनी आ काशी रेलवे टीसनन पर बेंच लगावे खातिर 38 लाख 93 हजार रुपिया के मंजूरी दिहले बाड़न.
  • मेलबर्न में भारत के पूरा टीम 465 रन बना के आउट हो गइल आ बाद में खेले आइल ऑस्ट्रेलिया 9 विकेट पर 318 रन बना के आपन दुसरका पारी खतम घोषित क दिहलस. आब भारत का सोझा जीते खातिर 384 रन बनावे के निशान मिलल बा.
  • सोमारो का दिने समूचा उत्‍तर भारत में शीतलहर जारी रहल. उत्‍तर प्रदेश में ठंड आ कुहा का चलते भइल हादसा में नाहियो त सवा सौ लोग के मौत हो चुकल बा.
  • सिद्धार्थनगर जिला में सोमार से तीन दिन के कपिलवस्तु महोत्सव शुरू हो गइल. विधानसभा अध्यक्ष माता प्रसाद पाण्डेय भगवान बुद्ध के बचपन के जगह कपिलवस्तु में स्तूप
    पूजन कइ के महोत्सव के शुरुआत कइलन. भाजपा सांसद जगदम्बिका पाल अउर देश-विदेश से आइल करीब डेढ़ सौ बौद्ध भिक्षु लोग स्तूप के पैकरमा आ पूजा कइल.
  • भभुआ के डीएसपी निर्मला कुमारी ओहिजा के एसपी पुष्कर आनंद पर शरीरिक शोषण के आरोप लगवले बाड़ी. कहले बाड़ी कि थाना में एफआईआर दर्ज करा के एसपी का खिलाफ कार्रवाई कइल जाव. कहले बाड़ी कि शादी करे के झाँसा दे के तीन साल से ऊ उनकर शारीरिक शोषण करत बाड़न. आ अब जब शादी करे के दबाव बनवली त अभद्र व्यवहार करत बाड़न. ओने पुलिस अधीक्षक पुष्कर आनंद एह आरोप के गलत बतावत बाड़न.
  • रोहतास जिला के दरिगांव थाना के चन्द्रवंशी नगर में दहेज खातिर एगो कनिया के हत्या करे के आरोप लगावल गइल बा. थाना में मुकदमा दर्ज हो गइल बा.
  • सारण जिला के जनता बाजार थाना के लहलाद गांव से हथियार साथे एगो अपराधी के पुलिस गिरफ्तार कइलस.
  • महाराजगंज के सांसद जर्नादन सिंह सिग्रीवाल दस करोड़ इक्यावन लाख रुपिया के लागत से बने वाली महाराजगंज-बसंतपुर सड़क के शिलान्यास सोमार का दिने कइलन.
  • जौनपुर के एगो कपड़ा आ सिगरेट व्यवसायी के आञ लाख रुपिया बैंक में जमा करे जात मुनीम शरद कुमार मिश्र के अटाला मस्जिद के ठीक सोझा कुछ बदमाश घेर के रुपिया छीने लगले. विरोध कइला पर ऊ बदमाश सब शरद के गोली मार के घवाहिल क दिहले आ रुपिया के बैग छीन के भाग परइले. दू बरीस पहिले शरद मिश्र के भाईयो के बदमाश गोली मार के हत्या क दिहले रहले आ उनुका के लूट लिहले रहले. ऊ एगो दोसरा व्यवसायी किहाँ मुनीम रहले.
  • बलिया के टाउन हाल बापू भवन में विहिप के स्वर्ण जयन्ती समारोह मनावल गइल जवना ला अनेके स्कूल के विद्यार्थी सांस्कृतिक कार्यक्रम पेश कइले. सबले शानदार प्रस्तुति नागाजी सरस्वती शिशु मन्दिर के रहल.
  • बलिया के चिंतामणि गाँव में एगो अठारह बरीस के लईकी अतवार के रात फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. एकर पता तब लागल जब ओकर दादा खाना खाए खातिर ओकरा के आवाज दिहलन. जब ऊ ना बोलल त दरवाजा तूड़ के देखल गइल कि लईकी पंखा में दुपट्टा बान्ह के फाँसी लगा लिहले बिया. एह खुदकुशी के कारण अबही पता नइखे चलल.
  • गाजीपुर के जमनिया में अपना पड़ोस में रहे वाली एगो लईकी से दू साल से कुकर्म करत आवत अधेड़ के तब गिरफ्तार क लिहल गइल जब दुसरका बेर पेट रहला का बाद ओकरा के गिरवावे का फेर में रहे. पहिलका बेर दवाई खिया के पेट गिरा दिहले रहुवे.
  • चंदौली जिला में अपना के मरद मेहरारू बतावत एगो जोड़ी बच्चा पैदा करवला का बाद रात में नर्सिंग होम से चुपे चोरी निकल भगले. नर्सिंग होम का तरफ से थाना में शिकायत दर्ज करा दिहल गइल. बाद में इस्लामाबाद मुहल्ला के एगो इनार का लगे नवजात लइका मिलल त भेद खुलल कि नर्सिंग होम में ओकर महतारी दाई के हजार रुपिया देत रहुवे ओह बचवा के मुआ देबे ला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up